चारा घोटालेबाज लालू के गोल काल्हु पेट्रोल-डीजल के दाम बढ़ला पर विरोध प्रदर्शन करी

by | May 25, 2018 | 0 comments


पटना 25 मई. जेल के सजा काटे का दौरान इलाज का नाम पर जमानत पर छूटल चारा घोटालेबाज लालू के गोल राष्ट्रीय जनता दल(राजद) आजु कहलसि कि ऊ केन्द्र में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) नीत नरेन्द्र मोदी सरकार के राज में पेट्रोल-डीजल के दाम लगातार बढञत गइला का खिलाफ बिहार भर में विरोध जुतूस निकाली.
राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आ कबो केन्द्रीय मंत्री रहल रघुवंश प्रसाद सिंह आजु राजद के प्रदेश कार्यालय में रेघरियवलन कि मोदी का राज में पेट्रोल-डीजल के दाम लगातार बढ़ले जात बा आ अब पेट्रोल 83 रुपिया आ डीजल 72 रुपिया लीटर से अधिका पर बेचात बा. पूछलन कि अबहीं ले पेट्रोल-डीजल के जीएसटी का दायरा में काहे नइखे ले आवल गइल. उनुकर कहना बा कि देश में लोग हाहाकार करत बा.
रघुवंश प्रसाद इहो कहलन कि पाकिस्तान में पेट्रोल 44 रुपिया आ डीजल 51.15 रुपिया लीटर बेचात बा. बेचारु के मालूम नइखे कि पाकिस्तान के हालत अतना खस्ताहाल बा कि ओकरे लगे आपन जरुरत पूरा करे लायक पइसा नइखे रहि गइल. रघुवंश इहो ना बतवलन कि जब जनता में अतना हाहाकार मचल बा त लोग बवाल काहे नइखे काटत जबकि देश के तमाम विरोधी गोल जनता के भड़कावे में लागल बाड़े. शायद रघुवंश प्रसाद जइसन लोग के ई शिकायत एहसे बा कि सरकार पेट्रोल-डीजल से मिले वाला धन से देश के गरीब जनता ला खरचत बिया जवना चलते विरोधियन के दाल नइखे गल पावत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up