ना गवाह ना अपराधी सीधे सरगना बता दिहलसि ईडी

by | Mar 22, 2024 | 0 comments

Photo from the screengrab from youtube.com

आ.आ.पा. केे सयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के आजु जब राऊज एवेन्यू के विशेष अदालत मेें पेेश कइलसि त केजरीवाल के कई सवालन के सीधा जवाब दे दिहलसि. हर समन पर अरविन्द केेजरीवाल पूछत रहलन कि उनुका के कवना हैैसियत मेें बोलावल चाहत बिया ईडी. ईडी तब त जवाब ना दिहलसि एको बेर, बाकिर आजु अदालत मेें कह दिहलसि कि ऊ अरविन्द केेजरीवाल केे ना गवाह मानत बिया ना कवनो अपराध मेें शामिल अपराधी. कहलसि कि अरविन्द केेजरीवाल त शराब घोटाला के सरगना हउवन.

अरविन्द केेजरीवाल का तरफ से हाजिर बड़का वकील साहब के सगरी दलील बेेकार हो गइल आ अदालत आ.आ.पा. केे सयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री केेे छह दिन का रिमांड पर ईडी के सँउप दिहलसि.

एहसेे पहिलेे आआपा रातुओ गइल रहुवेे सुप्रीम कोर्ट बाकिर जब भारत के मुख्य न्यायाधीश जरुरत ना समुझलन कि एह काम खातिर रात मेेें अदालत चलावल जाव त कह दिहलसि कि काल्हु सबेरेे एह मामिला के सुनवाई कइल जाई.

सुनवाई शुरु भइल त दूगो न्यायाधीशन के पीठ कहलसि कि एह मामिला केे सुनवाई तीन गो न्यायाधीशन वाली पीठ करी. ई सुनतेे आ पीठ के जानकारी मिलतेे केजरीवाल केे वकील आपन गोहार वापिस ले लिहलन. कहलन कि चूंकि आजुवे केजरीवाल केे रिमांड खातिर सुनवाई निचली अदालत मेें होखे जा रहल बा त पहिलेे ओह अदालत के फैैसला देखला का बादे सोचल जाई कि मामिला सुप्रीम कोर्ट का सोझा लेे आइल जाव कि ना.

ईडी दस दिन का रिमांड पर मंगले रहल केेजरीवाल के बाकिर अदालत महज छह दिन के रिमांड देबेे केे फैसला कइलसि. छह दिन लेे अब ‘कहऽ कुटुम्ब मन केहन करैह’ कइला का बाद देखल जाव कि का होखत बा.

अदालत में केजरीवाल का तरफ सेे वरिष्ठ अधिवक्ता अभिषेक मनु सिंघवी, विक्रम चौधरी, आ रमेश गुप्ता आपन आपन दलील पेेश कइलन. जबकि ईडी का तरफ से अतिरिक्त सॉलिसिटर जनरल एस वी राजू आपन दलील रखलन.

देखे के त इहो बा कि दिल्ली केे मुख्यमंत्री पद पर रहते केजरीवाल जेल भा हिरासत से कइसेे सरकार चलावल बाड़न. काहे कि केजरीवाल साफ कह दिहलन कि ऊ इस्तीफा ना दिहें आ जब ले जिनिगी रही तब लेे देेश के ‘सेवा’ करत रहीहें.

ओने केजरीवाल केे जन्मदाता अन्ना हजारे कहलन कि उनुका कवनो दुख नइखे कि केजरीवाल गिरफ्तार हो गइलन. दुख त एह बात के बा कि ई आदमी शराब के घोटाला में धराइल बा.

भोजपुरी मेें कवनो अइसन समाचार चैनल नइखे सेे हिन्दी के एगो बहस देखावल चाहत बानी जवना के एंकर हउवन अमिताभ अग्निहोत्री –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up