भोजपुरी पट्टी से 14 गो खबर, 21 मार्च 2018, बुधवार

by | Mar 22, 2018 | 0 comments


सोनभद्र में ट्रक के धक्का से एक आदमी के मौत
सोनभद्र, 21 मार्च (वार्ता) चोपन इलाका में कोटा ग्राम पंचायत के रानीताली के ओम प्रकाश (40) बुध का साँझ वाराणसी-शक्तिनगर सड़क पार करत रहलें जह डाला का ओर से आवत एगो ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसि आ ऊ गिर के ओकरा चक्का का नीचे आ गइलें. उनुकर मौत ठाँवे पर हो गइल.


झारखंड में मगही, भोजपुरी, मैथिली आ अंगिका के दुसरका राजभाषा के दरजा मिलल
रांची 21 मार्च (वार्ता) झारखंड सरकार बुध का दिने मगही, भोजपुरी, मैथिली आ अंगिका के राज्य के दुसरकी राजभाषा के रूप में मान्यता देबे के फैसला कइले बिया. कैबिनेट का बइठक में एकर निर्णय लीहल गइल. जाने जोग इहो बा कि झारखंच में 12 गो अउरी भाषावन के पहिलहीं से दुसरकी राजभाषा के मान्यता दीहल जा चुकल बा. एह तरह अब 16 गो भाषा के झारखंड में दुसरकी राजभाषा के दर्जा मिल गइल बा.


योगी के पुतला फूंके वाला शिक्षकन पर मुकदमा दर्ज
देवरिया, 21 मार्च (वार्ता) देवरिया में बुध का दिने राजकीय इण्टर कालेज परिसर में वित्तविहीन शिक्षक मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पुतला फूंकले आ एह आरोप में पांच गो नामजद समेत तीस से बेसी शिक्षकन पर मुकदमा दर्ज कइल गइल बा.


छात्रा आ बुजुर्ग के लाश गंगा में मिलल
वाराणसी, 21 मार्च(वार्ता) वाराणसी के लंका इलाका में बुध का दिने 12वीं के एगो छात्रा आ एगो बुजुर्ग के लाश गंगा में मिलल. छात्रा के पहचान मिर्जापुर के जमालपुर के रहे वाली वर्षा का रुप में भइल बा बाकिर बुजुर्ग के लाश के शिनाख्त नइखे हो पावल. दुनु शायद विश्वसुंदरी पुल से गंगा नदी में छलांग लगाके जान दिहले बाड़े.


कुशीनगर में अवैध शराब का साथे तस्कर गिरफ्तार
कुशीनगर, 21 मार्च (वार्ता) कुशीनगर में तरयासुजान इलाका के सलेमगढ़ का लगे टोल प्लाजा राष्ट्रीय मार्ग-28 पर चेकिंग का दौरान एगो कार चालक गोपालगंज बिहार के शाजिद इकबाल के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि जब ओकरा कार से 16 पेटी मिलावटी अंग्रेजी शराब बरामद कइल गइल. ई शराब बिहार में बेचे ला ले जात रहुवे ऊ.


वाराणसी हवाई अड्डा पर विदेशी युवक का लगे से मिलल सैटेलाइट फोन
वाराणसी, 21 मार्च (वार्ता) वाराणसी में बाबतपुर के लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पर बुध का दिने एगो विदेशी युवक का लगे से सैटेलाइट फोन बरामद भइला का बाद ओकरा के हिरासत में ले लीहल गइल बा.


गाजीपुर में पेड़ पर लटकल लाश बरामद
गाजीपुर, 21 मार्च (वार्ता). करीमुद्दीनपुर इलाका में बुध का दिने बस्ती में रहे वाला अजय राजभर के लाश एगो गाछ पर लटकत मिलल. ओकर पहचान ओकर भाई कइलसि आ बतवलसि कि मौसी किहां जाए के कहि के ऊ घर से चलल रहुवे आ ओकरा बाद के कुछ मालूम नइखे.


दू गो अनेरिया नाबालिग एगो किशोरी से बलात्कार कइले
गाजीपुर, 21 मार्च (वार्ता) मरदह इलाका के तोड़री गाँव में एगो नाबालिग किशोरी का साथे दू गो नाबालिग लड़िकन के बलात्कार करे के मामिला सामने आइल बा. ऊ किशोरी बतावत बिया कि जब दिशा मैदान ला ऊ मंगल के साँझ गांव का बहरी गेहूं के खेत गइल तब ओकरे गाँव के दू गो लड़िका ओकरा साथे कुकर्म कइले. पुलिस मामिला दर्ज क के ओकनी के जोहत बिया.


मऊ में बस से उतार के एगो औरत से सामूहिक बलात्कार
मऊ, 21 मार्च (वार्ता) मऊ के मधुबन इलाका में घरे आवत एगो औरत से ओह बस के कर्मचारी सामूहिक बलात्कार कइले. बतावल जात बा कि ऊ वाराणसी से निजी बस में घरे आवे ला सवार भइल. बस जब गजियापुर चहुँपल त बस चालक समेत चार लोग ओकरा के घरे पहुंचावे के झाँसा देके अपना साथे ले जा के राति में बलात्कार कइले. चारो के चिह्न लीहल गइल बा आ ओकनी के गिरफ्तार करे के कोशिश करत बिया पुलिस.


नहर से दू गे नाबालिगन के लाश बरामद
मोतिहारी 21 मार्च (वार्ता) पूर्वी चंपारण जिला के कोटवा इलाका के कररिया गांव का नियरा नहर से बुध का दिने दू गो नाबालिगन के लाश पुलिस बरामद कइलसि. एकनी के पहचान नइखे हो पावल.


बलिया में ट्रक के टक्कर से एक जने के मौत, दू जने घायल
बलिया 21 मार्च (वार्ता) बलिया के बांसडीह कोतवाली इलाका में बुध का दिने भइल ट्रक आ मोटरसाइकिल के टक्कर में मैरीटार गांव के अविनाश बिंद (19) के मौत हो गइल आ गोविंद बिंद आ धर्मेंद्र घवाहिल हो गइलें.


थरवई में ट्रेन का चपेट में आके बुजुर्ग के मौत
इलाहाबाद, 21 मार्च (वार्ता) इलाहाबाद के थरवई इलाका में सरायचंडी रेलवे फाटक का लगे रेलवे ट्रैक पर बुध का सबेरे एगो आदमी के लाश मिलल. बाद में पता चलल कि ऊ बसमहुआ गांव के 65 बरीस उमिर के केवला प्रसाद पाण्डेय रहलें. शायद रेल लाइन पार करत घरी ऊ कवनो ट्रेन से कटा गइल होखीहे.


सिद्धार्थनगर में इंडोनेशियाई सुपारी बरामद
सिद्धार्थ नगर, 21 मार्च (वार्ता) नेपाल से लागल अंतर्राष्ट्रीय सीमा पर बगाही गांव का नियरा से सशस्त्र सीमा बल तस्करी क के ले आवल जात इंडोनेशियाई सुपारी बरामद कइलसि बाकिर वाहन चालक फरार हो गइल.


इलाहाबाद में सेल्स प्रबंधक से करीब तीन लाख लूटल गइल
इलाहाबाद 21 मार्च (वार्ता) इलाहाबाद के मऊ आईमा इलाका में मोटरसाइकिल सवार चार गो बदमाश वीडियो कॉन कंपनी के सेल्स प्रबंधक देवेन्द्र कुमार त्रिपाठी से मंगल का राति करीब आठ बजे गदाईपुर रेलवे क्रासिंग का लगे दू लाख 82 हजार रुपिया लूटके फरार हो गइले. पुलिस लुटेरन के खोटे में लागल बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up