कुख्यात पवन चौधरी के गिरफ्तारी से आरा में राहत

by | Apr 19, 2018 | 0 comments


आरा, 19 अप्रैल. पटना आ भोजपुर में दहशत के दोसर नाम बन चुकल सीरियल किलर पवन चौधरी के उदवंतनगर इलाका के बेलाउर गाँव से मंगल का दिने पुलिस के स्पेशल टीम गिरफ्तार क लिहलसि.
पुलिस सूत्रन के कहना बा कि पवन जेल में बंद अपना आका रंजीत चौधरी का इशारा पर वारदात करत रहुवे आ ओकरे कहला पर डॉक्टरन आ व्यवसायिय से रंगदारी वसूले के काम करत रहुवे. मंगलो का दिने ऊ कवनो वारदाते करे आइल रहुवे बाकिर पुलिस के भनक मिल गइल आ ओकरा के ध लिहलसि. ओकरा लगे से दू गो पिस्तौल आ कुछ जिन्दा कारतूसो बरामद भइल.
बुध का दिने पवन के गिरफ्तारी के पुष्टि करत एसपी अवकाश कुमार ई जानकारी मीडिया के दिहलन. पूछताछ में पवन चौधरी आपन बहुते राज खोल दिहलसि. कहलसि कि ऊ रुपिया ले के केहू के काम करवावत रहुवे आ काम करवला का बाद जे रुपिया देबे में आनाकानी करत रहुवे उनुकर कामो तमाम कर देत रहुवे.
पवन चौधरी का खिलाफ नाहियो त डेढ़ दर्जन मुकदमा पटना आ भोजपुर जिलन में दर्ज बा. ओकरा कुछ सफेदपौशन के संरक्षण मिलत रहुवे जवना चलते ऊ बाचल चलत रहुवे. एइसन कुछ सलोग के नाम सामने अइला का बाद अब ओहू लोग पर फेरा घूमे के अनेसा बन गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up