टटका खबर, 26 फरवरी 2018, सोमार

by | Feb 27, 2018 | 0 comments


26 फरवरी (वार्ता).
लोकतंत्र बरियार करे में पत्रकारिता के निष्पक्षता जरूरी : कहलें राधामोहन
केंद्रीय कृषि आ किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह आजु मौतिहारी में जर्नलिस्ट वेलफेयर सोसाइटी के पहिलका स्थापना दिवस समारोह आ राष्ट्रीय सेमिनार का उद्घाटन के बाद संबोधित करत कहलन कि भारत के पत्रकारिता के अतीत बहुते गौरवशाली रहल बा आ आजादी के लड़ाई आ आजाद भारत में एकर भूमिका बहुते खास रहल बा. कहलन कि समाज के आइना देखाके जगावे के काम पत्रकारन के बा.
प्रसार भारती के सलाहकार आ वरिष्ठ पत्रकार उमेश चतुर्वेदी कहलन कि 30 मई 1826 का दिन हिंदी पत्रकारिता में अखबार के शुरुआत से ले के आजु ले बहुले कुछ बदलल बा. पहिलका प्रेस आयोग 29 मई 1957 के आ दुसरका प्रेस आयोग 21 अप्रैल 1980 के बनल रहे. अब तिसरका प्रेस आयोग बनवावे ला एगो सशक्त आन्दोलन के रुरत लागत बा.


नेपाली शराब बरामद
पश्चिम चंपारण जिला के वाल्मीकिनगर इलाका में मुखबिर से मिलल जानकारी का बाद साधु घाट का नियरा नाकेबंदी क के तलाशी शुरू भइल त एगो बोरा में लुकावल 1600 बोतल नेपाली शराब बरामद कइल गइल. एकर दाम करीब आठ लाख लगावल गइल बा.


मौजूदा अधिकारियन का रहते गोरखपुर में निष्पक्ष चुनाव होखल मुश्किल : सपा
सपा गोल के प्रदेश अध्यक्ष नरेश उत्तम पटेल के कहना बा कि गोरखपुर उपचुनाव में गड़बडी के अनेसा बा आ एहिजा निष्पक्ष चुनाव होखल मुश्किल बा काहे कि एहिजा तैनात कई अधिकारियन पर न्यायालय प्रतिकूल टिपण्णी कइले बिया. आरोप लगवलन कि एहिता प्रशासनिक मशीनरी के दुरूपयोग कइल जा रहल बा.


गांजा तस्करी मामिला के दोषी के पांच बरीस जेल
छपरा के एगो अदालत साल 2016 में धराइल गांजा तस्करी के मामिला के दोषी के आजु पांच बरीस जेल के सजा सुनवलसि. अमनौर इलाका के परशुरामपुर गाँव के मदन सिंह के मादक पदार्थ अधिनियम के अलग-अलग धारा में ई सजा सुनावल गइल बा. 18 नवम्बर 2016 का दिने परशुरामपुर में मदन सिंह का घर से प्लास्टिक के दू गो झोरो में लुका के राखल साढ़े तीन किलो गांजा बरामद करत उनुका के गिरफ्तार कइल गइल रहे.


सोनभद्र में नवही ट्रेन का आगे कूदके जान दिहलसि
सोनभद्र के विण्ढ़मगंज इलाका में सलैयाडीह गांव का लगे रेल लाइन पर आजु एगो नवही के कटाइल लाश मिलल. ओकरा लगे से बरामद वोटर आईडी आ सुसाइड नोट का आधार पर ओकर पहिचान भइल. झारखण्ड के भवनाथपुर के जगदीश राम बतवलन कि 22 बरीस के उनुका बेटा के आशनाई गांव के एगो लड़िकी से रहल. एह पर बइठल पंचायत में फैसला भइल कि ऊ लड़िकी ओकरा बाप आ भाई समेत ओकरो के भरल पंचायत में 25-25 चप्पल मारी. ऊ लड़िकी एकरा बाद तीनो जने के चप्पल मरलसि. एह बेइज्जति से दुखी हो के चन्द्रदेव घर से निकलल. ओकरा बाद हो सकेला कि लड़िकी के घर वाले ओकरा के मार के रेल लाइन पर फेंक दिहलें.
पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला का बादे पुलिस अगिला कार्रवाई करी.


गोण्डा जिला मजिस्ट्रेट कार्यालय से इलेक्ट्रानिक उपकरण चोरी
गोण्डा के नगर कोतवाली इलाका में जिला मजिस्ट्रेट न्यायालय परिसर के कार्यालय से इलेक्ट्रानिक उपकरण चोरी कर लीहल गइल बा. अपर पुलिस अधीक्षक ह्रदयेश प्रसाद बतवलें कि खिड़की का रास्ते घुस के कम्प्यूटर प्रिंटर, लैपटॉप आ अउरी दामी उपकरण चोरा लीहल गइल बा. सबेरे आफिस खुलल तब चोरी के पता लागल.


सोनभद्र में ट्रक के चपेटा से नवही के मौत
सोनभद्र के अनपरा इलाका मे रेनुसागर के अनिल बिहारी (30) मोटरसाइकिल से अनपरा जात रहुवे जब औड़ी मोड़ का लगे सामने से आवत कोयल के ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसि, अनिल के मौत ठाँवे पर हो गइल. लाश पोस्टमार्टम ला भेज दीहल गइल. पुलिस ट्रक चालक के खोजत बिया,


मिर्जापुर में दर्शन करे गइल श्रद्धालु बूढ़ी के मौत
विश्व प्रसिद्ध विन्ध्याचल धाम में कुण्डा (प्रतापगढ़) के 80 बरीस उमिर के बूढ़ी मालती देवी अपना देवर विजय कुमार के परिवार का साथे नाती का मुण्डन आ दर्शन-पूजन करे आइल रहली. गंगा नहा के जब ऊ माँ विन्ध्यवासिनी के दर्शन करे जात रहली ओही बीच अचके में उनुकर मौत हो गइल. एकरा के स्वाभाविक मृत्यु मानत पुलिस पंचनामा करा के उनुकर लाश परिजनन के सउँप दिहलसि.


गाजीपुर में करंट लगला से एगो आदमी के मौत
गाजीपुर के कोतवाली इलाका के सकरताली गांव के नवल नाथ शर्मा (45) पंखा के तार ठीक करत रहलें जब उनुका के करंट लोग गइल. आनन फानन में उनुका के जिला अस्पताल चहुँपावल गइल बाकिर तबले उनुकर मौत हो गइल रहुवे.
एगो दोसरा हादसा में गाजीपुर शहर कोतवाली इलाका में बैंक वाहन के चपेटा में आ के महादेवा निवासी श्याम सुंदर यादव (55) के मौत हो गइल. ऊ घरेलू सामान खरीदे बाजार आइल रहलन. हादसा का बाद वाहन चालक फरार हो गइल बा आ पुलिस ओकरा के खोजत बिया.


वाराणसी में सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार के मौत
वाराणसी के चौबेपुर इलाका में आजु सोमार का दिने सड़क हादसा में दौलतपुर के अवनेंद्र कुमार त्रिपाठी (50) के मौत हो गइल. ऊ अपना मोटरसाइकिल से सारनाथ मार्ग से जात रहलन जब उनुकर तेज रफ्तार मोटरसाइकिल बेकाबू होके पलट गइल. घवाहिल हाल में उनुका के दीनदयाल उपाध्याय जिला अस्पताल ले जाइल गइल बाकिर ओहिजा के डॉक्टर जांच का बाद उनुका के मर चुकल बता दिहलें.


सोनभद्र में सड़क हादसे में ग्राम प्रधान के मौत
सोनभद्र के दुद्धी इलाका में एगो औरत के बचावे का फेर में कटौली गाँव के प्रधान राम नरेश गोंड़ अपना मोटरसाइकिल से गिर गइलन. घवाहिल हालत में लोग उनुका के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र दुद्धी पर भरती करावल. ओहिजा से डॉाक्टर उनुका के जिला अस्पताल लो रेफर कर दिहलें आ राहे में उनुकर मौत हो गइल.
सोनभद्र से मिलल एगो दोसर खबर बा कि चोपन इलाका में आजु एगो आदमी के लाश पेड़ पर गमछा से लटकत मिलल. लाश उतार के ओकर पहचान करावे के कोशिश कइलसि पुलिस बाकिर पहचान नइखे हो पावल.


गोरखपुर में पेड़ का नीचे दबा के दू गो सगी बहिनन के मौत
गोरखपुर के गगहा इलाका में वन विभाग सड़क किनारे के पेड़ कटवावत रहुवे जब अतायर गाँव के एगो शादी समारोह से लवटि के जात मौटरसाइकिल पर एगो कटात पेड़ गिर पढ़स आ ओह पर सवार दू गो सगी बहिनन – 28 बरीस के मीरन आ 26 बरीस के राधा – के मौत हो गइल आ मोटरसाइकिल चलावत भाई अमन बहुते घहिल हो गइल. जिला चिकित्सालय में ओकरो हालत खराबे बतावत जात बा.


पेट्रोल पम्प मालिक से 10 लाख के लूट
रोहतास जिला के दिनारा इलाका में एगो पेट्रोल पम्प के मालिक 10 लाख रुपिया बैंक में जमा करावे जात रहलन जब दिनारा बाजार में पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी हथियार के बल पर उनुका के लूट लीहलें. विरोध कइला पर अपराधी फायर क दिहलें बाकिर गोली बगल से जात एगो स्कूली छात्रा पलक के गोड़ में लाग गइल. रुपिया लूट के बदमाश भाग निकललें.


सिद्धार्थनगर में 15 पेटी नेपाली शराब बरामद
सिद्धार्थनगर के देबरुआ क्षेत्र में 15 पेटी नेपाली शराब बरामद करत एगो तस्कर के गिरफ्तार कर लीहल गइल. बरामदगी देबरुआ इलाका के मुंह चोरवा घाट पर बढ़नी से लखनऊ जात जनरथ बस से भइल बा.


बलिया में अपमानजनक टिप्पणी पोस्ट करे का मामिला में दू जने गिरफ्तार
बलिया में सोशल नेटवर्किंग साइट पर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ देवी देवतन का बारे में अपमानजनक टिप्पणी पोस्ट करे का आरोप में दू गो आरोपी अनिल आ सन्नी कुमार के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. भीमपुरा क्षेत्र के बाराडीह लवाई पट्टी सतहवा गांव के साहिल, इंदल कुमार, अनिल आ सन्नी कुमार पिछला दिने फेसबुक आ व्हाट्सएप पर एगो वीडियो पोस्ट कइले रहलें जवना में ई अपमानजनक टिप्पणी कइल रहे. भारतीय जनता पार्टी के स्थानीय नेता धर्म देव सिंह का शिकायत पर चार जने पर केस दर्ज भइल बा.


आपसी रंजिश में गोली मारके हत्या
रोहतास जिला के अगरेर इलाका में आपसी रंजिश में बाराडीह गांव के 32 बरीस के शंकर राम के गोली मार के खून क दीहल गइल. पुलिस लाश बरामद क के पोस्टमार्टम ला भेज गिहले बिया.


महराजगंज में एसडीएम के ट्रैक्टर से कचारे के कोशिश
उत्तर प्रदेश में महराजगंज के फरेंदा क्षेत्र में खनन माफिया उपजिलाधिकारी (एसडीएम) के ट्रैक्टर से कचार मारे के कोशिश कइलें. एह मामिला में तीन जने के गिरफ्तार क लिहलिस पुलिस मुकदमा सात जने पर लिखाइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up