छपरा 06 अप्रैल (वार्ता). सारण जिला के मशरख इलाका के बहरौली ब्रह्मस्थान का नियरा आजु अपराधियन के गिरोह एगो प्रधानाध्यापक के गोली मारके हत्या क दिहलें.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि बहरौली गांव रहे वाला आ बहरौलिए के मध्य विद्यालय के प्रभारी प्रधानाध्यापक विश्वनाथ सिंह (59 बरीस) आजु जब विद्यालय जात रहलन ओही बीच बहरौली ब्रह्मस्थान का नियरा पहिले से घात लगा के बइठल अपराधियन के गिरोह उनुका के गोली मार दिहलें.
घवाहिल प्रधानाध्यापक के इलाज ला पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल ले जाइल जात रहुवे ओही बीच रास्ते में उनुकर मौत हो गइल.
अबहीं ई पता नइखे चलल कि हत्या काहे भइल. पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.
0 Comments