तू हमरा थरिया में मीट खइलऽ, हम तोहरा थरिया में …

by | Jun 2, 2019 | 0 comments

एगो पुरान कहानी सुना के एह खबर के शुरुआत कइल चाहत बानी. दू गो भाई एके साथ रहलें बाकिर एक जने मांसाहारी त एक जने शाकाहारी रहलन. एह चलते अलगा परिवार ना होखला का बावजूद दुनु जने के थरिया बरतन अलग-अलग रहुवे. एक दिन मांसाहारी भाई गलती से कहीं भा दबंगई देखावे का फेर में शाकाहारी भाई का थरिया में मीट खा लिहलसि. ई सुनते शाकाहारी भाई खीसी अंगार हो गइलन आ कहलन कि तू हमरा थरिया में मीट खइलऽ त हम तहरा थरिया में गूह खाएब.

लोकसभा चुनाव में अकेलहीं बहुमत के लकीर पार कर चुकल भाजपा के मंत्रिमंडल में एनडीए का साथियनो के राखे के फैसता भइल. 18 गो सांसद वाला शिव सेना आ 16 गो सांसद वाला जदयू के एक एक गो कैबनेट मंत्री बनावे के तय भइल रहुवे. शिव सेना त हँसी खुशी मान गइल बाकिर नीतीश बाबू के ई बाति नागवार गुजरल. एक तरह से ऊ जायजे बाति कहलन कि मंत्री पद गोल के सांसदन का अनुपाल में मिले के चाहीं. ओह हिसाब से शिवसेना आ जदयू के दू दू गो मंत्री होखल चाहत रहुवे. नीतीश के शिकायत एहू पर बा कि उनुका जदयू के मनचाहा विभाग ना दे के सांकेतिक मौजूदगी दीहल जात बा. एह चलते ऊ एलान क दिहलें कि जदयू राजग एनडीए में त बनल रही बाकिर मंत्रीमंडल मं शामिल ना होखी.

पिछला लोकसभा चुनाव में जीतल बिहार के दू गो जदयू मंत्री राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह, अउर दिनेश चंद्र यादव के, आ लोजपा के पशुपति कुमार पारस का इस्तीफा दिहला से खाली जगहन के भरला का साथही मंत्रिमंडल विस्तार के मौका मिल गइल नीतीश कुमार के. आ ऊ लगले हाथ भाजपा से हिसाब किताब बराबरो क लेबे के फैसला क लिहलन. आजु सबेरे बिहार के राजभवन में राज्‍य के नीतीश मंत्रिमंडल के विस्तार करत मंत्रियन के किरिया धरावल गइल बाकिर एह विस्तार में ना त भाजपा के ना लोजपा के एको पद बढ़ावल गइल.

आजु जवन लोग मंत्री बनल ओहमें जदयू के अशोक चौधरी, श्‍याम रजक, बीमा भारती, नरेंद्र नारायण यादव, संजय झा, रामसेवक सिंह, लक्ष्‍मेश्‍वर राय आ नीरज कुमार के नाम शामिल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up