भोजपुरी पट्टी से शनिचर 7 अप्रैल के 14 गो खबर

by | Apr 8, 2018 | 0 comments

ट्रैक्टर से कचरा के चालक के मौत
डेहरी आन सोन 07 अप्रैल (वार्ता). रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में गोपी बीघा के 30 बरीस उमिर के सत्येंद्र महतो अपने ट्रैक्टर से दबा के मर गइलें. ऊ अपने ट्रैक्टर चला के जात रहलें जब बस पड़ाव का नियरा एगो बालू लदले एगो दोसरा ट्रैक्टर में पीछे से जा टकरइलें आ नीचे गिरला का बाद दबा गइलें.

विशेष अदालत में सांसद आ विधायकन के मामिलन के सुनवाई शुरू
पटना 07 अप्रैल (वार्ता) चुनइल जलप्रतिनिधियन का खिलाफ ढेर दिन से टँगाइल आपराधिक मामिलन के सुनवाई एही काम ला बनावल गइल विशेष अदालत में आजु से शुरु हो गइल. विशेष न्यायाधीश सह अपर जिला अउर सत्र न्यायाधीश (नवम) परशुराम सिंह यादव कई मामिलन में आरोपितन के हाजिर होके अपना मुकदमन के उचित पैरवी करे के निर्देश दिहलें. अइसन ना भइल त अदालत कड़ेर सजा सुना सकेले.
विशेष अदालत में अबहीं ले कुल 13 गो मामिला आइल बा. अधिकतर चुनावन का दौरान आचार संहिता लाँघे के बा. आरोपित बाड़न नौशाद अख्तर, रघुनाथ सिंह, छोटन सिंह, अनंत सिंह, असरारूल हक, सत्यदेव राम, डा. रामानंद यादव, जियाउल हक, रामचंद्र पूर्वे, रमा देवी, डा. दिलीप जायसवाल, ददन पहलवान अउर अर्जुन राय.

लल्लू के गिरफ्तारी से नाराज काग्रेंसी योगी महाराज के पुतला फूंकले
कुशीनगर 07 अप्रैल (वार्ता). लगातार 64 दिन से आंदोलन करत कांग्रेस विधानमंडल दल के नेता आ विधायक अजय कुमार लल्लू के गिरफ्तारी से नाराज कांग्रेसी कार्यकर्ता कुशीनगर में आजु मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पुतला फूंकले. कांग्रेस के जिलाध्यक्ष रामविलास सिंह के नेतृत्व में सुभाष चौक पर मुख्यमंत्री के पूतला फूंकल गइल. सेवरही के विधायक अजय कुमार लल्लू 64 दिन से विरवट कोन्हवलिया मे जिला प्रशासन से पट्टा जारी करा के होखत बालू खनाई के विरोध करत रहलें.

बीएचयू में हड़ताल खतम करत जूनियर डॉक्टर काम पर अइलें
वाराणसी, 07 अप्रैल (वार्ता). काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के सर सुंदर लाल अस्पताल में मारपीट भइला से नाराज जूनियर डॉक्टर तीन दिन बाद आजु अपना काम पर लवटि अइलें.
बीएचयू के प्रवक्ता डॉ0 राजेश सिंह बतवलें कि आंदोलनकारी डॉक्टरन के प्रतिनिधियन आ विश्वविद्यालय अउर अस्पताल प्रशासन के अधिकारियन का बीचे भइल बातचीत का बाद हड़ताल खतम करे के फैसला क के जूनियर डॉक्टर अपना काम पर लवटि अइलें. जूनियर डॉक्टरन से मारपीट का मामिला में बीएचयू के संस्कृति विद्या धर्म विज्ञान संकाय के छात्र आकाश आ प्रसून के भूमिका क जांच कइल जात बा.

मऊ में सड़क हादसा में नवही के मौत
मऊ 07 अप्रैल (वार्ता). पुलिस सूत्र बतवलें कि दक्षिणटोला के प्यारेपुरा के रहे वाला सय्यद अली आ उनकर फूफेरा भाई अफजाल मोटरसाइकिल से गाजीपुर के बहादुरगंज का तरफ से मऊ आवत रहलें जब आदेडीह गाँव का लगे एगो कुकुर के बचावे का फेर में ई लोग गिर के बहुते घवाहिल हो गइल. जिला अस्पताल से सैयद अली के वाराणसी रेफर क दिहलें डॉक्टर बाकिर ओहिजा जाए का राहे में अली के मौत हो गइल.

10 अप्रैल के ना चली सिवान-कप्तानगंज सवारी गाड़ी
गोरखपुर, 07 अप्रैल (वार्ता). पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मण्डल में पड़े वाला कप्तानगंज-थावे, औड़िहार-जौनपुर आ फेफना-इन्दारा रेल खण्डन पर पड़े वाला समपार फाटकन पर यबवे पुल बनावे का काम का चलते एह रेल खण्डन पर चले वाली कुछ गाड़ियन के निरस्त, शार्ट टर्मिनेट भा री-शिड्यूल क के चलावल जाई. एही से 10 अप्रैल का दिने गाडी संख्या 75010 कप्तानगंज-थावे सवारी गाड़ी रद रही आ 75009 सिवान-कप्तानगंज सवारी गाड़ी थावे में टर्मिनेट हो जाई.
12 अप्रैल का दिने 55159 औड़िहार-जौनपुर सवारी गाड़ी औड़िहार जंक्शन से 60 मिनट लेट क के चली.

महराजगंज में कमरा में मिलल महिला के लाश
महराजगंज 07 अप्रैल (वार्ता). महराजगंज के सदर कोतवाली इलाका में अपना मरद से अलगा रहत किराया के मकान में रहे वाली घुघली इलाका के करौता नेबुईयां गाँव के अनीता (35 बरीस) के लाश महुअवां चौराहा पर ध्रूव निषाद के मकान में अपना किराया वाला कमरा में मिलल. ऊ एगो प्राइवेट अस्पताल में दाई के काम करत रहुवे आ ओकर एगो 12 बरीस के बेटो बा. कमरा के हालत देखि के लागत बा कि ओहमें लड़ाई भइल होखे.

दहेज हत्या मामिला में पति समेत चार जने के सजा हो गइल
छपरा 07 अप्रैल (वार्ता) सारण जिला के सेशन कोर्ट में अपर जिला अउर सत्र न्यायाधीश (दशम) बिनोद कुमार मिश्र का अदालत में भेल्दी इलाका के गोपालपुर नया टोला में भइल रुपा देवी के दहेज हत्या मामिला में ओकरा पति मुन्ना ठाकुर, ससुर राम अवतार ठाकुर, रीना देवी आ विश्वनाथ ठाकुर के सात-सात बरीस के कठोर जेल के सजा सुनावल गइल. एह मामिला के शिकायत रुपा के पिता दिघवारा इलाका के बरबन्ना गांव के रामाशंकर ठाकुर कइले रहलें.

करोड़ों रुपिया दाम के अष्टधातु मूर्ति बरामद, छह गो चोर गिरफ्तार
छपरा 07 अप्रैल (वार्ता). सारण पुलिस अमनौर आ रिविलगंज इलाका से छह गो मूर्ति चोरन के गिरफ्तारी क के ओकना का कब्जा से एगोरह गो चोरावल अष्टधातु के मूर्तियन के बरामद क लिहलें. पिछला कुछ समय से जिला में अनेके मूर्तियन के चोरी का बाद पुलिस एह लोग का ताक में रहुवे आ सूचना मिलते एह लोग के ध लिहलसि. एह चोरन का लगे से पुलिस दू गो देशी कट्टा, कारतूस आ नौ गो मोबाइल फोनो बरामद कइलसि.

गोरखपुर में गोली मारके नवही के हत्या
गोरखपुर 07 अप्रैल (वार्ता) गोरखपुर के चिलुआताल इलाका में कुछ लोग दिनदहाड़े रामपुर गांव के विकास चौधरी (22बरीस) के गोली मार दिहलें जेहसे ओकर मौत ओहिजे हो गइल. विकास आपन शिकायत ले के पुलिस का लगे आइल रहल जब पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी ओकरा के गोली मार दिहले सँ. विकास कुछ दिन पहिलहीं जेल से छूट के आइल रहुवे. एह बारे में ओकरा गाँवे के शिवदयाल आ रामदयाल का खिलाफ हत्या के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा. आरोपी फरार बाड़ें.

मिर्जापुर में ट्रक का चपेट में आके ट्रैक्टर चालक के मौत
मिर्जापुर 07 अप्रैल (वार्ता). मिर्जापुर के जिगना इलाका के खैरा घाट से बालू लाद के एगो ट्रक मिर्जापुर ओरि जात रहुवे जब गोगांव का लगे सामने से आवत ट्रैक्टर ट्राली से टक्कर हो गइल. एह हादसा में गोगांव के रामशिरोमन बिन्द के बेटा प्रदीप (19बरीस) ट्रैक्टर से गिरके ट्रक का नीचे आ गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. ट्रक छोड़ि के भागल ओकरा चालक के गांव वाला पकड़ के पुलिस के हवाले कर दिहलें.

सोनभद्र में ट्रेन का सोझा कूदि के लड़िकी आपन जान दिहलसि
सोनभद्र 07 अप्रैल (वार्ता). सोनभद्र के राबर्टसगंज टीसन का लगे पीरब मोहाल के विनोद कुमार के बेटी नन्दनी त्रिवेणी एक्सप्रेस का सोझा कूदि के आपन जान दे दिहलसि. आत्महत्या के कारण पता लगावत बिया पुलिस

पेशा प आइल कैदी इलाहाबाद में फरार
इलाहाबाद, 07 अप्रैल (वार्ता) उत्तर प्रदेश में इलाहाबाद के धूमनगंज क्षेत्र से पेशी पर ले आवल गइल एगो कैदी पुलिस अभिरक्षा से फरार हो गइल. एह मामिला में चार गो पुलिसकर्मियन के निलंबित क दीहल गइल बा. बतावल जात बा कि कौशाम्बी जेल में पोक्सो एक्ट में आ बसपा विधायक राजू पाल हत्याकाण्ड में शामिल इलाहाबाद के धूमनगंज इलाका के मरियाढीहा के रहे वाला फरहान के एहिता पेशी ला ले आइल रहुवे.

देवरिया में अनुसूचित जाति के फर्जी लाभ लेत 14 जने पर मुकदमा दर्ज
देवरिया, 07 अप्रैल(वार्ता) देवरिया सदर कोतवाली के कुछ लोग शिकायत कइले रहुवे कि भरौली बाजार के बड़का जाति के कुछ लोग अपना के फर्जी दस्तावेज का सहारे अनुसूचित जाति के लाभ लेत बाड़ें. एह शिकायत के जांच सदर तहसीलदार राहुल भट्ठ से करावल गइल आ सही मिलला पर प्रीति, हेमचंद्र, शुभम, त्रिगुणी, उषा, गायत्री, विनोद, शिवम, राधेश्याम समेत चौदह लोग का खिलाफ सदर कोतवाली में मुकदमा दर्ज क लीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up