आरा, 18 अप्रैल. मंगल का दिने आरा टीडीएम के बेकाबू बेकाबू स्कॉर्पियो आरा शहर में जमके उत्पात मचवलसि. सरकारी गाड़ी का नशा में धुत चालक तीन आदमी के कचार दिहलसि. ओहिजा से निकलल त जज कोठी मोड़ का लगे एगो टेम्पो के ठोकर मार दिहलसि. एह पर सवार आठ लोग घवाहिल हो गइल.
बाद में लोग चालक के ध लिहलसि आ उनुकर पूरा धुलाई क दीहल लोग. गड़िओ के कुटाई हो गइल. बाद में पुलिस चहुँपल त चालक के अपना कब्जे में लिहलसि, चालक गुड्डू नशा में धुत रहु आ पुलिस का हाथो लगला का बादो अनाप-शनाप बकत रहुवे आ गरियावत रहल. बाद में जाँच का बाद ओकरा नशा में होखे के बाति साबित हो गइल.
टीडीएम साहब के कहना रहे कि गाड़ी में खराबी रहुवे आ ओकरे के ठीक करावे ला गुड्डू ऑफिस से गाड़ी लेके निकलल रहुवे.
0 Comments