हमके निंबुआ बिना तरसवलऽ बलमुआ, तोहरा से राजी ना

by | Feb 12, 2024 | 0 comments

(फोटो https://vidhansabha.bih.nic.in/pdf/m से )

(फोटो https://vidhansabha.bih.nic.in/pdf/m से )

भोजपुरी के एगो लोकप्रिय गीत हवे –
तोहरा से राजी ना ए बलमुआ, तोहरा से राजी ना.
हमके निंबुआ बिना तरसवलऽ बलमुआ, तोहरा से राजी ना.

आजु बिहार विधान सभा में एह सत्र के तिसरका नीतीश सरकार के विश्वास मत का दौरान एगो गजबे खेला हो गइल. कई दिन से फँउकत लालू पुत्र तेजस्वी यादव के दावा रहुवे कि खेला त अब होई. शुरु भलही चाचा कइले होखसु, खतम त भतिजवे करी. लोग के, आ ओहू ले अधिका मीडिया के महारथियनो के बुझात रहुवे कि जरुरे लालू पुत्र तेजस्वी का तरकस में कवनो अइसन तीर बा जवना से ऊ तीर चुनाव चिह्न वाला गोल जदयू के कुछ विधायक तूड़े में सफल हो जइहें.

आजु सबेरे ले का कहल जाव, दुपहरिया ले मीडिया के महारथी बेचैन रहलन कि कवनो तरह तेजस्वी के खेला हो जाव आ भाजपा के विरोध में एगो नया तीर मिल जाव. बाकिर अफसोस अइसन हो ना सकल. आ जवन भइल तवना के अनेसा सपनो में तेजस्वी ना कइले होखिहें. उनुकरे तीन गो विधायक पाला बदल लिहलेंं आ नीतीश का साथे हो गइलें. एहमें से दू जने – जेल से रिहाई पा के आइल आनन्द मोहन के पुत्र चेतन आनन्द आ मोकामा के बाहुबली का रुप में जानल जाए वाला अनंत सिंह के पत्नी नीलम यादव – का बारे में त कहल जा सकेला कि एह लोग पर कुछ दबाव बनावल गइल होखी. बाकिर प्रह्लाद यादव का बारे में अइसन कवनो बात ना कहा सके. आ साँच मानी त सबले अधिका झटका प्रह्लादे का पाला बदले के पड़ल होखी तेजस्वी पर.

अब आईं प्रह्लाद यादव का बारे में कुछ अउर जानकारी ले लीहल जाव.

1 मई 1960 के जनमल प्रह्लाद यादव बरीस 2015 से लगातार तीन बेर से विधायकी जीतत आइल बाड़न. बिहार के लखिसराय जिला के सूर्यगढ़ा से राजद के चुनिन्दा गढ़न में गिनवाए वाला प्रह्लाद के लालू परिवार कबो एह जोग ना बुझलसि कि उनुका के मंत्री बनावल जाय. जबकि स्वाभाविक रुप से उनुकर मनसा रहल होखी कि राजद उनको के मंत्री बनवा के उनुकर सम्मान करो. बाकिर वंशवादी राजनीति में जातो के ओतना भाव ना दीहल जाला जतना अपना परिवार के. राबड़ी, तेजप्रताप, तेजस्वी, साधु वगैरह के त मंत्री बनावल जा सकेला बाकिर यादव प्रह्लाद जइसन लोग एह जोग ना मानल जाव.
फोड़ा के इलाज ना होखे त एक ना एक दिन फूटबे करी आ तब सगरी मवाद बाहर निकल आई. आजुवो उहे भइल. सात बरीस से अपना प्रोमोशन ला तिकवत प्रह्लाद यादव के लागल होखी कि राजद में त शायद उनुका भाव ना मिले बाकिर जदयू में उनुका के भाव जरुर मिल जाई. आ इहो एगो संजोगे कहाई कि राजद के जवन तीन गो विधायक टूटलें ओहमें से एगो भूमिहार, एगो राजपूत, आ एगो यादव शामिल बाड़ें.

उमेद कइल त बेकार बा बाकिर सोचल जा सकेला कि शायद अब राजद अपना पुरान आ पोढ़ विधायकन के सम्मान करी आ सगरी मलाई अपने परिवार में ना बाँट गो थोड़ बहुत बाकिओ लोग के खिआई ना त कम से कम चटावत त जरूर रही.
से खेला त जरुर हो गइल बाकिर ओकरे साथे जे खेला होखे के दम भरत रहुवे. देखल जाव कि खेला होबे वाला नारा गढ़े वाली ममता के खेल कइसन रहत बा अगिला लोकसभा चुनाव में.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up