दुनिया भर में लोकतंत्र के सभले बड़का उत्सव के पहिलका दौर

by | Apr 18, 2024 | 0 comments

भारत के चुनाव आयुक्तन के ई फोटो चुनाव आयोग के वेबसाइट से लीहल गइल बा.

काल्हु 19 अप्रैल 2024 शनिचर का दिने दुनिया के सभले बड़का लोकतंत्र भारत में लोकसभा चुनाव 2024 के पहिलका दौर के मतदान होखे जा रहल बा.

चुनाव आयोग के अधिकृत प्रेस विज्ञप्ति में बतावल गइल बा कि दू साल के अथक मेहनत का के परिणति के पहिलका चरण काल्हु बढ़े जा रहल बा. देश के 102 लोकसभा के 16.63 करोड़ मतदाता 1.87 लाख मतदान केन्द्र पर 18 लाख मतदान कर्मियन का देखरेख में आपन संसद चुनिहें.

चुनाव आयोग एह काम ला सगरी तइयारी कर लिहले बिया आ मतदाता लोगन के पूरा उत्साह का साथ बड़हन संख्या में एह में सक्रिय भागीदारी करे खातिर नेवतले बावे. दुनिया के कवनो देश में अतना बड़हन पैमाना पर मतदान ना होखे. देश के 18 वीं लोकसभा के चुनाव का साथही चार गो विधानोसभा के चुनाव होखे जा रहल बा. चुनाव आयोग स्वतंत्र निष्पक्ष शान्तिपूर्ण आ सहज भागीदारी का साथ ई चुनाव करवावे खातिर आपन प्रतिबद्धता जतवले बावे. एकरा ला तइयारी पिछला दू साल से चल रहल बा आ एह काम में बहुते संस्थन के सहजोग लीहल गइल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार अउर चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार आ सुखबीर सिंह संधु आजु पहिलका दौर के चुनाव ला अपना तइयारियन के पूरा कइलें.

चुनाव के अगिला छह गो चरण क्रमवार 1 जून 2024 ले चली आ एहमें कुल मिला के 97 करोड़ मतदाता शरीक होइहें. चुनाव आयोग के प्रेस वार्ता रउरा नीचे सुन सकीलें –

अब आईं लोकसभा चुनाव 2024 के पहिलका चरण के कुछ खास बिन्दुवन के चरचा कर लीहल जाव.
पहिला चरण के चुनाव 102 लोकसभा क्षेत्र में होखे जा रहल बा. एहमें 73 गो सामान्य, 11 गो अनुसूचित जनजाति, आ 18 गो क्षेत्र अनुसूचित जाति ला आरक्षित बा. ई लोकसभा क्षेत्र देश के 21 गो राज्य में आ अरुणांचल प्रदेश आ सिक्किम राज्यन के 92 गो विधानसभा सीट के प्रतिनिधियन के चुनी. चुनाव के साातो चरण में ई सभले बड़का चरण होखे जा रहल बा आ संसद के 20 फीसदी सांसदन के चुनाव एह चरण में हो जाई.
चुनाव 7 बजे सबेरे से शुरु होके 6 बजे साॅझ ले मतदान कइल जा सकेला.

एह चरण में 8.4 करोड़ पुरुष मतदाता, 8.23 करोड़ महिला मतदाता, आ 11371 गो उभयलिंगी अपना मताधिकार के प्रयोग करिहें. एहमें कुल मिला के 35.67 लाख मतदाता पहिला बेर मतदान करे वाला बाड़ें. 20 से 29 बरीस के आयुसीमा के 3.51 करोड़ मतदाता काल्हु मतदान करे वाला बाड़ें.

लोकसभा में कुल 1625 गो उम्मीदवार बाड़ें जवना में से 1491 पुरुष आ 134 गो महिला उम्मीदवार बाड़ी. उभयलिंगी उम्मीदवारन के जिक्र एह विज्ञप्ति में नइखे.

मतदान करावे ला 41 गो हेलीकाप्टर 84 गो विशेष ट्रेन आ करीब 1 लाख वाहनन के लगावल गइल बा जे मतदान कर्मियन के मतदान केन्द्र ले चहुँपइहें आ फेर ओहिजा से वापिस ले अइहें.

करीब पचास फीसदी मतदान केन्द्र के वेबकास्टिंग करावल जाई.

आयोग के सहायता करे ला 361 गो प्रत्यक्षदर्शी रहिहें जवना में से 167 जने के जिम्मे उम्मिदवारन के खरचा पर नजर राखे के जिम्मेदारी बा.

अब हमनी नागरिकन के ई जिम्मेदारी बा कि बिना कवनो बहकावा में अइले, जाति, मजहब, लिंग, भाषा, राज्य, भा समुदाय के हितरक्षा से उपर उठ के देश के सर्वांगीण विकास ला अपना मताधिकार के प्रयोग बड़हन संख्या में करीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up