भोजपुरी पट्टी के टटका खबर, बियफे 3 सितम्बर 2020 के

by | Sep 4, 2020 | 0 comments

वाराणसी जिला के मंडुवाडीह इलाका के नैपुरवां गाँव में एगो डेढ़ बरीस के लड़िका के मौत घर में राखल पानी के टब में गिरला का चलते हो गइल. चार गो बहिन का बाद ओकर जनम भइल रहुवे.

रोहतास जिला के भानस पुलिस चौकी इलाका में कटियारा गाँव का लगे बियफे का दिन एगो संदिग्ध कार के तलाशी का बाद ओहमें चरस आ गाँजा के बड़हन खेप मिलला का बाद दू गो तस्करन के गिरफ्तार कर लीहल गइल.

कुशीनगर जिला के कप्तानगंज इलाका के बोदरवार सुधियानी का लगे साखोपार नहर पर बनल रेल पुल पर एगो आदमी ट्रेन का सोझा कूद के आपन जान दे दिहलसि.

बस्ती जिला के गाँवन में सरकारी निर्माण का काम में भइल लापरवाही आ धांधली मिलला का बाद इलाका के सात गो ग्राम पंचायत अधिकारियन के निलंबित कर दीहल गइल बा.

कुशीनगर जिला के तरयासुजान इलाका के धरमपुर पश्चिम टोला में बियाहल भुलिया अगरवा गाँव के लईकी के मौत बियफे का दिने हो गइल. ससुरारी के लोग ओकर दाह संस्कार ला घाट पर आइल रहुवे. दाह संस्कार का बीचे पुलिस के आवत देखि के ऊ लोग दरत चिता छोड़ के भाग पराइल.

रोहतास जिला के राजपुर इलाका के बिसेनीकला गाँव का लगे एगो पोखरा से गाँव के एगो आदमी के लाश बरामद भइल बा.

गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका के परसापुर का लगे भइल एगो सड़क हादसा में मोटर साइकिल से अपना भतीजा भतीजी लेके लवटत वजीरगंज इलाका के रायपुर गाँव के एगो आदमी घवाहिल हो गइल बाकिर पीछे बइठल भतीजा भतीजी के मौत हो गइल.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में चांदपुरा गाँव के एगो आदमी के बिजली के करंट लगला का चलते मौत हो गइल. ऊ पानी के मोटर बिजली से जोड़े के कोशिश करत रहुवे जब ओकरा झटका लागल. बेहोश आदमी के बाद में अस्पताल में मौत हो गइल.

मोतिहारी के कोटवा इलाका के मछरगाँवा पंचायत के फतुहा गाँव में पटीदारन का बीच जमीन विवाद में भइल मारपीट में एगो आदमी के मौत हो गइल आ छह लोग घवाहिल हो गइलें.

बलिया जिला के रसड़ा में एगो नवही के पुलिस पिटाई से नाराज गाँव वाले पहिले सड़क जाम कइल आ बाद में पुलिस पर पथराव कइल शुरु कर दीहल. बाद में अउरी पुलिस चहँपा का बाद हालात काबू हो पावल.

सारण जिला के मशरक इलाका के इब्राहिमपुर गाँव के एगो डेढ़ बरीस के लड़िका घर का सोझा सड़क पर खेलत रहुवे जब एगो ऑटो रिक्शा के चपेटा में आ गइल आ एह हादसा में ओकर मौत हो गइल. ऑटो वाला भाग पराइल.

बस्ती जिला के हरैया इलाका में अयोध्या रोड पर महाराजगंज बाजार का लगे भइल सड़क हादसा में ट्रक से कचरा के तीन गो मजदूरन के मौत हो गइल.

जौनपुर जिला के सछलीशहर इलाका में एगो स्कार्पियो ठेलावाला के बचावे का कोशिश में परसपुर गाँव का लगे पलटि गइल. ओहपर सपार सिकरारा इलाका के नेवढ़िया गाँव के तीन लोग के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up