भोजपुरी पट्टी से टटका खबर, 12 मार्च 2018, सोमार

by | Mar 13, 2018 | 0 comments

वाराणसी आ पटना के बीचे सफर भइल आसान

वाराणसी, 12 मार्च (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु मंडुवाडीह रेलवे स्टेशन पर ‘‘जन शताब्दी एक्सप्रेस” के हरियर झंडी देखाके बिहार के राजधानी पटना ला रवाना करवलन.
बतावल जात बा कि ई गाड़ी संख्या 15125 वाराणसी के मंडुवाडीह टीसन से रोज सबेरे सवा छह बजे रवाना होखल करी आ वाराणसी (कैंट), मुगलसराय, बक्सर, आरा, अउर दिलदार नगरटुसनन प रुकत सबेरे 10 बजके 35 मिनट पर पटना जक्शन चहुंपल करी.
लवटती में गाड़ी संख्या 15126 पटना जंक्शन से साँझ 5-45 पर रवाना होखल करी आ आरा, बक्सर, दिलदार नगर, मुगलसराय, वाराणसी कैण्ट टीसनन पर रुकत रात सवा दस बजे मंडुवाडीह चहुँपल करी.
रेलवे स्टेशन परिसर पर मनावल जा रहल लोकार्पण समारोह में रेल राज्य मंत्री आ संचार राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) मनोज सिन्हा पीएम मोदी के स्मृति चिन्ह का रूप में तुलसी के पौधा भेंट कइलन. एह मौका पर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आ सांसद डॉ महेन्द्र नाथ पाण्डेय समेत अनेके अधिकारी मौजूद रहलें.


आजमगढ़ में छत गिरला से एगो छात्र के मौत
आजमगढ़ 12 मार्च (वार्ता). आजमगढ़ के दीदारगंज इलाका के रसावा गाँव में बनत एगो मकान का बगल के पुरान मकान का छत पर राखल बालू गिट्टी का बोझ से छत भस गइल आ ओकरा तर दबा के 16 बरीस के आकाश आ 18 बरीस के सचिन दबा गइलें. दुनु के फूलपुर अस्पताल चहुँपावल गइल जहवाँ से ओह लोग के आजमगढ़ अस्पताल रेफर क दिहले डॉक्टर. ले जात घरी राहे में एगारहवीं के छात्र रहल आकाश के मौत हो गइल.


जदयू नेता से रंगदारी मांगे वाला गिरफ्तार
बेतिया 12 मार्च (वार्ता). पश्चिम चंपारण जिला पुलिस आजु जदयू नेता शंभू गुप्ता से रंगदारी मांगे वाला केसरिया के कहान गांव के रहे वाला सोनू पटेल के गिरफ्तार कर लिहलसि. बतावल जात बा कि ऊ शंभु गुप्ता से आपन नौकरी लगवावे के गोहार लगावत रहल आ जब नौकरी ना लागल त फोल करे के पांच लाख रुपिया रंगदारी मांगे लागल. बतावल जात बा कि सोनू बताह ह.साल 2012 से ओकर इलाज झारखंड के काके में चलत बा, से पूछताछ का बाद पुलिस ओकरा के छोड़ि दिहलसि.


लापरवाही बरते का आरोप में पेशकार निलम्बित
देवरिया, 12 मार्च (वार्ता). गोरखपुर के मण्डलायुक्त अनिल कुमार देवरिया में काम करत रुद्रपुर के एसडीएम के पेशकार बी एन मिश्रा के निलम्बित क दिहलें आ सगरी एसडीएम आ तहसीलदारनो के वेतन रोके के आदेश दे दिहलन. एह लोग पर राजस्व सम्बंधी मुकदमन के ऑनलाइन करे में लापरवाही बरते के आरोप बा.


जीप आ मोटरसाइकिल के टक्कर में वार्ड पार्षद समेत दू जने के मौत
आरा 12 मार्च (वार्ता) भोजपुर जिला के सहार इलाका के पेउर-सहार गांवन का बीच एगो जीप आ मोटरसाइकिल के टक्कर में अरवल जिला में वार्ड पार्षद बैजनाथ साह आ शेलेन्द्र के मौत हो गइल. एह हादसा में आधा दर्डन लोग घवाहिलो भइल बा.


बिहार सरकार के पुलन पर 01 अप्रैल से टोल टैक्स बंद
पटना 12 मार्च (वार्ता) बिहार विधालसभा में पथ निर्माण मंत्री नंदकिशोर यादव बतवलें कि 01 अप्रैल 2018 से बिहार राज्य पुल निर्माण निगम के पुलन पर लोग से टोल टैक्स ना लिआई. एहमें से कईएक पुल के लागत वसूल हो चुकल बा.


पांच बरीस के बच्ची के लाश बरामद
आरा 12 मार्च (वार्ता) भोजपुर जिला के चरपोखरी इलाका के लिलारी गांव का खेत बिपिन साह के पाँच बरीस के बेटी के लाश मिलल बा. लाश के जानवर नोच नोच के खइले बाड़न स. पिछला 6 मार्च के एगो शादी समारोह का बाद से ऊ गायब रहल. घरवालन के अनेसा बा कि ओकरा साथे कुकर्म क के ओकर हत्या कइल गइल बा.


गोण्डा में लोककला महोत्सव
गोण्डा 12 मार्च (वार्ता). पदमविभूषण नानाजी देशमुख के याद में उनुका कर्मस्थली जयप्रभा गाँव में चार दिन चले वाला अखिल भारतीय लोककला महोत्सव के शुरुआत 14 मार्च के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ करइहें. संस्कार भारती आ दीनदयाल शोध संस्थान साझा रूप से एह महोत्सव के आयोजित करत बाड़ें. एह मौका पर नानाजी के प्रतिमा के अनावरणो होखे वाला बा.


संतकबीरनगर में एक कुंतल गांजा बरामद, सात गो तस्कर गिरफ्तार
संतकबीरनगर 12 मार्च (वार्ता). संतकबीरनगर पुलिस आजु बखिरा इलाका के दुर्गजोत चौराहा पर दू गो कारन के तलाशी में एक कुन्तल गांजा बरामद कइलसि. साथही ई ले जात सात गो तस्करन – चन्द्रभूषण राय, विद्यानन्द पाण्डेय, अनुराग सिंह, गणेश यादव, परमात्मा अग्रहरि, नन्हे उर्फ नन्दलाल बेलदार, अउर महेश पाल – के गिरफ्तार क लिहलसि. ओहनी का लगे से 6400 रूपिया नकद आ छग गो मोबाइलो मिलल बा. पुलिस बतावत बिया कि एह गरोह के मुखिया चन्द्रभूषण राय आ फाइनेन्सर परमात्मा अग्रहरि हवे सँ.


अब त कचरो लेके लोग हमार आलोचना करी : मोदी
वाराणसी 12 मार्च (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी स्वच्छता अभियान का तहत आयोजित कचरा महोत्सव के सफाई के एगो नीमन प्रयोग बतावत कहलन कि अब उनुका के नापसन्द करे वाला लोग कचरो के लेके उनुकर आलोचना कइल करी. कहलन कि कचरा के उपयोग से एक त सफाई रही आ दोसरे ओकर सकारात्मक उपयोग हो जाई.



कुशीनगर में मोटरसाइकिलन के टक्कर में एगो नवही के मौत दू गो घवाहिल

कुशीनगर, 12 मार्च (वार्ता) कुशीनगर के खड्डा-पडरौना मार्ग पर बगहवां इनार का लगे दू गो मोटरसाइकिलन के टक्कर में नेबुआ नौरंगिया इलाका के बलकुड़िया के जयकिशुन, मनोज, आ रंधा चौहान अउर मनोज अंसारी घवाहिल हो गइलें. अस्पताल चहुंपवला पर डॉक्टर रंभा चौहान के मरल बता दिहलें आ बाकी के जिला अस्पताल रेफर क दिहलें.


भभुआ में 27 बूथन पर मंगल का दिने भोटिंग
भभुआ 12 मार्च (वार्ता). भभुआ विधानसभा सीट ला होखत उपचुनाव में 27 मतदान केंद्रन पर मंगल का दिने भोटिंग करावल जाई. जिलाधिकारी राजेश्वर प्रसाद सिंह बतवलें कि भोटिंग का दिने इलेक्ट्रॉनिक वोटिंश मशीन के वोटर वेरिफाइड पेपर ऑडिट ट्रेल में खराबी मिलला का चलते 27 मतदान केंद्रन पर भो़ ना डालल जा सकल. ओही पर अब काल्हु मंगल का दिने भोज करावल जाई. एहमें से पांच गो भभुआ नगर इलाका के बा आ बाकी बूथ खनाव, हरिहरपुर, शिवपुर, इटाढ़ी,किशुनदेवपट्टी, नाटीपट्टी, सोनहन, टिकठीकुंज, दामोदरपुर, कोहारी, नौंवाझोटी, कूड़ासन, सारनपुर, सेमरा, सिझुआ, नूह, बेटरी, मोकरी गांव के बा.


पेड़ से लटकल नवही के लाश मिलल
औरंगाबाद 12 मार्च (वार्ता). बिहार के औरंगाबाद जिला के माली इलाका के अररिया गांव से एगो पेड़ से लटकल करीब 25 बरीस के नवही के लाश बरामद भइल. लाश देखि के लागत बा कि कतहीं अउर ओकर जान मारि के एहिजा ले आ के लटका दिहल गइल बा. ओकर पहचान नइखे भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up