भोजपुरी पट्टी से आठ गो खबर. 20 मार्च 2018, मंगल

by | Mar 20, 2018 | 0 comments

(प्रतीक फोटो)

ट्रक आ ट्रैक्टर के टक्कर में एक आदमी के मौत
मोतिहारी 20 मार्च (वार्ता) पूर्वी चम्पारण जिला के पिपरा इलाका में राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या 28 पर दामोदरपुर गांव का लगे सोमार देरराति ऊँख लदले एगो ट्रक आ ट्रैक्टर का बीच सीध टक्कर हो गइल. एह हादसा में ट्रैक्टर पर सवार एगो आदमी के ओहिजे मौत हो गइल आ एगो अउर आदमी बहुते घवाहिल हो गइल. घवाहिल के मोतिहारी सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. पुलिस लाश कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि. बाकिर ओकर पहचान नइखे भइल.


घर में घुसके एक आदमी के खून
मिर्जापुर,20 मार्च (वार्ता) मिर्जापुर के बिध्याचल इलाका के महडौरा गांव में अपना घर में सूतव 40 बरीस उमिर के रणजीत के कुछ बदमाश सोमार राति घर में घुस के ओकर जान ले लिहलें आ फरार हो गइले. लोग के कहना बा कि रणजीत के केहु से रंजिश ना रहुवे.


वाहन से कचरा के एगो औरत के मौत
मऊ, 20 मार्च (वार्ता). मऊ शहर कोतवाली इलाका के सरायलनसी इलाका के अछार गांव के प्रमिला (40) के काल्हु कवनो वाहन से कचरइला से मौत हो गइल. ऊ एगो प्राइवेट हॉस्पिटल में दाई के काम करत रही आ काम से लवटि के घरे आवत रहुवी जब ई हादसा हो गइल.


तीन गो वाहन चोरन से एक दर्जन मोटरसाइकिल बरामद
सिद्धार्थ नगर, 20 मार्च (वार्ता) सिद्धार्थनगर के डुमरियागंज इलाका का हल्लौर कस्बा से पुलिस तीन गो वाहन चोरन के गिरफ्तार कर लहिलसि. ओहनी का लगे से एक दर्जन चोरावल मोटरसाइकिल बरामद भइल बा. पुलिस बतावत बिया कि अकबर अली, अब्दुल्लाह, अउर शकील चौधरी नाम के एह चोरन का लगे से दू गो चोरावल मोटरसाइकिल मिलला का बाद गिरफ्तार क लीहल गइल. बाद में अकबर अली का निशानदेही पर डुमरियागंज में ओकरा गैराज से अउरी दस गो चोरावल मोटरसाइकिल बरामद कइल गइल. एहनी के कहना बा कि चोरावल वाहन के नेपाल ले जा बेच देत रहले सँ.


सम्पत्ति का झगड़ा दू भाईयन के हत्या, महतारीओ घवाहिल
इलाहाबाद,19 मार्च (वार्ता) इलाहाबाद के नवाबगंज इलाका में सोमार के दिने कुछ लोग सम्पत्ति का झगड़ा में पसियापुर गांव के सगा भाईयन – अनिल कुमार (21) आ सुनील कुमार (18) – के जान ले लिहलें आ ओह लोग के महतारिओ के घवाहिल क दिहलें. महतारी सुशीला देवी जिन्दा बाड़ी बाकिर उनुकर इलाज अस्पताल में हो रहल बा. बजावल जात बा कि एह भाईयन के अपना मामा अशर्फी लाल से सम्पति विवाद रहुवे.


एके परिवार के तीन लोग के हत्या
इलाहाबाद, 19 मार्च (वार्ता) इलाहाबाद के करैली इलाका के जी टी बी नगर में रहे वाला मोहम्मद यूनुस (65),उनुकर बेटी रेशमा (30) आ नातिन आईना (5) के धारदार हथियार से गला काट के हत्या कर दीहल गइल. एह मामिला में पुलिस यूनुस के दामाद उस्मान के हिरासत में ले के पुछताछ करत बिया.


नदी में डूब के नवही मरल
सोनभद्र, 19 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के चोपन इलाका के मलहिया टोला के रहे वाला 25 बरीस के राजू नवराति के पहिला दिने के व्रत रखले रहुवे आ पूजा का पहिले नदी में नहाए गइल त फेरु लवटल ना. बाद में खोज तलाश कइला पर ओकर लाश सोन नदी में पत्थरन का बीच फंसल मिलल. पुलिस के लागत बा कि नहाए घरी कवनो पत्थर से ओकरा चोट लागल आ ऊ बेहोश हो के पानी में डूब गइल होखी आ एही से ओकर मौत हो गइल होखी.


पांच गो गाँजा तस्कर गिरफ्तार
बस्ती 19 मार्च, (वार्ता) बस्ती के हर्रैया इलाका से पुलिस पांच गो तस्करन के गिरफ्तार क के ओकना लगे से 62 किलो से अधिका गांजा बरामद कइलसि. ई गाँजा तस्करी क के नेपाल से ले आवल गइल रहुवे. पाँचो तस्कर फैजाबाद के गोसाईंगंज के रहे वाला रवि गुप्ता, दुर्गेश सोनकर, झम्मन सोनकर, विनोद कुमार उर्फ लटकानू, अउर प्रेम प्रकाश हउवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up