चौदह गो खबर, 18 मार्च 2018, अतवार

by | Mar 19, 2018 | 0 comments


हम के बागी नेता नरेंद्र सिंह जदयू में शामिल होखिहें
पटना 18 मार्च (वार्ता) हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा (हम) के बागी नेता नरेंद्र सिंह गोल पर दावा करत अपना समर्थकन समेत राजग के घटक जनता दल यूनाईटेड में शामिल होखे के एलान कइलन. कहलन कि गोल के बइठक में जीतन राम माँझी के हटा के सीनियर नेता नेता गजेन्द्र मांझी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मनोनित कइल गइल. आ एकरा बाद जदयू में विलय के एकमत फैसला लीहल गइल. कहलन कि राजद के जंगल राज का खिलाफ ऊ लमहर लड़ाई लड़ले बाड़न आ ओकरा से हाथ मिला के जीतन राम मांझी कार्यकर्तन के पीठ में छुरा घोंपे के काम कइले बाड़न.


पूर्वांचल राज्य बनवावे ला लड़ल जाई निर्णायक लड़ाई : राजभर
बस्ती 18 मार्च (वार्ता). सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी (भासपा) अलग पूर्वांचल राज्य बनवावे ला योगी सरकार से निर्णायक लड़ाई के ऐलान कइले बावे.
भासपा अध्यक्ष आ योगी सरकार में पिछड़ा वर्ग कल्याण मंत्री ओम प्रकाश राजभर एह बाति के एलान करत कहलन कि प्रदेश के 22 करोड़ आबादी के एगो बड़हन हिस्सा पूर्वांचल में रहेला आ
विडंबना बा कि इहे इलाका सभले पिछड़ल आ गरीब बा. एकर समाधान ला राज्य के बँटवारा जरुरी बा आ भासपा एकरा ला लड़ाई तब ले लड़ी जबले पूर्वांचल राज्य बन नइखे जात.


ट्रेन के आगे कूद के जान दिहलसि
डालटनगंज 18 मार्च (वार्ता). झारखंड के पलामू जिला में डालटनगंज टीसन का लगे रेदमा निवासी सुनीता देवी ट्रेन के आगे कूद के आपन जान दे दिहलसि. कारण अबहीं पता नइखे चलल. पुलिस लाश पोस्टमॉर्टम ला सदर अस्पताल भेज दिहलसि.


सोनभद्र में सड़क हादसा में मोटरसाइकिल प जात बूढ़ महिला के मौत
सोनभद्र 18 मार्च (वार्ता) सोनभद्र के चोपन इलाका में करगरा मोड़ का लगे ट्रक का धक्का से मोटरसाइकिल पर जात बिल्ली मारकून्डी इलाका के मोती चंद के पत्नी प्रभावती(65) के मौत हो गइल आ मौतीचंद घवाहिल हो गइलें.


गाजीपुर में मकान तूड़त घरी मजदूर के मौत
गाजीपुर, 18 मार्च (वार्ता). बिरनो इलाका के नसरतपुर गांव में फोरलेन में अधिग्रहीत मकान के छत तूड़त में मुकेश राम (18) नाम के एगो मजदूर के मलबा में दबइले से मौत हो गइल. एकरा बाद मुआवजा मांगत लोग एनएच- 29 जाम क दीहल. मौका पर पहुंचल थानाध्यक्ष धर्मवीर सिंह मकान मालिक से एक लाख रुपिया दिअवलन आ हर सम्भव प्रशासनिक सहायता के आस दिला के जाम हटवलन.


ऑटोरिक्शा आ बस के टक्कर में एक जनो के मौत
डालटनगंज 18 मार्च (वार्ता). झारखंड में पलामू जिला के छतरपुर इलाका में राष्ट्रीय राजमार्ग 98 पर चिगोना मोड़ का लगे ऑटोरिक्शा के बस से धक्का लगला का बाद ऑटोरिक्शा पलटि गइल आ डालटनगंज से आवत 17 बरीस के बिट्टू पासवान के ओहिजे मौत हो गइल आ ओकर पिता सीताराम पासवान आ माता फुदनी देवी घवाहिल हो गइली.


गोलीबारी में एक जने के मौत, नौ जने घवाहिल
सासाराम 18 मार्च (वार्ता). रोहतास जिला के करगहर इलाका के सेमरिया गाँव में घास कटला ले के भइल झगड़ा में भइल गोलीबारी से होमगार्ड के एगो जवान के बेटा विमलेश कुमार (35) के ओहिजे मौत हो गइल आ परिवार के नव गो बेकत धवाहिल हो गइलें. एह मामिला में दस जने का खिलाफ नामजद मुकदमा लिखाइल बा. आरोपी फरार हो गइल बाड़ें.


देवरिया में एगो छात्रा फांसी तगवलसि
देवरिया, 18 मार्च (वार्ता). मदनपुर इलाका के समोगर गांव के रहे वाली आ बीआरडीपीजी कालेज बरहज में स्नातक प्रथम वर्ष के छात्रा मोबाइल फोन पर केहू से बतियावत रहे. एकरा ला घर के लोग ओकरा के डाँटल आ पढ़ाई पर मन लगावे के कहल. एहसे नाराज छात्रा बिना खइले अपना छोट बहिन का साथे छत पर सूते चल गइल. सबेरे ओकरा के ना देख के खोजाई भइल त नीचे स्टोर रूम में ओकर फाँसी लगा के लटकल लाश मिलल. पुलिस लाश पोस्टमार्टम ला भेजके जांच करत बिया.


जौनपुर में सर्राफा व्यवसायी से अढ़ाई लाख के लूट
जौनपुर, 18 मार्च (वार्ता) महाराजगंज इलाका के सवंसा गांव के रहे वाला सर्राफा व्यवसायी दीपक सोनी दुपहरिया करीब 11 बजे महराजगंज के अपना दुकान से मोटरसाइकिल से सराय त्रिलोकी जात रहुवे जब पीछा लागल बदमाश बाजार से पहिलहीं ओकरा के घेर लिहले आ असलहा से धमकावत ओकर मोटरसाइकिल, नकदी, आ लाखों के आभूषण लेके भाग परइलें. पीड़ित व्यसायी बदलापुर थाना पहुंचके घटना के जानकारी दिहलसि.


दू गो बचवन का साथे तालाब में कूदिके जान दिहलसि महतारी
भभुआ 18 मार्च (वार्ता). कैमूर जिला के मोहनिया इलाका के मसाढ़ी गांव के मेराज अंसारी के पत्नी हनीफ बीबी (30) पारिवारिक कलह से तंग आके अपना दू गो बचवन का साथे तालाब में कूदिके खुदकुशी क लिहलसि. मेराज अंसारी भदौही में नौकरी करेला आ ओह घरी घरे ना रहुवे.


सोनभद्र में ट्रैक्टर-ट्राली पलटला से चालक समेत दू जने के मौत
सोनभद्र, 18 मार्च (वार्ता). घोरावल कोतवाली इलाका में ट्रैक्टर-ट्राली पलत गइला का चलते ओकर चालक शिल्पी गांव के राम सिंह (22) आ गोविन्द (40) के मौत हो गइल. ई लोग ट्रैक्टर बनवा के घोरावल से घरे लवटच रहुवे जब कोलिया घाट का लगे बेकाबू ट्रैक्टर ट्राली पलत गइल आ दुनु जने नीचे दबा गइलन. दुनु जने के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र घोरावल चहुंपावल गइल त ओहिजा डॉक्टर दुनु के मरल घोषित कर दिहलें.


बलिया में पेड़ गिरला से दू जने के मौत
बलिया,17 मार्च (वार्ता). बलिया के बैरिया इलाका में शनिचर का दिने सोनबरसा गांव का लगे एगो सूखल पेड़ गिरला से मोटरसाइकिल से जात लक्ष्मण छपरा के प्रकाश यादव (21) आ उनुका चाची इन्द्रावती (40) के मौत हो गइल.


गोरखपुर में एगो औरत फांसी लगवलसि
गोरखपुर,17 मार्च (वार्ता). पिपराइच वार्ड नं. आठ के रहे वाली सुमन देवी शुक का राति खाना खइला का बाद अपना कोठरी में सूते चल गइल बाकिर शनिचर के सबेरे ओकर लाश फाँसी पर लटकल मिलल. ओकरा नइहर के लोग एकरा के हत्या बतावत बाड़ें.


मिर्जापुर में अपना बाप के कुदारी से काटि दिहलसि बेटा
मिर्जापुर, 17 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के अहरौरा इलाका के सरिया गांव के आदित्य सिंह (65) हाल ही में शिक्षक पद से रिटायर भइल रहलें. उनुका दू गो बेटा रहलें सँ. पइसा आ जमीन ले के एह लोग में हमेशा झगड़ा होखत रहुवे आ एही झगड़ा में बड़का बेटा अशोक उनका के कुदारी से काटि के जान ले लिहलसि आ फरार हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up