भोजपुरी पट्टी से 15 गो खबर, 7 मई 2018, सोमार

by | May 7, 2018 | 0 comments

(प्रतीक फोटो)


जहराइल खाना खा के 100 लोग बीमार
आरा 07 मई (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बरौली गांव के अक्षय लाल का घरे शादी का दौरान खाना खइला का बाद करीब 100 लोग के तबियत खराब होखे लागल आ कै करे लागल लोग. सभका के आरा आ पीरो के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल.
खबर पावते पुलिस मौका पर चहुंपल आ छानबीन शुरु क दिहलसि.

सम्पत्ति बंटवारा से नाराज बेटा अपना बाप के आगि में झोंक दिहलसि
गाजीपुर, 07मई (वार्ता) गाजीपुर के बिरनो इलाका के ढिढोहर गाँव के प्रधान रह चुकल परशुराम राजभर के दू गो बेटा बाड़ें. ओहनी का बीच में संपति के बँटवारा ले के झगड़ा चलत रहुवे.
बड़का बेटा श्रीराम राजभर नौकरी करेला करेला आ ओकरा गाँवे अइला का बाद आजु सबेरे फेरु झगड़ा शुरु हो गइल. बँटवारा में मिलल अपना हिस्सा से नाराज बड़का बेटा बँजवारा में मिलल अपना सामान में आग लगा दिहलसि आ अपना बापो के ओही आग में फेंक दिहलसि. छोटका भाई के मोटरसाइकिलो में आग लगा दिहलसि.
बहुते झउँस चुकल बाप के अस्पताल में भरती करावल गइल बा आ बड़का बेटा के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.

जौनपुर में जनरेटर के करेंट में अइला से एगो छात्र के मौत
जौनपुर,07 मई (वार्ता) जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका के मिश्रौली गांव में अंकित दुबे (14) निषाद बस्ती में अपना संघतियन का साथे केसरी निषाद किहां आइल बारात में गइल रहुवे. ओहिजा शादी के सजावट ला लगावल झालर का तार में जात जनरेटर के करेंट का चपेटा में आ गइल आ ओहिजे बेहोश हो गइल. ओकरा के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल गइल बाकिर ओहिजा ओकर मौत हो गइल.
सूचना मिलते चहुंपल पुलिस जनरेटर मालिक का खिलाफ मामिला दर्ज क के लाश पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि.

देवरिया में एगो दुकान से लाश बरामद
देवरिया, 07 मई (वार्ता) देवरिया सदर कोतवाली इलाका के एगो दुकान से आजु एक आदमी के लाश मिलल.
लाश के पहचान तरकुलवा इलाका के भेली पट्टी गांव के श्रीप्रकाश उर्फ सरल (40 बरीस) का रुप में भइल. ऊ रामगुलाम टोला में किराया पर कोठरी ले के रहल रहुवे आ लकड़ी हट्टा में एगो दुकान में काम करत रहुवे.
लाश का गरदन पर जख्म के निशान मिलला से लागत बा कि ओकर हत्या कइल गइल बा. पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला का बादे पता चली कि मौत के कारण का रहुवे.

गाजीपुर में पिकअप पलटला से दू जने के मौत
गाजीपुर, 07 मई (वार्ता) गाजीपुर के खानपुर में एगो पिकप पलटला से दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ तीन जने बहुते घवाहिल हो गइलें.
पुलिस के कहना बा कि काल्हु रात ई लोग एगो तिलक समारोह में जात रहुवे जब एह लोग के ले जात पिकप खाई में पलट गइल. एह हादसा में सोहन राजभर (35 बरीस) आ हजारी राजभर (37 बरीस) के ठाँवे पर मौत हो गइल. देवशरण चौधरी, लागीनाथ चौधरी आ मंगल चौधरी गंभीराह घाहिल हो गइलें. घाहिलन के वाराणसी भेजल गइल बा.

मऊ सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत
मऊ, 07 मई (वार्ता) मऊ जाला के घोसी इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार कुरहनी बोझी गांव के हरिओम विश्वकर्मा (30 बरीस) के मौत हो गइल जब एगो ट्रक उनुका मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर फरार हो गइल बा.

कुशीनगर में लाइनमैन के करंट लगला से मौत
कुशीनगर, 07 मई (वार्ता) कुशीनगर के लक्ष्मीगंज बाजार में आजु बिजली के टूटल तार जोड़े ला पोल पर चढल लाइनमैन के करंट लगला से मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि भटवलिया टोला के राजू यादव निजी कम्पनी में लाइनमैन के काम करत रहुवे. आजु सबेरे इंटर कालेज का लगे टूटल हाईटेंशन लाईन के तार ठीक करे ला ओकरा के एगो दोसर लाइनमैन ले के आइल रहुवे. कहलसि कि शट डाउन ले लेले बानी, तू पोल पर चढ़ के तार जोड़ द. बाकिर शट डाउन ना रहला का चलते राजू के करंट मार दिहलसि आ ऊ ओहिजे गिर के मर गइल.
हादसा का बाद दोसरका लाइनमैन भाग पराइल.

जौनपुर में एगो नवही फांसी लगा लिहलसि
जौनपुर, 07 मई (वार्ता) जौनपुर के नेवढिया इलाका में मुस्तफाबाद गांव के रहे वाला धर्मेंद्र पटेल (27 बरीस) काल्हु राति गांव का बगइचा में पेड़ पर फाँसी लगाके जान दे दिहलसि. अगिला 21 मई के ओकर बिआह होखे वाला रहुवे. फाँसी लगावे के कारण पता नइखे चलल.

गाजीपुर में एगो लड़िका साथे कुकर्म
गाजीपुर , 07 मई (वार्ता) गाजीपुर शहर कोतवाली इलाका में पाँच बरीस के एगो लड़िका से ओकर पड़ोसी नवही कुकर्म कइलसि आ केहु के बतवला परओकरा के जान से मारे के धमकी देके फरार हो गइल. पुलिस आरोपी के भाई के पकड़ के थाना ले आइल बिया.

हत्या के आरोप में छह जने के उमिर कैद
सिवान 07 मई (वार्ता) सिवान जिला के सत्र अदालत आजु तीन बरीस पुरान हत्या के मामिला में छह जने के उमिर कैद के सजा सुनवलसि.
ई लोग पचरुखी सराय इलाका के बड़का गांव में 25 अप्रैल 2015 का दिने मंझरिया गांव के रहे वाला अमित कुमार के कुल्हाड़ी से हत्या क दिहले रहल. मरे वाला के भाई संतोष सिंह का बयान पर पचरुखी थाना में आठ जने का खिलाफ नामजद प्राथमिकी दर्ज करावल गइल रहुवे. दू गो आरोपी हीरालाल यादव आ अजित यादव अबहियों फरार बाड़े सँ.
अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश (पंचम) मो.एजाजुद्दीन एह मामिला में अमित कुमार के हत्या करे का आरोप में कृष्णा यादव, सुजीत यादव, मुखदेव चौधरी, रमाकांत यादव, हरिशंकर यादव अउर हरेन्द्र यादव के उमिर कैद के सजा सनवलें आ सभनी पर एक-एक लाख रुपिया के जुर्मानो लगा दिहलें.

गाजीपुर में प्रेमी जोड़ा जहर खा के जान दिहलसि
गाजीपुर, 07 मई (वार्ता) गाजीपुर जिला के मुहम्मदाबाद इलाका में शेरपुर आ सेमरा के मुकेश राय (18 बरीस) आ खुशबू (16 बरीस) का बीच प्रेम-प्रसंग चलत रहुवे. दुनु काल्हु राति सेमरा टावर का लगे जहर खाके जान दे दिहलें. आजु सबेरे गाँव के लोग लाश देख के पुलिस आ ओहनी के परिवार के खबर कइलें.

बलिया में मोटर साईकिल आ टेम्पो के टक्कर में एगो नवही के मौत
बलिया, 07 मई (वार्ता) बलिया जाला के बैरिया इलाका में भइल मोटर साईकिल आ टैम्पो का टक्कर में मिड्ढा गांव के अरुण सिंह (22 बरीस) के मौत हो गइल. अरुण सिंह मोटर साईकिल से बैरिया से बलिया जात रहलन जब दुबेछपरा ढाला का लगे एगो टैम्पो से उनुकर टक्कर हो गइल आ उनुकर मौत ओहिजे हो गइल.

मिर्जापुर में दुल्हा के बदशक्ल देख के दुल्हन शादी करे से मना कर दिहलसि
मिर्जापुर, 07 मई (वार्ता) मिर्जापुर के अदलहाट इलाका के बभनी गाँव में शनिचर का राति बेलहर गांव से बारात आइल रहुवे. द्वार पूजा आ शादी के अउऱी रस्म पूरा भइला का बादजब सेनुरदान होखे चलल त दुल्हन दुल्हा के शक्ल देखि के शादी करे से मना कर दिहलसि. घर वालन के लाख समुझवला का बादो जब ऊ ना मानल त दुनु ओर के लोग शादी के सामान के अदला बदली क के बिआह रोक दिहलें.

बस्ती में सड़क हादसा में दू जने के मौत
बस्ती, 07 मई (वार्ता) बस्ती-फैजाबाद राष्ट्रीय राजमार्ग पर आजु भइल दू गो सड़क हादसा में दू जने के मोत हो गइल.
एगो हादसा कप्तानगंज क्षेत्र में भइल जवना में मोटरसाइकिल सवार दुधारा गाँव के भुलाई (40 बरीस) के कवनो वाहन के टक्कर से मौत हो गइल.दोसरका हादसा में वसावा गाँव का लगे भइल जवना में 35 बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल. ओकर पहचान नइखे भइल.

भदोही में ट्रैक्टर चालक के मौत के ओकर घरवाले हत्या बतावत बाड़ें
भदोही, 07 मई (वार्ता) भदोही जिला के चौरी इलाका में भइल हादसा में निदुर गांव के ट्रैक्टर चालक राजन बनवासी के मौत ट्रैक्टर पलटला से हो गइल.
बाकिर ओकरा घर के लोग एकरा के हत्या बतावत बाड़ें. राजन जोगीपुर गाँव के ट्रैक्टर मालिक किहां ढेर दिन से ट्रैक्टर चलावत रहुवे. एने ऊ काम छोड़ दिहले रहुवे त ट्रैक्टर मालिक जबिया ओकरा के खटावल रहलें.

कार आ ट्रक के टक्कर से एगो बाराती के मौत
मोतिहारी 07 मई (वार्ता) पूर्वी चम्पारण जिला के चकिया इलाका के बिरता बाजार में काल्हु राति एगो कार आ ट्रक के टक्कर में कार सवार एगो बाराती के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें.
बाराती शिकारगंज से चकिया थाना के बरमदीया गांव जात रहलें जब बिरता बाजार का लगे सड़क किनारे खड़ा ट्रक से कार जा टकराइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up