इस्लामी आतंकी हमला का खिलाफ पसरत हिंसा : रात के कर्फ्यू

by | May 14, 2019 | 0 comments

कुछ दिन पहिले ईसाई समुदाय के पर्व इस्टर का मौका पर इस्लामी आतंकी एगो चर्च पर हमला कर दिहलें जवना में सैकड़न लोग मराइल रहुवे. ओह हमला का बाद से श्रीलंका सरकार देश में इस्लामी आतंकियन पर कड़ा एक्शन लेत बिया बाकिर जनता में ओह समुदाय का खिलाफ अइसन नफरत पसर गइल बा कि रहि रहि के कहीं ना कहीं आपसी झड़प हो जात बा.

एह माहौल के सम्हारे का मकसद से श्रीलंका सरकार काल्हु राति सगरी देश में रात के कर्फ्यू के एलान क दिहले बिया आ जनता से निहोरा कइले बिया कि सुरक्षा बल आतंकियन से लड़े में लगल बाड़ें आ एह समय एह तरह के हिसा से ओहलोग के परेशानी अउरी बढ़ि जाई. एह चलते जनता प्रशासन से सहजोग करे आ हिंसा जनि करे.

श्रीलंका में सोशलो मीडिया पर रोक लगा दीहल गइल जेहसे कि अफवाहन के पसरे से रोकल जा सके. सोशल मीडिया पर श्रीलंका के मुस्लिम समुदाय के सामाजिक बहिष्कार करे के गोहा लगावल जा रहल बा. खास कर के मुस्लिमन के चलावल बिजनेस से कवनो वास्ता ना राखे के कहल जा रहल बा. जान जाईं कि इस्टर हमला वाला वारदात एगो बड़हन मुस्लिम बिजनेस परिवार के बेकत खुदे कइले रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up