हुजूर मुकदमा केे डर नइखे बाकिर जेल के डर जरुर बा

by | Mar 21, 2024 | 0 comments

फोटो आम आदमी पार्टी का अधिकृत वेेबसाइट के स्क्रीनग्रैब के हवेे

नौ गो समन का खिलाफ अदालतन में बहत्तर बेर गोहार लगा चुकल अरविन्द केजरीवाल के आजुओ दिल्ली हाईकोर्ट से कवनो राहत ना मिलल.

आगे बढ़े सेे पहिले बता दीहल चाहत बानी कि अदालत केे कार्रवाई भोजपुरी में नइखे भइल आ बहुत कुछ अपना सुविधा से लिखल गइल बा. जइसेे कि गोहार बहत्तर बेेर सेे अधिका लगवले बाड़न कि कम एह मामिला में पक्का कुछ ना कह सकी. बाकिर जइसन कि मीडिया में खबर आवत बा ओकरेे आधार पर ई पोस्ट कइल जा रहल बा.

हमरा इहो नइखे मालूम कि गोहार अरविन्द केजरीवाल का तरफ सेे निजी आधार पर लगावल गइल बा कि दिल्ली के मुख्यमत्री होखला का नातेे. अगर मुकदमा अरविन्द केजरीवाल निजी तौर पर लगवलेे बाड़न त हम त इहे कहब कि उनुका लगे भरपूर माल हो गइल बा. ना त अतना महँगा-महँगा वकीलन के फीस कइसेे देतन. आ अगर दिल्ली सरकार का तरफ से गोहार लगावल गइल बा त काहेें ? ईडी के त इहे कहना बा कि ऊ अरविन्द केजरीवाल के निजी तौर पर समन भेजले बाड़ेें.

अरविन्द केजरीवाल आ उनुका गोल के अउरिओ नेता सवाल उठावल करेेलेें कि समन गवाह का तौर पर बा कि अपराधी का तौर पर, निजी हवे कि दिल्ली के मुख्यमत्री होखला का चलतेे, आ कि आ आ पा के राष्ट्रीय संयोजक होखला का नाते ? त केजरीवालो के ई बतावेे केे चाहीं कि रोजेे रोज ऊ कवनो ना कवनो अदालत में आपन गोहार कइसेे आ कवना तौर पर लगावत बाड़न ?

जब सत्येन्द्र जैन गिरफ्तार भइलन, मनीष सिसोदिया गिरफ्तार भइलन, भा संजय सिह गिरफ्तार भइलन तहिया त केजरीवाल ओह लोग के वाहवाही करत रहलन, भगत सिेंह केे अवतार बतावत रहलन. बाकिर जब अपना कपारे पड़ल तहिया पेटझरी काहे होखे लागल ?

दोसरे सवाल ईडी से ई बा कि केजरीवाल के कवना कारण अतना ढील दे रहल बिया ? का हर आदमी के जेकरा के ऊ समन भेजी ई अधिकार में होखी कि ऊ समन पर हाजिर होखे कि ना ? आ अदालतो के बतावे के चाहीं कि का आम आदमी के ई छूट मिल सकेला कि समन पर ना जाव ?

बाकिर अदालत कह सकेला कि सवाल बड़क-बड़का वकीलन के बा, जवनन के नजरअंदाज करेे केे बेेंंवत कवनो अदालत के कवनो न्यायाधीश का लगे नइखे ! बड़का वकीलन के त अवमानना के जुर्मानो महज एक रुपिया के लगावल जाला जबकि अदालतन के बढ़िया से मालूम बा कि एह वकीलन का लगे एक रुपिया के सिक्का त होखबे ना करेे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up