टटका खबर, बुध, वैशाख अँजोरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

by | May 12, 2021 | 0 comments

जन अधिकार पार्टी के अध्यक्ष सांसद रह चुकल राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के काल्हु मंगल का दिने पुलिस लॉकडाउन के नियम ना माने का आरोप में गिरफ्चार कर लिहलसि. एकर जानकारी ऊ खुद ट्वीट क के दिहलें. बाकिर पुलिस के कहना बा कि अबहीं उनुका के रोकल गइल बा गिरफ्तारी नइखे भइल. अब खबर आइल बा कि पप्पू यादव के मनसा पुरावे खातिर अपहरण के एगो पुरान मामिला में पप्पू यादव का खिलाफ मधेपुरा में निकलल वारंट ले के उनुका के गिरफ्तार करे खातिर मधेपुरा पुलिस पटना आइल बिया आ गिरफ्तारी खातिर कागजी कार्रवाई हो रहल बा. पप्पू यादव अब आरोप लगावत बाड़न कि सरकार के साजिश बा कि उऩुका के कोरोना पॉजिटीव बना के मार दीहल जाय. राजनीतिक बयानबाजिओ सरकार का खिलाफ शुरु हो गइल बा.

काल्हु मंगल का दिने जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग जिला में सुरक्षा बल मुठभेड़ में लश्करे तैयबा के तीन गो आतंकवादियन के मार गिरवलें.

प्रयागराज पुलिस नवाबगंज इलका से तीन गो बदमाशन के एगो असलहा दुकान से लूटल असलहन का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

रोहतास जिला के दरिहट बाजार के दूगो आदमी अंतिम संस्कार क के नदी में नहाए गइलें आ गहीर पानी में चल गइला से डूब गइलें.

सारण जिला के मशरक इलाका में इसुआपुर थाना के डटरा पुरसौली गांव के रहे वाला एगो चिकित्साकर्मी से हनुमानगंज गांव का लगे तीन गो मोटरसाइकिलन पर सवार छहगो बदमाश माटरसाइकिल आ मोबाइल छीन के फरार हो गइले सँ.

यूपी के महराजगंज जिला के करहिया का लगे हाईवे पर सोमार देर रात बरातियन से भरल कार सोझा से आवत ट्रक से टकरा गइल आ एह हादसा में पांच गो बरातियन के मौत ठाँवे पर हो गइल. तीन जने घवाहिलन के गोरखपुर अस्पाल भेजल गइल बा.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के पैगंबरपुर गाँव का बगइचा में एगो फेंड़ पर लटकल लाश बरामद भइल, मरे वाला गाँवे के एगो नवही का रुप में भइल बा.

बस्ती जिला के पैकोलिया इलाका के इमलियाधीश गाँव के दू गो फरीकन का बीच भइल मारपीट में कई जने घवाहिल हो गइलें पुलिस दुनु फरीक के दू दर्जन लोग पर मुकदमा दर्ज कइले बिया.

रोहतास जिला के संझौली इलाका में सिकठी गाँव का लगे एगो सड़क हादसा में बाइक सवार चार लोग के मौत हो गइल. कवना गाड़ी से एह लोग के धक्का लागल एकर पता ना चल पावल.

देश के शेयर बाजार काल्हु बिकवाली के दबाव में गिरावट का साथे बंद भइल.सेंसेक्स 341 अंक आ निफ्टी 92 अंक गिर के बंद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up