22 मार्च 2018, बियफे चार बजे ले भोजपुरी पट्टी से सात गो खबर

by | Mar 22, 2018 | 0 comments

माई के प्रताप से एहिजा अंग्रेजनो के माथ नवावे पड़ल रहुवे
देवरिया, 22 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला मुख्यालय से करीब सात किलोमीटर दूर अहिल्वार गांव में अहिलवार देवी के प्रताप का आगे अंग्रेजनो के आपन फैसला बदलत माई के प्रताप का आगे माझ नवावे के पड़ल रहुवे.
जानकार बतावेलें कि करीब 110 साल पहिले बनारस आ बिहार रूट पर मीटर गेज रेलवे लाइन बिछावे के काम चलत रल ओह घरी अंग्रेज अधिकारी फैसला कइलें कि रेल लाइन सीधे जात एह मंदिर से हो के गुजरी. गाँव वालन के विरोध का बावजूद माई दुर्गा के पिंडी का ठीक ऊपर से रेलवे पटरी बिछावे के काम शुरू हो गइल. बाकिर अंग्रेज अफसरन के होश तब उड़ गइल जब साँझे बिछावल पटरी सबेरे टूटल मिलल. पहिले त एकरा के कवनो आदमी के शरारत मानल गइल बाकिर दुबारा बिछावलो पटरी अगिला दिने फेरु टूटल मिलल. महीनन का कोशिश का बादो जब काम पूरा ना भइल त हार थाक के पटरी 100 मीटर दक्खिन से बिछावे के फैसला लीहल गइल. अतने ना रेलवे ट्रैक निर्माण सफल होखे एह ला अंग्रेज अफसर माई के मंदिर के जीर्णोद्धारो करवलें. तब जा के रेल पटरी बिछावे के काम पूरा हो सकल.
एह सिद्धपीठ मंदिर में सालो भर श्रद्धालुअन के तांता लागल रहेला बाकिर चईत आ कातिक के नवरात्रि का दौरान लाखों भक्तजन एहिजा आपन मनोकामना लेके पहुंचेले. कहल जाला कि जेही सच्चा मन से एह दरबार में आइल ओकर मनोकामना माता अवश्य पूरा कइली.


बलिया में दू समुदाय का बीच झडप, 12 जने गिरफ्तार
बलिया 22 मार्च (वार्ता). बलिया के बांसडीह रोड थाना के दिउली गांव में काल्हु साँझ मामूली बाति पर दू गो सम्प्रदाय के लोग आमने सामने आ गइल रहे. एगो के पूजा स्थल से जात एगो नवही के दोसरा वर्ग के लोग पीट दिहलसि. ऊ अपना टोला से आपन दोल बिटोर क के आइल आ दुनु तरफ के लोग अपने में भिड़ गइल. जानकारी पावते पुलिस चहुँपल आ लाठी भाँज के मामिला शान्त कइलसि. दुनु तरफ के 36 जने का खिलाफ केस लिखाइल बा आ ओहमें से एक दर्जन लोग के पुलिस हिरासत में ले चुकल बिया.


जौनपुर में ट्रक का चपेटे में आके मरद मेहरारू के मौत
जौनपुर , 22 मार्च (वार्ता). गौराबादशाहपुर इलाका में ट्रक से धक्का लगला का बाद मोटरसाइकिल सवार मरद मेहरारू के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि उमरी गांव के लक्ष्मण गौतम ( 45 ) अपना मेहरारू शांति देवी ( 40) का साथे मोटरसाइकिल से कही जात रहलें जब ग्रामोदय इंटर कालेज का सोझा एगो ट्रक से धक्का लाग गइल. एह हादसा में दुनु जने के मौत हो गइल आ ट्रक चालक ट्रक छोड़ के भाग गइल.


गोण्डा के वरिष्ठ पत्रकार छेदीलाल के निधन
गोण्डा, 22 मार्च (वार्ता) गोण्डा के वरिष्ठ पत्रकार छेदीलाल अग्रवाल के आजु 72 बरीस का उमिर में ब्रेन हेमरेज होखला से निधन हो गइल. छेदीलाल अग्रवाल पिछला 45 बरीस से यूनाईटेड न्यूज ऑफ इण्डिया के आपन सेवा देत रहलें. 18 बरीस का उमिरे से पत्रकारिता में लाग गइल छेदीलाल अग्रवाल जनमोर्चा, प्रेरणा, आज, दैनिक जागरण जइसन अखबारन मे सम्पादक, प्रभारी का रुप मे काम कइले रहलन. आ करीब 30 बरीस ले दैनिक जागरण के जिला संवाददाता रहलें.


अंग्रेजी शराब का साथे तस्कर गिरफ्तार
बगहा 22 मार्च (वार्ता) पश्चिम चंपारण जिले में बथवरिया इलाका के चंद्राहा गांव में एगो घर पर छापामारी का बाद पुलिस 58 बोतल अंग्रेजी शराब बरामद कइलसि आ एह धंधा में लागल तस्कर ललन राम के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा के आजु न्यायिक हिरासत में बगहा उपकारा भेज दीहल गइल बा आ पुलिस अब ओकरा बाप आसाया राम के जोहत बिया.


देव छठ मेला : हर तरफ गूंजत बा छठी मईया के गीत
औरंगाबाद 22 मार्च (वार्ता) औरंगाबाद जिला के ऐतिहासिक, धार्मिक आ पौराणिक स्थल देव में चइती छठ व्रत का मौका पर काल्हु से शुरू भइल चार दिन के राजकीय छठ मेला के रौनक देखते बनत बा. आ पूरा मेला इलाका छठी मईया के गीतन से गुंजायमान बा. जिलाधिकारी राहुल रंजन महिवाल बतावत बाड़ें कि देव छठ मेला में देश भर से आवे वाला श्रद्धालु आ व्रतियन के सुविधा ला पिए के पानी, बिजली, स्वास्थ्य सेवा, सुरक्षा, परिवहन, आ आवासन वगैरह के बेहतर व्यवस्था कइल गइल बा. मेला के शांति व्यवस्था ला 450 दंडाधिकारियन के अलावा अतने पुलिस अधिकारियन के आ हजारों जवानन के तैनाती कइल गइल बा.


गाजीपुर में जीप-मोटरसाइकिल के टक्कर में नवही के मौत
गाजीपुर, 22 मार्च (वार्ता) मोहम्मदाबाद युसूफपुर इलाका में तढ़वा गाँव का सोझा एगो जीप आ मोटरसाइकिल के आमने सामने भइल टक्कर में मोटरसाइकिल सवार सिकंदरचक गांव के प्रमोद राजभर (23) के ओहिजे मौत हो गइल जबकि मुकेश राजभर आ रमेश राजभर घवाहिल हो गइलें. एह लोग के अस्पताल चहुँपावल गइल आ इलाज चलत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up