भोजपुरी पट्टी से 26 मार्च 2018, मंगल के 17 गो खबर

by | Mar 27, 2018 | 0 comments

बिहार के औरंगाबाद में कर्फ्यू
औरंगाबाद 26 मार्च (वार्ता). औरंगाबाद जिला प्रशासन रामनवमी जूलूस पर भइल पथराव का बाद भइल उपद्रव के देखत शहर में कर्फ्यू लगा दिहले बावे. उपद्रवी महाराजगंज बाजार के कई एक दुकान में आग लगा दिहले रहलें. हालांकि अब हालात काबू में बा.

विद्यालय का नियरा से औरत के लाश मिलल
छपरा 27 मार्च (वार्ता). सारण जिला के सोनपुर इलका के नजरमिरा गांव का एगो प्राथमिक विद्यालय का नियरा से आजु सबेरे साड़ी में लपेटाइल एगो औरत के लाश मिलल. ओकर पहचान नइखे भइल. लाश पोस्टमार्टम ला भेज के पुलिस मामिला के छानबीन में जुटल बिया.

सिद्धार्थनगर में दू गो पशु तस्कर गिरफ्तार
सिद्धार्थनगर 27 मार्च (वार्ता). सिद्धार्थनगर जिला के नेपाल से सटल मलदहिया गांव का नियरा से सशस्त्र सीमा बल सोमार का दिने दू गो पशु तस्करन के गिरफ्तार करत ओकनी का कब्जा से ट्रक पर लाद के नेपाल ले जाइल जात 26 गो गोरुमाल बरामद भइल. धराइल तस्कर बलरामपुर जिला के पचपेड़वा इलाका के हउवें स.

कुशीनगर अउर आज़मगढ़ में छात्रावास ला मिलल 84.02 लाख
लखनऊ 26 मार्च (वार्ता) यूपी सरकार अन्य पिछड़ा वर्ग के छात्र/छात्रावन वा छात्रावास बनावे का योजना ला कुशीनगर आ आज़मगढ़ में छात्रावास बनावे ला 84.02 लाख रुपिया के मंजूरी दिहले बिया. शासनादेश जारी कइल गइल बा कि कुशीनगर के मोतीचन्द पॉलीटेक्निक इन्स्टीट्यूट में ओबीसी के 100 गो छात्रन ला आ आज़मगढ़ के राम बचन यादव महाविद्यालय, खुरासो में 100 गो ओबीसी छात्रन ला छात्रावास बनावल जाई.

रिम्स में भरती लालू के तबियत सुधरत नइखे
रांची 26 मार्च (वार्ता). राजेंद्र आयुर्विज्ञान संस्थान में इलाज ला भरती चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद यादव के तबियत में सुधार नइखे लउकत. रिम्स के निदेशक आर. के. श्रीवास्तव का ओर से जारी स्वास्थ्य बुलेटिन में कहल गइल बा कि लालू यादव के चेहरा अबहियों सूजल बा बाकिर हीमोग्लोबिन में सुधार बा. ब्लड सूगर के स्तर बढ़ रहल बा. रिम्स का तरफ से बिरसा मुंडा जेल प्रशासन के कहा गइल बा कि इनका के कहीं अउर भेज के इलाज करावल जाव.

देवरिया में 250 लीटर शराब बरामद करत दू गो तस्कर गिरफ्तार
देवरिया,26 मार्च (वार्ता). देवरिया पुलिस रामपुर कारखाना इलाका के महुआडीह में भोला यादव के ईट भट्ठा पर छापा मार के अवैध शराब के धंधा करे वाला गौरीबाजार निवासी नंदलाल आ भाटपाररानी के भगौती शर्मा के गिरफ्तार क लिहलसि. ओहिजा से 250 लीटर अवैध कच्ची शराब बरामद भइल बा.

कुशीनगर में औरत के लाश कुंडा से लटकल मिलल
कुशीनगर, 26 मार्च (वार्ता). कुशीनगर के नेबुआ नौरंगिया इलाका में सौरहा बुजुर्ग गांव के जौरही टोला के राज हुसैन के पत्नी अमीना खातून (34) के लाश छत का कुंडा से लटकत मिलल बा.
अमीना के मरद सऊदी अरब में काम करेला आ अमीना के मानसिक हालत ठीक ना रहल.

आजमगढ़ में एटीएम से पैसा निकाले वाला दू गो इंजीनियर गिरफ्तार
आजमगढ़ 26 मार्च (वार्ता). आजमगढ़ शहर कोतवाली पुलिस एटीएम ठीक करे वाला दू गो लुटेरी इंजीनियरन – अजय कुमार सिंह आ विक्रान्त सिंह – के बवाली मोड़ का लगे से गिरफ्तार क लिहलसि. ई लोग लिपि कम्पनी के इंजीनियर ह आ जब कहीं के एटीएम खराब होला त ओकरा के ठीक करे जाला लोग. आ मौका पावते एटीएम से नोट चोरा लेला लोग जवना के पता जल्दी ना लाग पावे.

आग लगला से दर्जन से बेसी घर जरल
बेतिया 26 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के मंझौलिया प्रखंड के लालसरैया गांव के मस्जिद टोला का एगो घर में अचके आग लाग गइल जवन देखते देखत अगल बगल के दर्जन भर घर के अपना लहोक में लपेट लिहलसि आ लाखों रुपिया के सामान जर के राख हो गइल.

सोनभद्र में 20 लाख के हेरोइन साथे तस्कर गिरफ्तार
सोनभद्र 26 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के चोपन इलाका में चेकिंग का दौरान बग्घानाला का लगे एगो मोटरसाइकिल के रोके के इशारा कइलसि त ऊ भागे लागल. पुलिस ओकरा के चहेट के ङ लिहलसि. पकड़ाइल तस्कर डाला चढ़ाई के रहे वाला सुधीर कुमार ह आ ओकर तलाशी में 200 ग्राम हेरोईन आ 1670 रुपिया के नगदी मिलल.

मिर्जापुर में सड़क हादसी में साइकिल सवार के मौत
मिर्जापुर, 26 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के चील्ह इलाका में साइकिल आ मोटरसाइकिल के भिड़न्त में साइकिल से जात अनिरुद्धपुर गांव के पप्पू यादव (40) घवाहिल हो गइलें. अस्पताल ले जोए का राहे में उनुकर मौत हो गइल. पुलिस मोटरसाइकिल सवार के गिरफ्तार क लिहले बिया.

पत्रकार के हत्या के आरोपी पहिले मुखिया रहल गिरफ्तार
पटना 26 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के नहसी टोला का लगे स्कॉर्पियो से कचार के पत्रकार समेत दू लोग के हत्या के आरोपी गड़हनी पंचायत के मुखिया रहल मोहम्मद अर्शू के ओकरा एगो ठिकाना से पुलिस गिरफ्तार क लिहले बिया आ ओकरा से पूछताछ करत बिया, एह हादसा में शामिल स्कार्पियो के लोग फूंक दिहला रहुवे.

पारिवारिक विवाद में एक जने आपन जान दे दिहले
छपरा 26 मार्च (वार्ता). सारण जिले के एकमा बाजार के राजन प्रसाद पिछला आर्थिक तंगी से परेशान रहल आ घर वालन से ओकर झगड़ा आए दिन हो जात रहुवे. अतवार का रात ऊ फंदा लगाके खुदकुशी करे के कोशिश कइलसि बाकिर घरवालन के नजर ओकरा पर पड़ गइल आ लोग ओकरा के उतार के अस्पताल में भरती करावल जहाँ ओकरा के इलाज का बावजूद बचावल ना जा सकल.

छपरा में एगो बूढ़ के तलवार से काट दीहल गइल
छपरा 26 मार्च (वार्ता). सारण जिला के छपरा नगर इलाका के तेलपा मुहल्ला के असलम साह (65) के कुछ लोग आपसी विवाद में तलवार से काट के मुआ दीहले बा. हत्या करे वालन के पलिस जोहत बिया.

संतकबीरनगर में शराबी बेटा अपना बाप के जान लिहलसि
संतकबीरनगर, 26 मार्च (वार्ता) संतकबीरनगर के खलीलाबाद कोतवाली इलाका के रामपुर छपिया निवासी निरहा (75)के ओकरे शराबी बेटा सिकंदर डण्डा से पिटाई क के घव्हल क दिहलसि जवना चलते निरहा के मौत हो गइल. पुलिस आरोपी सिकंदर के गिरफ्तार क लिहले बिया.

बस्ती में सड़क हादसा में तीन जने के मौत
बस्ती 26 मार्च (वार्ता) बस्ती के दुबौलिया इलाका के पकड़ी चौहान गांव के प्रेमचन्द्र गुप्ता (27) आ उनुकर माई बहोना देवी (70) अयोध्या से स्नान क के लवटत रहल जब बस्ती-अयोध्या सीवान पर ओह लोग के एगो कार वाला धक्का मार दिहलसि आ दुनु जने के ओहिजे मौत हो गइल.दोसर हादसा वाल्टरगंज इलाका के पुरैना गांव का लगे भइल जब चलत आटो से गिरके सिद्धार्थनगर जिला के साड़ीखुर्द गांव के शंकर गौड़ (70) के मौत हो गइल.

आजमगढ़ में पुलिस मुठभेड़ में इनामी बदमाश घवाहिल
आज़मगढ़ 26 मार्च (वार्ता). आजमगढ़ में पुलिस आ बदमाशन का बीचे भइल मुठभेड़ में 50 हज़ार रुपिया के इनामी बदमाश सुनील राम उर्फ सिपाही गोली लगला से घवाहिल हो गइल. मुठभेड़ तरवां इलाका के पट्टी भिखारी गांव का लगे पियारा रोड पर भइल. घायल बदमाश सुनील गाजीपुर जिला के बहरियाबाद इलाका के बधाव देईपुर गाँव के हवे. ओकरा पर आज़मगढ़ आ अगल बगल के जिलन में 30 से अधिका मुकदमा दर्ज बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up