टटका खबर, अतवार 6 सितम्बर 2020 के

by | Sep 7, 2020 | 0 comments

बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक दोसरा के गोड़ तर से जमीन खींचे के दाँव-पेंच हो रहल बा. शुरुआत नीतीश का तरफ से भइल दलित दाँव का नाम पर जीतेनराम माँझी के अपना पाला में शामिल क के. एह से अनसाइल लोजपा अब बगावत का मूड में आ गइल बावे. सोमार 7 सितम्बर के लोजपा अपना नेतवन के बइठक बोलवले बिया जवना में तय होखी कि बिहार चुनाव में नीतीश का साथे रहल जाव कि ना. वइसे इहो संकेत दीहल जा रहल बा कि केन्द्र आ बिहार में भाजपा के साथ ना छोड़ी लोजपा बाकिर जदयू के दादागिरिओ बरदाश्त ना करी.
जान जाईं कि बरीस 2005 में केन्द्र के कांग्रेसी सरकार में लालू के राजद आ रामविलास के लोजपा दुनू शामिल रहे. बाकिर बिहार विधानसभा चुनाव में लोजपा राजद के खिलाफ हो के लड़ल आ लालू राज के खतम करावे में सफल हो गइल रहे.

अपना हाथ में कुछउ ना रह गइला का बादो बँवारा गिरोह के दिमाग आसमाने पर बा. अब ऊ भाजपा के बतावल चाहत बिया कि राज्यसभा खातिर होखे वाला चुनाव में ऊ केकरा के टिकट देव. यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी के पाती भेजि के भाकपा के सचिव अतुल कुमार अनजान कहले बाड़न कि प्रदेश से राज्यसभा के नौ गो सांसदन के चुनाव होखे जा रहल बा आ भाजपा एह चुनाव में प्रदेशे के चेहरन के टिकट देव बाहरी लोगन के आपन उमीदवार मत बनावे. हो सकेला कि भाजपा के कुछ लोग अनजान से एह तरह के पाती पठववले होखे. जान जाईं कि प्रदेश में विधायकन के संख्या का आधार पर भाजपा के सात गो सदस्य सांसद बनीहें. एगो सांसद बनावे के औकात समाजवादी गोल का लगे बा. सगरी विपक्ष एकजुट हो के कोशिश करो त एगो अउर सांसद बनवा सकेला. बाकिर इहो तय मानीं कि भाजपा आठ गो से कम उमीदवार ना लड़ाई आ कोशिश करी कि नउवां सांसद ला विपक्ष में सेन्हमारी क के जीत जाव.

कांग्रेस सुधारे के कोशिश करेवाला 23 जने के औकात बतावे में लाग गइल बिया कांग्रेस. उत्तर प्रदेश के कमेटियन से एह 23 में शामिल रहल जितिन प्रसाद आ राज बब्बर के नाम गायब. आरपीएनो सिंह के नाम कवनो कमेटी में नइखे डालल गइल. अबहीं ले यूपी में जितिन प्रसाद के कांग्रेस के ब्राह्मण चेहरा देखावल बतावत जात रहुवे. आ एही कमेटियन पर जिम्मा बा यूपी कांग्रेस में जान फूंके के.

बिहार चुनाव में जदयू के ऑनलाइल रैली का तरहे कांग्रेसो आपन रैली करे के एलान कइले बिया. ओकरो रैली सोमार साते सितम्बर के करावल जाई. ई जानकारी देत प्रदेश कांग्रेस बोलतुआ राजेश राठौर कहले बाड़न कि कांग्रेस आपन बिहार क्रान्ति ऑनलाइन महासम्मेलन के शुरुआत 07 सितंबर से पश्चिम चम्पारण से करी.

लालू के राजद से छरपि के नीतीश का जदयू में आइल विधान पार्षद मो. कमर आलम के जदयू आपन राष्ट्रीय महासचिव बनावे के एलान कइले बिया. ई जानकारी जदयू के एगो बड़ नेता अनिल हेगड़े दिहलें.

पूर्वोत्तर रेलवे के छपरा जंक्शन के रेलवे सुरक्षा बल निगरानी टीम सारण जिला के एकमा इलाका के परसागढ बाजार में एगो साइबर कैफे पर छापा मारि के संचालक के गिरफ्तार कर लिहलसि. साइबर कैफे से 10342 रुपये के ई-टिकट, 16 हजार रुपए के पुरान टिकट, 2500 रुपये नकद, दू गो मॉनिटर, दू गो सीपीयू, तीन गो लैपटॉप, एगो स्कैनर, दू गो लेजर प्रिंटर आ दू गो मोबाइल फोन जब्त क लिहलसि. निगरानी टीम के दावा बा कि एह कैफे से करोड़ों रुपिया के टिकटन के कालाबाजारी भइल बा.

गोपालगंज जिला के कटेया इलाका के पानन गांव के एगो आदमी के हत्या दू गो बाइक से आइल अपराधी गोली मार के कर दिहलें आ बाद में फायर करत फरार हो गइलें.

पश्चिम चंपारण जिला के सहोदरा इलाका में नेपाल का तरफ से आवत एगो आदमी के तलाशी से ओकरा झोरा से चार किलो गाँजा बरामद भइल. एकरा बाद ओह तस्कर के गिरफ्तार कर लीहल गइल.

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के हसनपुरा गांव के एगो नवही पारिवारिक विवाद का बाद शनिचर का राति फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. पता भोरे लागल जब ओकरा कोठरी के दरवाजा ना खुलला का बाद जंगला से झाँक के देखल घर के लोग.

जौनपुर के नेवढिया इलाका में सर्राफा व्यापारी के हत्या आ लूट के आरोपी अपराधी लव सिंह पहलवान के पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया.

पश्चिम चंपारण जिला के मुजफ्फरपुर-नरकटियागंज रेलखंड पर अतवार का भोरे बेतिया आ कुमारबाग टीसन का बीच एगो आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल बा.

कुशीनगर जिला में कुबेरस्थान इलाका के कठकुइया टोला कटहरी में अतवार का भोरे सड़क पर खड़ा तीन गो नवहियन के कचारत एगो तेज रफ्तार पिकअप भाग निकलल.

बस्ती जिला के राम जानकी चौराहे पर संत कबीर नगर से आवत एगो कार ट्रक से टकरा गइल आ एह हादसा में कार पर सवार एगो आदमी ठावे पर मर गइल. चार जने घवाहिल हो गइल बाड़ें.

संतकबीरनगर जिला में धर्मसिंहवा इलाका के दू गो नवहियन के मौत ठनका गिरला का जलते हो गइल. एह हादसा में दस जने अउरो झँउस गइल बाड़े.

जौनपुर जिला के सिकरारा इलाका में मिनी ट्रक आ मोटरसाइकिल के टक्कर से सतलपुर गांव के एगो नवही आ पीछे बइठल उनुका बाप के मौत हो गइल. ट्रक चालक हादसा का बाद भाग निकलल.

सारण जिला के पानापुर इलाका के भोरहा गांव के एगो औरत के मौत मैदाने गइला का दौरान बाढ़ का पानी में डूबला से हो गइल.

गोण्डा नगर कोतवाली इलाका के आवास विकास कालोनी में एगो नवही अपना भउजाई के जान ले लिहलसि आइल घर के अउरिओ लोग के घवाहिल करत भाग निकलल.

जौनपुर जिला के मीरगंज इलाका में ट्रैक्टर आ बस के टक्कर में ट्रैक्टर पर सवार एगो मजदूर के मोत हो गइल आ तीन गो घवाहिल हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up