दिल्ली आ देश अइसन बड़का विरोध प्रदर्शन कबो ना देखलेे रहल

by | Mar 23, 2024 | 0 comments

Photo is the screen grab of Associated Press video

कट्टर ईमानदार नेता अरविन्द केजरीवाल केे शराब घोटाला का केेस मेें अदालत रिमांड पर दे दिहलसि अरविन्द केेजरीवाल केे. उमेद त रहबे करुवेे कि एह अत्याचार का खिलाफ देश के जनता एगो नया जनक्रांति कर दी. सपा मुखिया अखिलेेश यादव त ट्वीटो क दिहलन कि केेन्द्र सरकार केे एह अत्याचार का खिलाफ देश मेें एगो नया जनक्राति के शुरुआत करा दी.

ईडी का खिलाफ विरोध प्रदर्शन मेें इंडी गठबन्हन के लोग जमीन सेे आसमान ले गरदा उड़ा दी समुचा देश आशा भरल निगाहन सेे तिकवत रहुवेे. क्रांति सेे होखेे वाला हर असुविधा खातिर देश के जनता पहिलहीं सेे तइयार रहुवे. आ भइबो कइल कुछ अइसने.

हमरो उमेद अइसनेे कुछ रहुवेे बाकिर जब देखनी कि देश के मीडिया मेें अइसनका कुछ नइखे होखत त सोचनी काहेे़ ना कवनो विदेशी मीडिया के रपट खोजल जाव. आ अमेरिका के एगो न्यूज एजेन्सी एसोसिएटेेड प्रेेस केे रपट मिलिये गइल. सोचनी कि काहे ना भोजपुरी मेें दुनिया केे पहिलका वेेबसाइट अंजोरिया डॉट कॉम केे पाठकन सेे ई रपट शेयर कर दीं. रउरो सभे देखीं कि कतना विशाल जनसमर्थन उठ खड़ा भइल बा देश में. दिल्ली के लोग त अतना विशाल विरोध प्रदर्शन कबो देखबे ना कइलसि. ओहू बेेरा ना जब अन्ना का नेतृत्व मेें केजरीवाल अपना राजनीति के बीजारोपण कइले रहलन.

देख केे त इहे लागत बा कि शायद अब तानाशाह मोदी सरकार केे आँख खुल जाई. दुनिया अइसनका तानाशाह आजु लेे ना देखलसि जेेेकरा केे विरोधी जतना मन करे गरिया लेेव, जवनेे मन करेे तवने अछरंग लगा देसु आ ऊ पूरा आजादी देव एह काम ला अपना विरोधियन के. अब ओहू तानाशाह केे बुझा गइल होखी कि अरविनद केजरीवाल कवनो आदमी ना एगो विचार केे नाम हऽ जइसे कि कांग्रेेस का बारे मेें राहुल गाँधी केे दावा रहेेला.

इंडी गठबन्हन के लोग में नया उत्साह केे संचार हो गइल बा. ओह लोग केे अब उमेदे ना पूरा विश्वास हो गइल बा कि आजु ना त काल्हु, काल्हु ना त अगिला हफ्ता, अगिलो हफ्ता ना त अगिला महीना देश केे जनता सड़कन पर उतर आई तानाशाह मोदी के तानाशाही के हमेशा हमेशा ला दफन करा दी. दफन करावे के बात एही से कहल जात बा कि सगरी इंडी गठबन्हन सनातन आ हिन्दूत्व केे नाश करेे ला तत्पर बा. आ एही कारण दाह संस्कार भा अंतिम संस्कार के बात नइखे करत लोग.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up