जील त जलील कर के मानी

by | Feb 21, 2024 | 0 comments

शेयर बाजार मेंं हर कुछ दिन पर अइसन कवनो ना कवनो कहानी सामने आवत रहेला जवना से वणिकन (traders) के बाजा बजत रहेला. हाल फिलहाल के कुछ कहानियन के चरचा करीं त यस बैंक, पेटीएम, आ जील (Zee Entertainment Enterprises Limited (ZEEL)) के कहानी सभका याद होखी. पेटीएम आ जील के कहानी त अबहीं चलिए रहल बा.
एगो भोजपुरी कहाउत हऽ – केकर केकर लिहीं नाम, कमरी ओढ़ले सगरी गाँव. आजु हम आपन चरचा जीले ले राखब. टीवी का दुनिया में एगो जानल मानल नाम ह जी इंटरटेनमेंट. एकर अनगिन चैनल बाड़ी सँ जवना में हर राज्य से ले के देश आ दुनिया के खबर देबे वाला चैनल, मनोरंजन, खेल-कूद से जुड़ल चैनल शामिल बाड़ी सँ. आ एही चैनलन में एगो बड़का नाम ह जी बिजनेस टीवी के जेकर मुख्य प्रस्तोता – anchor – हउवन अनिल सिंंहवी जिनका दीहल ज्ञान के किरिया खालें वणिकई में लागल लोग. एही बीच कुछही दिन पहिले खबर आइल रहुवे कि एह चैनल पर वणिकई के सलाह देबे वाला कुछ लोग जनता के बेवकूफ बना के आपन गोटी लाल करत रहलें. एह लोगन पर सेबी करीब सवा साट करोड़ के जुर्मानो लगवले बिया. बाकिर जी बिजनेस बस अतने कहि के निकल गइल कि ई लोग स्वतंत्र सलाहकार रहुवे आ एह लोगन से कवनो व्यावसायिक नाता नइखे जी कंपनी के.

कंपनी के शुरुआत 15 दिसंबर 1991 का दिने जी टेलीफिल्म्स नाम से भइल रहल. साल 2006 में ई नाम बदल दीहल गइल.

कंपनी शेयर बाजार में अतना लोकप्रिय रहल कि कई बरीस ले जी टेलीफिल्म्स सेंसेक्स के हिस्सा रहुवे.

अपना विकास यात्रा में जील – ZEEL – बहुते पड़ाव करत गइल आ प्रसिद्धि आ सफलता के नया नया कीर्तिमान गढ़त गइल. बाकिर एह तेजी में कुछ अइसनो भइल कि कर्जा का दबाव से कंपनी के हालात बिगड़े लागल.

फरवरी 2019 में सुने के मिले लागल कि कंपनी के मालिकान एसेल ग्रुप एकर हिस्सेदारी – शेयर – बेचल चाहत बाड़ें जवना से कंपनी पर कर्जा के बोझा कुछ कम कइल जा सके.

एकर भनक मिलते कई एक कंपनी भा समूह आगे अइलें जे एकर हिस्सेदारी लीहल चाहत रहलें. एहमें मशहूर नाम रहल सोनी, एपल, आ रिलायंस के. बात आगे बढ़ल त सोनी के शार्ट लिस्ट क लीहल गइल. लमहर बातचीत का बाद तय हो गइल कि सोनी जील में 10 बिलियन डॉलर के निवेश करी. 22 सितम्बर 202‌1 के एलान हो गइल कि सोनी पिक्चर्स नेटवर्क्स इंडिया आ जील के एक दोसरा का साथे विलय हो जाई आ नयका कंपनी के मुखिया पुनीत गोयनके रहिहें जे जील के मुखिया हउवन.

बाकिर एही बीचे कुछ कुछ अइसनो जानकारी मिले लागल जवना चलते सेबी जील पर निगाह राखल शुरु कर दिहलसि. पईसा कौड़ी के हेरफेर का अनेसा में सेबी जील पर कुछ प्रतिबन्ध लगा दिहलसि. एकरा बाद सोनी के कहना रहल कि एह हालात में नयका कंपनी के बागडोर पुनीत गोयनका के दीहल ठीक ना रही आ एही मुद्दा पर सहमति ना बन पवला का चलते करार टूटियो गइल आ एकरा साथ ही शुरु हो गइल वणिकन के बरबादी.

कहानी बहुते लमहर बा. गूगल कइला पर सगरी जानकारी मिलियो जाई. एहिजा हम सगरी मामिला वणिकन का नजर से देखे के कोशिश करत बानी.

आईं अब एकरा शेयर पर नजर डालल जाव. शुरु से आजु तकले के हालात देखावे खातिर हर कैण्डल तीन महीना के राखल गइल बा. बाकिर एकरा से निकहा बुझा जाई कि बाजार के खेल कइसे कइसे चलेला.
सोनी आ जील के करार टूटला के खबर जब आइल त अगिला दिने जील के शेयर गोता मार दिहलसि. बाकिर गँवे-गँवे कुछ सुधारो देखे के मिलल. शुरु में लिखले बानीं कि केकर केकर लिहीं नाम, कमरी ओढ़ले सगरी गाँव. एही बीच मशहूर अंगरेजी अखबार इकानामिक टाइम्स में खबर छपल कि सोनी आ जील के विलय बचावे खातिर आखिरी कोशिश कइल जा रहल बा. कंपनी बाद में कहबो कइलसि कि ई खबर एकदम बेबुनियाद बा. बाकिर तबे ले त खेला हो चुकल रहुवे. इकानामिक टाइम्स के खबर का बाद बाजार में शानदार तेजी आ गइल आ वणिकन के झाँसा मेंं लेबे के साजिश सफल हो गइल. खबर बेबुनियाद रहल से अगिला दिने फेरू बाजार में जील के शेयर बड़हन गोता मार दिहलसि. पता ना कतना वणिक एह झाँस‌ा में आ के बरबादी का कगार पर आ गइल होखिहें. सेबी के चाहीं कि अइसनका बेबुनियाद खबर देबहुँ वालन के जाँच करे.
बाजार में शेयर के शुरुआत 2 जनवरी 2007 का दिने ई 100.15 रुपिया से भइल. 1 अक्टूबर का दिने ई 158.60 के पहिलका शिखर बनवलसि बाकिर ओकरा बाद 1 जनवरी 2009 का दिने पहिलका पेंदी बनवलसि 38.95 के. बाकिर ओकरा बाद दाम सुधरत गइल आ 1 जनवरी 2018 वाला कैण्डल में ई दुसरका आ अबहीं तकले के सबले बड़का शिखर बनवलसि 593.50 के. एकरा बाद से दाम लगातार गिरत गइल आ 1 जनवरी 2020 वाला कैण्डल में ई नया गोता मरलसि 111.00 तक के.

ओकरा बाद जब सोनी का साथे एकरा विलय के चरचा चले लागल त दाम फेरू बढ़त गइल आ 1 अक्टूबर 2021 वाला कैण्डल में फेरु एगो शिखर बनवलसि 374.60 के. बाकिर तबले कुछ कुछ सुनाए लागल आ अनेसा बने लागल कि पता ना विलय हो पाई कि ना. 20 जनवरी 2024 का दिने खबर आइए गइल कि सोनी आपन करार रद्द कर दिहलसि. एह खबर अइला का बाद जब बाजार मंगल 24 जनवरी 2024 का दिने खुलल त जील के दाम गोता मार के 152.50 के पेंदी बना दिहलसि. फेरु दाम सुधरत गइल आ जब इकानामिक टाइम्स आपन खेला कइलसि त 20 फरवरी 2024 का दिने जील के शेयर 205.25 तक ले चढ़ गइल. बाकिर जब पता चलल कि ई खबर बेबुनियाद बा त ओहि दिने ऊपरी बेरा दाम गिरबो कइल आ 192.65 पर बन्द भइल.

तबले फेरु खबर आ गइल कि सेबी के लागत बा कि जी कंपनी में 2000 करोड़ रुपिया से बेसी के गोलमाल कइल गइल बा. पता ना इहो खबर सही बा कि ना काहे कि जी कंपनी के सफाई आ गइल बा कि ई खबर साँच नइखे. अब फैसला सेबी के करे के बा कि का सही बा आ का गलत बाकिर वणिकन के बरबादी त फेर एक बेर होईए गइल. आज जील शेयर के दाम लगातार गिरत 164.60 पर बन्द भइल बा.

अतना चरचा करे के मकसद इहे बा कि वणिकन के चाहीं कि बहुते सोच-समुझ के खरीद-बेसाह कइल करे लोग. हाल फिलहाल के घटना ई बतावे ला पर्याप्त बा कि कवनो सलाहकार, कवनो चैनल, कवनो अखबार, कवनो वेबसाइट पर वणिक लोग विश्वास मत करे. एहिमें अंजोरियो के शामिल कर लीं काहें कि हमरो पक्का खबर नइखे कि का सही बा आ का गलत. बाकिर जल्दिए हम एगो अइसनो पोस्ट लिखब जवना में कोशिश होखी कि अगर अइसनका में कवनो वणिक फँस जासु त ओकरा से निकसे के राह का आ कइसे हो सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up