भोजपुरी पट्टी से 25 मार्च 2018 के नव गो खबर

by | Mar 26, 2018 | 0 comments

अयोध्या में रामजन्मोत्सव के धूम
अयोध्या, 25 मार्च (वार्ता). भगवान श्रीराम के जन्म स्थली अयोध्या में चैत्र रामनवमी मेला में लाखों श्रद्धालु सरयू नदी में स्नान ला डुबकी लगवलें. आ प्रमुख मंदिरन में भगवान श्रीराम के जन्मोत्सव मनवलें. कनक भवन मंदिर में जनम के विशेष कार्यक्रम आयोजित भइल. दुपहरिया ठीक बारह बजते मर्यादा पुरुषोत्तम के सांकेतिक जनम भइला का बाद सोहर के भजन आ बधाई गीत गावल शुरु हो गइल.

दुर्घटना में मुअल लोग का आश्रितन के राज्यमंत्री दिहलें सहायता राशि
जौनपुर, 25 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के नगर विकास, आभाव सहायता अउर पुनर्वास राज्यमंत्री गिरीश चन्द्र यादव 23 मार्च के टैम्पों आ ट्रक के टक्कर का चलते जौनपुर के प्रतापगढ़ में मुअल लोगन के परिवारन के दू दू लाख आ घवाहिल लोग के 50-50 हज़ार रुपिया के चेक बँटलन. जौनपुर जिले के मुंगरा बादशाहपुर इलाका के गौरयाडीह आ ओही से सटल गाँव भैरोपुर के कुल 11 लोग के ओह हादसा में मौत हो गइल रहुवे आ पाँच जने घवाहिल हो के बाच गइल रहलें.

सोनभद्र में हाई वोल्टेज करंट से एक आदमी के मौत
सोनभद्र 25 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के बीजपपर इलाका में हाई वोल्टेज करंट का चपेटा में आ के झीलों गांव के विजय कुमार के मौत हो गउवे. दुपहरिया में हाई वोल्टेज करंट का चलते बिजली के बल्ब टतकल शुरू भइल त ऊ कूद के चालू टीवी के स्विच बंद करे गइलें त ओही में सट गइलें आ ओहिजे उनुकर मौत हो गउवे.

कुशीनगर में एगो मूड़ी कटल नवही के लाश मिलल
कुशीनगर, 25 मार्च (वार्ता). कुशीनगर के कप्तानगंज इलाका के चिउरापाली गांव में ऊँखि का सूखल पतइयन का नीचे से बोरा में राखल एगो नवही के धड़ मिलल बा जवना के मूड़ी काट के हटा दीहल गइल बा. लाश के पहचान नइखे भइल. गाँव में एगो कुकुर हाथ के पंजा ले के घूमत रहुवे. ओकरा के देखला का बाद लोग प्रधान के बतावल त तलाश शुरु भइल त पंचायत भवन का नियरा राखल ऊँखि के सूखल पतइयन का नीचे से आवत बदबू बुझाइल त बोरा में राखल लाश के पता चलल. लाश ढेर पुरान बुझात बा.

यूपी के 51 जिला चिकित्सालयन के अत्याधुनिक सुविधा वाला बनावल जाई
बस्ती, 25 मार्च (वार्ता). स्वास्थ्य अउर चिकित्सा मंत्री सिद्धार्थनाथ सिंह के कहना बा कि एह साल के अंत ले प्रदेश के 51 जिला चिकित्सालयन के अत्याधुनिक जांच सुविधाओं से लैस क दीहल जाई. एहसे लोग के बड़का शहर धावे के जरुरत ना पड़ी. बतवलन कि प्रदेश में 7500 डाक्टरन के कमी रहुवे जवना ला लोक सेवा आयोग से 2065 डाक्टर मिलल बाड़ें आ एहमें से 1600 डाक्टर ज्वायन क चुकल बाड़ें. साथही सरकार एक हजार प्राइवेट विशेषज्ञ चिकित्सकन के सेवो लीहल जा रहल बा. साथही 2600 आयुष चिकित्सकनो के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्रन पर संविदा के आधार पर बहाल कइल गइल बा.

आाजमगढ़ में अपहरण भइल दू गो बचवन के छोड़वा लिहलसि पुलिस
आज़मगढ़, 25 मार्च (वार्ता). आजमगढ़ में पांच दिन पहिले अपहृत भइल दू गो बचवन के पुलिस अतवार का दिने सकुशल बरामद क लिहलसि आ अपहरण करे वाला बदमाश के गिरफ्तारो क लिहलसि. 20 मार्च का दिने गंभीरपुर इलाका के सिघड़ा गांव के फौजदार के दू गो बचवन – चार बरीस के सूरज आ आठ बरीस के राज – के गांवे के राजकिशोर अपहरण क लिहलसि आ दुनु से भीख मंगवावे ला मध्य प्रदेश के जबलपुर ले गइल रहुवे. संर्विलांस से पुलिस के जानकारी मिलल त जबलपुर पुलिस का मदद से ओकरा के खोजाए लागल. पावते राजकिशोर बचवन के अलग अलग टीसन प छोड़ि के आजमगढ़ वापस आ गइल. अब ऊ पुलिस का गिरफ्त में बा.

पाकिस्तान से रुपिया ले के हिन्दुस्तान में गड़बड़ी पसारे का आरोप में दस जने गिरफ्तार
लखनऊ 25 मार्च (वार्ता) पाकिस्तान से आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैय्यबा का जरिये रुपिया ले के देश में विरोधी गतिविधियन में लागल देशद्रोहियन के मदद करे का आरोप में शुक का दिने पुलिस दस जने के गोरखपुर, लखनऊ, प्रतापगढ़, आ रीवा से गिरफ्तार क लिहले बियाय एहनी का लगे से 42 लाख रुपिया, बहुते एटीएम कार्ड, छह गो स्वैप मशीन, मैगनेटिक कार्ड रीडर, तीन गो लैपटाप, मोबाइल फोन, एगो पिस्टल, आ कईएक बैंकन के बहुते पासबुक आ चेकबुक बरामद भइल बा.

मऊ में करंट लगला से महिला के मौत
मऊ, 25 मार्च (वार्ता). मऊ के हलधरपुर इलाका में मुबारकपुर गांव के ममता देवी (35) रामनवमी के पूजा करे घर के बाहर निकलली त दरवाजा का बाहरे टूट के गिरल हाई वोल्टेज तार से छुआ गइली आ ओहिजे उनुकर मौत हो गइल. उनुकर पति के पहुलहीं मौत हो चुकल रहे आ आ परिवार में अपना सास आ तीन गो बचवन के उहे अकेला सहारा रहली.

इलाहाबाद में अधिवक्ता के मुनीम के गोली मार के कार आ मोबाइल लूट लिहले सँ
इलाहाबाद, 25 मार्च (वार्ता). इलाहाबाद के सौरांव इलाका में फैजाबाद के रौनाई इलाका के गुडवा के रहे वाला सुनील दुबे शनिचर का साँझ कार से फैजाबाद जात रहलन. सौरांव इलाका में प्रतापगढ़ मार्ग पर मोटरसाइकिल सवार चार गो बदमाश उनुका के ओवर टेक क के रोकले सँ आ सुनील के गोली मार दिहले सँ. ओकरा बाद घवाहिल सुनील के कार आ मोबाइल लूटके फरार हो गइले सँ. सुनील इलाहाबाद के एगो वकील किहाँ मुनीम के काम करत रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up