चुनाव के पहिलका डेग बहुते सम्हर के उठल

by | Apr 20, 2024 | 0 comments

Old file photo

लोकसभा चुनाव के पहिलका डेग अतना सम्हर के उठल कि सगरी गोलन के साँस रुक गइल बा. भाजपा अलगे चिन्तित आ इंडी के गोल अलगे चिन्ता में. असल में शायद भाजपा के समर्थक जीत का गुमान में घाम में निकले से सकुचा गइलन त विरोधी गोल के लोग हार तय मानत महटिया गइल कि का फायदा जव आवे के मोदिए के बा.

18वीं लोक सभा के चुनाव के पहिलका चरण में 62 फिसदी मतदान होखे के खबर बा. ई पिछला चुनाव से कम मतदान बा. संतोष ह पर बा कि पश्चिम बंगाल आ मणिपुर छोड़ अउर कहीं से हिंसा भइला के खबर नइखे मिलल. काल्हु अरुणाचल प्रदेश विधानसभा आ सिक्किम विधानसभा के सगरी सीटन के चुनावो निकहा से निपट गइल बा.
निर्वाचन आयोग बतवले बावे कि सभले बेसी मतदान त्रिपुरा में भइल जहवाँ 80.17 फिसदी लोग वोट डालल. सभले कम वोट बिहार में पड़ल जहवाँ आधो से कम लोग मतदान में शामिल भइल.

काल्हु का चुनाव में आठ गो केन्द्रीय मंत्रियन, दू गो पूर्व मुख्यमंत्रियन आ एगो पूर्व राज्यपाल के किस्मत के फैसला ईवीएम मशीन में बन्द हो गइल. एहमें सड़क आ परिवहन मंत्री नितिन गडकरी, पृथ्वी विज्ञान राज्य मंत्री किरेन रिजिजू, अरुणाचल के मुख्यमंत्री रहल नबाम तुकी, केन्द्रीय जहाजरानी जल मार्ग अउर बंदरगाह मंत्री सर्बानंद सोनोवाल, केन्द्रीय मंत्री संजीव बालियान, प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्य मंत्री जितेन्द्र सिंह आ भूपेन्द्र यादव, कानून मंत्री अर्जुन राम मेघवाल, तेलंगाना के राज्यपाल रहल तमिलसाई सौन्दरराजन वगैरह के नाम शामिल बा.

अब ई लोग अपना चुनाव से मुक्त हो के अपना अपना गोलन के प्रचार में लाग जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up