टटका खबर, 17 मार्च 2018, शनिचर

by | Mar 18, 2018 | 0 comments

वाराणसी से बलिया का बीच रेलविद्युतीकरण पूरा, अप्रैल से चली इलैक्ट्रिक इंजन
वाराणसी, 17 मार्च (वार्ता). दिल्ली से बिहार आ पूर्वोत्तर ओरि जाए वाला वैकल्पिक मार्ग इलाहाबाद-वाराणसी-बलिया रेल लाइन के विद्युतीकरण पूरा हो गइल बा आ अब 1 अप्रैल से एह लाइन पर बिजली के इंजन से गाड़ी चले लगीहें सँ.
रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा, रेलवे बोर्ड सदस्य (ट्रैक्शन) घनश्याम सिंह, पूर्वोत्तर रेलवे के महाप्रबंधक राजीव अग्रवाल शनिचर का दिने वाराणसी बलिया रेलखंड के निरीक्षण कइलें आ औड़िंहार पर ट्रैक्शन सब स्टेशन के उद्घाटन कइलें. औंड़िहार में बनत डेमू अनुरक्षण कार्यशाला के कामो के जायजा लीहल लोग. आ गाजीपुर में गंगानदी पर ताड़ीघाट में बनत रेल सह रोड पुल के बनला के स्थलीय निरीक्षणो कइल लोग.
बतावल गइल कि सैदपुर में विद्युत इंजन कार्यशाला बनावल जाई जेहसै एह रुट के बिजली इंजनन के अनुरक्षण खातिर मुगलसराय भेजे के जरुरत ना पड़ी.
मनोज सिन्हा कहलें कि छपरा तक के विद्युतीकरण के काम एही साल सितंबर ले पूरा हो जाई. छपरा से बरौनी ले आ वाराणसी से सुल्तानपुर होखत लखनऊ ले के दोहरीक़रण आ विद्युतीकरण पहिलहीं हो चुकल बा.


मंडुवाडीह टीसन के नाम बदल के बनारस हो जाई
वाराणसी, 17 मार्च (वार्ता) भारतीय रेलवे वाराणसी के मंडुवाडीह टीसन के नाम बदले पर विचार करत बिया आ एकरा के शायद बनारस नाम दिहल जाई. रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कहलें कि वाराणसी आ काशी के नाम पर पहिलहीं से टीसन बाड़ी सँ बाकिर बनारस नाम से नइखे.


चारा घोटाला मामिला के फैसला अब सोमार का दिने
रांची 17मार्च (वार्ता). चारा घोटाला के दुमका कोषागार से नाजायज निकासी वाला मामिला पर फैसला अब सोमार का दिने आई. चारा घोटाला में पहिलहीं से जेल में बन्द लालू प्रसाद यादव के वकील अनंत कुमार विज बतवलें कि राज्य के करीब 42 गो न्यायाधीश दू दिन के ट्रेनिंग पर गइल बाड़ें एहसे अदालत आपन फैसला दू दिन ला टार दिहले बिया. एह मामिला में बिहार के दू गो पहिले रहल मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव आ जगन्नाथ मिश्रा समेत 31 जने आरोपी बाड़ें.
एही बीच लालू के तबियत बिगड़ला का बाद उनुका के रिम्स में भर्ती करावल गइल बा. बतावल जात बा कि तीन दिन से उनुका कब्ज हो गइल बा. रिम्स में लालू यादव के भर्ती भइला का चलते ओहिजा सुरक्षा बढ़ा दीहल गइल बा.


जौनपुर में सर्राफा व्यवसायी से दू लाख के लूट
जौनपुर, 17 मार्च (वार्ता). जौनपुर के बरसठी बाजार का लगे दू गो मोटरसाइकिल पर सवार चार गो बदमाश सुखलालगंज के सर्राफा व्यवसायी नन्दलाल के रोक के पिटाई कइलें सँ आ उनुका से गहना वाला बैग छीन के भाग गइले सँ. नन्दलाल मियाचक से आपन दुकान बंद क के घरे जात रहलें जब ई लूट भइल.


बिहार ला विशेष दर्जा के लड़ाई जारी रहेगा: जदयू
पटना 17 मार्च (वार्ता) आंध्र प्रदेश कॆ विशेष राज्य के दर्जा ना मिलला से नाराज तेलुगू देशम पार्टी के राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन से अलग हो गइला का बाद बिहार के मुख्य विपक्षी गोल राजद जदयू पर हमलावर हो गइल बावे आ नीतीश कुमार के उकसावत बावे के उहो बिहार ला विशेष दर्जा के मांग पर दबाव बनावसु.
एह हमला पर पलटवार करत जदयू के बोलतुआ आ विधान पार्षद नीरज कुमार कहलन कि उनुकर गोल 2005 से एकर मांग करत आइल बिया आ आगहूं करत रही. कहलन कि राजदो त बतावे कि ऊ एह मांग ला आजु ले का कइले बिया. राजद जब केंद्र आ राज्य दुनु का सत्ता में रहल तब त लालू अपना ला संपत्ति बिटोरे में लागल रहलें आ अब जब सत्ता छीना गइल बा आ जोल चहुँप गइल बाड़ें त उनुका बिहार के फिकिर होखे लागल बा.


जौनपुर में 25 हज़ार रुपिया के इनामी शातिर अपराधी गिरफ्तार
जौनपुर, 17 मार्च(वार्ता) जौनपुर के सरपतहां इलाका से शनिचर का दिने पुलिस आ एसटीएफ मिल के मुठभेड़ कइलें आ 25 हज़ार रुपिया के इनामी शातिर बदमाश पारामानिक गांव के चन्द्र तिवारी के गिरफ्तार क लिहलें. मुठभेड़ अखंडनगर इलाका के अरसिया में भइल. एह अपराधी का खिलाफ जौनपुर आ सुल्तानपुर समेत कई जिलन में 28 गो आपराधिक मुकदमा दर्ज बा. है।


गोण्डा में लव जिहाद के मुकदमा दर्ज
गोण्डा, 17 मार्च (वार्ता) गोण्डा नगर कोतवाली इलाका के सतईपुरवा इलाका के एगो औरत केस लिखववले बिया कि देहात कोतवाली के सालपुर चौकी का लगे रहे वाला नसीर अपना के हिन्दू बताके बड़ागांव इलाका के खैरा मंदिर में दिसम्बर 2017 में ओकरा से बिआह रचवलसि. बाद में पता चलल कि ऊ मुसलमान ह आ ओकरा के मारत पीटत ओकरा पर इस्लाम कबूल करे के दबाव बनावे लागल. केहू तरह ओकरा चंगुल से भगला का बाद ऊ केस लिखवावत बिया. ओकर कहना बा कि बिआह में मिलल दू लाख रुपियो ले के नसीर फरार हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up