टटका खबर, 23 फरवरी 2018, शुक

by | Feb 23, 2018 | 0 comments

23 फरवरी (वार्ता)

फूलपुर संसदीय क्षेत्र से दू जने आपन नाम वापिस ले लिहलन
फूलपुर आ गोरखपुर संसदीय सीट पर 11 मार्च के होखा वाली उपचुनाव ला नाम वापसी के आखिरी दिने फूलपुर से दू गो उम्मीदवार – अपना दल के प्रेमचन्द्र आ निर्दलीय सुशीला सिंह – आपन परचा वापिस ले लीहल लोग. गोरखपुर से केहू नाम वापिस नइखे लिहले. अब फूलपुर से 22 गो आ गोरखपुर से 10 गो उम्मीदवार चुनावी मैदान में रह गइल बाड़ें.
————–
कुशीनगर में बंद बोरा में मिलल नवहिन के लाश
कुशीनगर के जटहा बाजार इलाका के कंठीछपरा गांव के पोखरा से एगो बंद बोरा में छुरेछपरा गांव के 18 बरीस के एगो लड़की अँजली के लाश मिलल. अंजली के पिता पुर्नवासी सैनी कहतारें कि ऊ 27 दिसम्बर के रात में घर से गायब हो गइल रहल आ एकर रिपोर्ट थाना में दर्ज करवले रहलें.
——————-
देवरिया के बनकटा इलाका से 29 पेटी शराब बरामद
देवरिया के बनकटा इलाका से तस्करी क के बिहार ले जाइल जात 29 पेटी शराब एगो स्कार्पियों गाड़ी में से बरामद भइल बा. ओह गाड़ी में सवार लोग पुलिस के देखि के भाग पराइल. एह लोग के नाम पता चलि गइल बा. भागे वाला लोग, देवरिया के सुखनन्दन यादव आ बिहार के मनीष कुमार, का खिलाफ मुकदमा दर्ज कइल गइल बा. लिया।
———-
गोरखपुर में दू जगहा से 53 लाख रूपिया बरामद
गोरखपुर लोकसभा उपचुनाव में आचार संहिता के कड़ाई से पालन करावे खातिर प्रशासन के सक्रियता का चलते आजु दू जगहा से कुल्ह 53 लाख रूपिया के नगदी बरामद कइल गइल. कोतवाली इलाका के विजय चौराहा पर बैंकन के रुपिया ढोवे वाली कंपनी सीएमएस का वैन से बिना कागजात 46 लाख रूपिया मिलल. आ सहजनवा इलाका के एगो व्यापारी विनीत अग्रवाल के कार से सात लाख रूपिया. ई रुपिया विनीत अग्रवाल फैक्ट्री से घरे ले के आवत रहलें. बरामद धन आयकर विभाग के सउँप दिआइल बा आ विभाग एकर जाँच करत बा.
——————–
राजद नेता आ लालू के सार सुभाष यादव के पांच ठिकानन पर छापा पड़ल
शुक 23 फरवरी का दिने आयकर विभाग राजद नेता आ बालू कारोबारी सुभाष यादव के पांच गो ठिकाना पर एके साथ छापेमारी कर दिहलसि. एह छापा मारी में का मिलल भा काहे भइल एकरा बारे में अबहीं आयकर विभाग कुछ नइखे बतवले. दानापुर के मां मरिछिया देवी कॉम्पलेक्स में सुभाष यादव के आठ गो फ्लैट बा. एहीमें से एगो में सुभाष के आवासो पर छापा पड़ल.
————-
सपा से विधायक रहल मुक्तिनाथ यादव के निधन
देवरिया के रूद्रपुर से विधायक रहल आ समाजवादी गोल के पुरान नेता मुक्तिनाथ यादव के आजु शुक का दिने भोर में लखनऊ के पीजीआई में हो गइल जहाँ उनुका के मधुमेह के बीमारी के इलाज ला भरती करावल गइल रहे. 72 बरीस के मुक्तिनाथ यादव रुद्रपुर इलाका के नगवा कन्हौली गाँव के निवासी रहलन. ऊ रुद्रपुर से बरीस 1989 में जनता दल आ 1993 में सपा का टिकट पर विधायक चुनाइल रहलें. एमए, बीएड, एलएलबी पास मुक्तिनाथ यादव गोरखपुर के चरगांवा इण्टर कालेज में प्रवक्ता आ शिवधरिया इण्टर कालेज में प्रधानाचार्यो रह चुकल रहलन.
—————————-
घरे घरे घूम के टीबी मरीजन के खोजल जाई
मऊ में काल्हु 24 फरवरी से दस दिन के एगो अभियान चला के टीबी के मरीजन के खोजल जाई आ ओह लोग के दवाई दीहल जाई. जिला के कुल्ह 44812 घरन में मरीजन के खोजबीन करे ला 89 टीम बनावल गइल बा आ 20 गो सुपरवाइजरो तय कइल गइल बा.
———————–
रोहतास में बस पलटल, दस यात्री घाहिल
सासाराम 23 फरवरी (वार्ता). पटना से सवारी ले के भभुआ जात एगो बस विक्रमगंज-नटवार मार्ग पर बेकाबू हो के पलट गइल. एह हादसा में नाहियो त दस जने घवाहिल हो गइलें. गाँव वालन के सहयोग से एह लोग के स्थानीय प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र में भरती करावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up