पटना 20 फरवरी (वार्ता) बिहार के अरिरया लोकसभा आ जहानाबाद अउऱ भभुआ विधानसभा उपचुनाव ला परचा दाखिला का आखिरी दिने आजु राजग के तीनों उम्मीदवार आपन आपन परचा दाखिल क दिहलें.
राज्य के उप मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी बैजू नाथ कुमार सिंह आजु बतवलें कि अररिया लोकसभा क्षेत्र से भारतीय जनता पार्टी के प्रदीप कुमार सिंह, जहानाबाद विधानसभा क्षेत्र से राजग के घटक जनता दल यूनाइटेड के अभिराम शर्मा आ भभुआ से भाजपा के रिंकी रानी पांडेय अउर कांग्रेस के शंभू सिंह पटेल आजु आपन आपन परटा दाखिल कइलें. अररिया लोकसभा सीट से कुल सात जने के पपरचा दाखिल भइल बा जबकि जहानाबाद विधानसभा क्षेत्र से दस जने के आ भभुआ विधानसभा क्षेत्र से 17 जने के परचा दाखिल भइल बा.
0 Comments