बूथ लूटेरन के सपना सपने रहि गइल

by | Apr 26, 2024 | 0 comments

देश के सर्वोच्च न्यायालय में चल रहल एगो मुकदमा पर पोलिंग बूथ लूटेवालन के आँख गड़ल रहुवे. बहुते उमेद में रहले सँ कि अदालत जवन फैसला दी तवने से ओकनी के पौ बारह हो जाई आ फेरु से वोटिंग में माफिया आ बाहूबलियन के चलती हो जाई.

बाकिर ई सपना सपने रहि गइल जब सर्वोच्च न्यायालय के दू गो जजन के पीठ एकसुरिए फैसला सुना दिहलसि कि ईवीएम से मतदान के मौजूदा प्रणाली बरकरार रही.

एगो गैरसरकारी संगठन एएफडीआर का तरफ से अदालत से गोहार कइल गइल रहुवे कि या त पुरनका सिस्टम फेरु से बहाल कर दीहल जाव भा सगरी वीवीपैट पर्चियन के गिनल जाव आ ओकरे आधार पर चुनाव के फैसला कइल जाव.

न्यायमूर्ति संजीव खन्ना अउर न्यायमूर्ति दीपांकर दत्ता के पीठ ओह एनजीओ के दलील ना मनलसि आ कहलसि कि ईवीएम-वीवीपैट प्रणाली पर निराधार अविश्वास कइला से अनुचित संदेह पलप जाई.

विघ्नसंतोषियन के मन राखे खातिर चुनाव आयोग से कहल गइल बा कि चुनाव हो गइला का बाद जब परिणाम घोषित हो जाव त ओकरा बाद सात दिन के समय दीहल जाव जवना से दुसरका भा तिसरका जगहा पर आइल उमीदवार आपन शिकायत दर्ज कर सकसु आ ओकरा बाद ईवीएम मशीन बनावे वाली कंपनियन के इंजीनियर सत्यापित करसु कि मशीन का साथे कवनो तरह के छेड़-छाड़ नइखे कइल गइल. अदालत विघ्नसंतोषियन से एह प्रक्रिया पर लागे वाला सगरी खर्चा वसूले के आदेशो दिहले बिया.

अदालत के फैसला का बाद चुनाव आयोग आ लोकतंत्रप्रेमी राहत के साँस लेत बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up