टटका खबर, सोमार, 5 जून 2017

by | Jun 5, 2017 | 0 comments


भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन – इसरो – आजु अंतरिक्ष के क्षेत्र में एगो बड़हन उपलब्धि हासिल करत आपन आजु तकले के सबले भारी आ शक्तिशाली रॉकेट जीएसएलवी मार्क-3 से भारतीय संचार उपग्रह जीसैट-19 के सफल प्रक्षेपण आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा से कइलसि. एकरा पहिले भारी उपग्रहन के छोड़े खातिर विदेश के सहायता लेबे के पड़त रहे. बाकिर अब ई काम खुदे क के इसरो एगो नया कीर्तिमान गढ़ दिहलसि. एह सफलता प राष्ट्रपति प्रणव मुख़र्जी, उपराष्ट्रपति मोहम्मद अंसारी आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी इसरो के वैज्ञानिकों के बधाई दिहले बाड़ें आ एकरा से देश के गौरव बढ़े के बात कहले बाड़ें.

बलिया के रसड़ा कोतवाली इलाका के रेखहां गाँव के दू गो फरीकन में काल्हु रात झगड़ा का बाद भइल मारपीट में एगो नवही के मौत हो गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बाड़ें.

मुकदमा के मनमाफिक फैसला देबे से मना कइला प कुछ लोग केराकत के तहसीलदार प्रेम कुमार राय के घवाहिल क दिहलें. बतावल जात बा कि डियूटी प जाए ला तहसीलदार जब अपना डेरा से निकललन त बाहर कुछ लोग उनुका से एगो मुकदमा में अपना पक्ष में फैसला देबे के कहल. आ तहसीलदार के एहसे मना कइला प उनुका प हमला बोल दीहल. ॉ

जौनपुर जिला जेल में जिला प्रशासन के छापा का दौरान एगो कैदी का लगे मोबाइल फोन बरामद भइल. एह छापा में जिलाधिकारी सर्वज्ञराम मिश्र, पुलिस अधीक्षक शैलेश कुमार पाण्डेय, अपर पुलिस अधीक्षक (नगर) डा. अनिल कुमार पाण्डेय, नगर मजिस्ट्रेट इन्द्रभुषण वर्मा, पुलिस क्षेत्राधिकारी (नगर) अमित राय वगैरह अधिकारी शामिल रहलें.

सोनभद्र के बभनी इलाका में एगो गाड़ी के पलटी मरला का बाद दू जने के मौत हो गइल आ नौ जने घवाहिल हो गइलें. ई लोग छत्तीसगढ़ के घटाकुड के निवासी रहल आ अपना बहू के विदाई करावे ला बभनी इलाका के खैराडीह गांव आवत रहुवे. एही बीच करमघट्टी गांव का लगे गाड़ी खाई में पलट गइल.

कैमूर जिला के कुदरा इलाका में बसहीं गाँव का नियरा भोजपुर जिला के जगदीशपुर इलाका के श्रीभगवान सिंह के लाश एगो सुनसान जगहा से बरामद भइल बा. लाश प गोली लगला के कई गो निशान बा.

पूर्वी चंपारण जिले के कल्याणपुर इलाका के बड़हरवा गांव में जमीन का झगड़ा में एगो औरत के पीट पीट के जान ले लीहल गइल. मरे वाली औरत के उमिर करीब साठ बरीस के रहल.

सारण जिला के मकेर इलाका के भाथा पंचायत के मुखिया नीलम सिंह के पति अनिल सिंह के गोली मार के जान ले लीहल गइल बा. अनिलो सिंह भाथा गाँव के मुखिया रहल रहलन. एगो बिआह से मोटरसाइकिल से लवटत घरी भाथा चौक प पहिले से घात लगा के बइठल कुछ लोग उनुका के गोली मार के घवाहिल क दीहल. पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल लेके चहुँपला प डाक्टर उनुका के मर चुकल घोषित क दीहलें.

सोनभद्र के चोपन इलाका के कनौरा गाँव के प्रधान रमेश मौर्या का काल्हु रात दू गो बदमाश गोली मार के हत्या क दीहले सँ. दवा के कारोबारी से दवाई खरीदे का नाम प दोकान खोलववले सँ आ जब ऊ घरे जाए खातिर घूमलें त पीछे से गोली मार दीहले सँ.

पश्चिम चंपारण जिला के बलथर इलाका में माझर पुल के नियरा मोटरसाइकिल से जात चनपटिया के चूड़ा मिल मालिक भरतजी प्रसाद के गोली मारके जान ले लीहल गइल आ उनुका लगे से तीन लाख रुपिया लूट ले गइले सँ. भरतजी प्रसाद सिकटा से तगादा वसूली क के अपना एगो कर्मचारी साथे चनपटिया आवत रहले जब ई वाकया भइल.

मिर्जापुर के जिगना इलाका में काल्हु जयमाल होखत घरी एगो नवही दुलहिन के माँग प सेनूर फेंक दिहलसि. एकरा बाद दुलहा बिआह करे से मना क दिहलसि. बाद में दुलहिन के बिआह ओही नवही से करा दीहल गइल जे सेनूर फेंकले रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up