29 मई, मंगल के भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर

by | May 29, 2018 | 0 comments


बस्ती में ट्रेन से कटाके दू आदमी के मौत
बस्ती 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के पैकोलिया इलाका में गौर टीसन का लगे बागडी गांव का सोझा रेल लाइन पार करत बलेसर गांव के रामजीत (30) आ 45 बरीस के एगो अनजान आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. अनजान आदमी के पहचान पता करे के कोशिश हो रहल बा.

सिद्धार्थनगर में एके परिवार के चार गो बच्चा राप्ती नदी में डूबलें
सिद्धार्थनगर 29 मई (वार्ता) उत्तर प्रदेश में सिद्धार्थनगर जिला के जोगिया कोतवाली इलका में राप्ती नदी में नहाए गइल चार गो बचवा डूब गइलें. चारों एके परिवार के रहलें. आजमगढ़ गांव के धर्मराज के बेटा नीरज (8) आ धीरज (9) अपना चाचा अमेरिका के दू गो बेटन नीरज (7) आ धीरज (10) का साथे काल्हु साँझ नदी में नहाए गइल रहलें. गहीर पानी में चल गइला से चारों डूब गइलें. दुनु भाई धर्मराज आ अमेरिका में अइसन प्रेम रहुवे कि दुनु जने अपना बेटन के नामो एके रखले रहुवे.

सोनभद्र में अनपरा ताप विद्युत संयंत्र के एगो इकाई में आग लगला से यूपी में बिजली संकट
सोनभद्र, 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश का सोनभद्र में अनपरा ताप विद्युत संयंत्र के एगो यूनिट में काल्हु रात करीब 11 बजे आग लाग गइल जवन तुरते पसर के पूरा इकाई के अपना चपेटा में ले लिहलसि. दमकल के कई गाड़ी एक घंटा के कड़ा मशक्कत का बाद आग पर काबू पा सकल.
एह बीच, सावधानी बरतत 210 मेगावाट के पहिलका आ तिसरको इकाई के बंद कर दीहल गइल. एह हादसा में एगो अधिकारी पहचान प्रदीप पनिक के झउँसे के खबर बा. आग के लहोक एक किलोमीटर फरके से लउकत रहुवे.
आग लगला का चलते ओबरा आ सोनभद्र के बीच 400 केवी लाइनो तकनीकी कारण से बंद हो गइल.

बलिया में विवाहिता से सामूहिक बलात्कार
बलिया 29 मई (वार्ता) उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के बांसडीह इलाका के रहे वाली एगो औरत के पति केस लिखवले बाड़न कि उनुकर मेहरारु जब नइहर जात रहली त उनुका नइहरे के एगो आदमी अजीत अपना संघतिया का साथे मोटरसाइकिल पर बइठा लिहलसि आ कवनो अज्ञात जगहा ले जाके अपना अउरी चार गो देस्तन का साथे बलात्कार कइलसि.
पुलिस तहरीर का आधार पर मुकदमा लिख के जांच करत बिया.

बिहार में शिक्षकन के तनखाह बाँटे ला 14.36 अरब मंजूर
पटना 29 मई (वार्ता). बिहार सरकार राज्य के प्राथमिक आ मध्य विद्यालयन के शिक्षकन के चालू वित्त वर्ष में वेतन भुगतान ला चौदह अरब 46 करोड़ आठ लाख रुपिया विमुक्त करे के मंजूरी दे दिहलसि. नगर प्रारंभिक शिक्षक, प्रखंड शिक्षक, अउर पंचायत शिक्षकन के स्वीकृत कुल 66104 पद पर बहाल शिक्षकन के एह राशि से वेतन मिल जाई.

मेहरारु के जान लेबे वाला मरद के उमिर कैद
छपरा 29 मई (वार्ता) बिहार में सारण जिला के छपरा के एगो अदालत गड़खा इलाका के सारोसराय गाँव के प्रमोद प्रसाद के दहेज ला अपना मेहरारु के जरा के मार देबे के दोषी मानत उमिर कैद के सजा सुनवले बिया.
25 सितम्बर 2013 का दिने प्रमोद अपना मेहरारू के देह पर किरासन तेल ढार के जरा दिहले रहुवे आ झउँसन मेहरारु के नाम बदल के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करा दिहले रहुवे जहां एकर मौत हो गइल. हालांकि मरे से पहिले पुलिस के दीहल बयान में ऊ प्रमोद के दोषी बता दिहले रहुवे.

इलाहाबाद में लल्लू जी एंड संस के गोदाम में आग लागल
इलाहाबाद, 29 मई (वार्ता) उत्तर प्रदेश में इलाहाबाद के कीड़गंज इलाका के रामबाग में लल्लू जी एंड संस के टेंट गोदाम में आग लाग गइल. खबर मिलला पर दमकल के सात गो गाड़ी आ सेना के दू गो गाड़ी मौका पर चहुँपल आ आग पर काबू पवलसि. एह हादसा में लाखन के सामान जरे के अनुमान बा.

बेतिया में ट्रैक्टर से गिरके एगो बच्चा के मौत
बेतिया 29 मई (वार्ता). बिहार में पश्चिम चम्पारण जिला के मुफ्फसिल इलाका में आजु ट्रैक्टर से गिरला का चलते नया टोला बसवरिया के वार्ड संख्या छह के जिशु कुमार (06) घवाहिल हो गउवे. इलाज ला ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ ओकर मौत हो गइल.
पुलिस ट्रैक्टर जब्त क के आरोपियन के गिरफ्तारी करे ला छापेमारी करत बिया,

बीएचयू में शोध करत एगो छात्रा अपना मंगेतर से वीडियो चैट का बाद खुदकुशी क लिहलसि
वाराणसी, 29 मई (वार्ता). वाराणसी के काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) में शोध करत एगो छात्रा ख्याति सिंह आजु अपना मंगेतर से वीडियो चैट कइला का बाद फांसी लगाके जान दे दिहलसि.
पुलिस के कहना बा कि ख्याति मध्य प्रदेश के भौरा बैतूल के निवासी रहली आ बीएचयू के पर्यावरण अउर धारणीय विकास संस्थान में शोध करत रही. ऊ लंका इलाका के नगवां में किराया के डेरा में रहत रही आ ओही डेरा में अपना चुन्नी से फांसी लगा लिहली. एही 30 अप्रैल के वाराणसी के रामनगर के रहे वाला एगो नवही से ओकर सगाई भइल रहुवे आ अगिला साल शादि होखे वाला रहल. घटना के जानकारी मिलते ऊ मौका पर पहुंचल आ ट्रॉमा सेंटर में ख्याति के भर्ती करवलसि, जहां इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल.

मऊ में कुदारी से काट के महतारी के जान लिहलसि
मऊ, 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में मऊ के घोसी इलाका में लाखीपुर गांव के प्रेमसागर के पिछला हफ्ता अपना मेहरारु रीता देवी से झगड़ा हो गइल रहे. एकरा बाद रीता अपना छह बरीस के बेटी ले के नइहर चल गइली. तब प्रेम सागर अपना पिता पर दबाव बनावे लागल कि रीता के ओकरा नइहर से ले आवसु. बाकिर जब ऊ लवटलें त उनुका साथे खाली बेटिए रहल काहें कि ओह बेरा रीता दवाई ले आवे ला कतहीं चल गइल रही. ई सुन के प्रेमसागर आग बबूला हो गइल आ अपना बाप के मारे ला दउड़ा लिहलसि. बाप केहू तरह जान बचा के भाग लिहलें त प्रेमसागर अपना भाई के दरवाजा तूड़े लागल. एही दौरान बीच बचाव करे ओकर 60 बरीस के महतारी आ गइली त उनुके के कुदारी से काट के अपना बेटी के ले के भाग निकलल.
पुलिस केस लिख के प्रेमसागर के खोजत बिया.

सिवान के दू गो हत्यारन के उमिर कैद
सिवान 29 मई (वार्ता). बिहार में सिवान के एगो अदालत हत्या के एगो मामिला में आजु दू जने के उमिर कैद के सजा सुनवलसि. दुनु पर 20-20 हजार रुपिया के जुरमानो लगावल गइल बा.
मामिला रहुवे कि दरौली थाना के गड़वार गांव में 29 अप्रैल 2010 का दिने फसल चरावे लेके भइल झगड़ा में सुरेंद्र चौबे के चचेरा भाई नारायण चौबे के गांवे के जितेंद्र चौबे आ ओह घरी मुखिया रहल मोगल राम, बबलू राजभर, अउर मुकेश गोंड गोली मार के हत्या कर दिहलें.
चारो नामजद आरोपियन में से जितेंद्र चौबे आ मोगल राम के उमिरकैद अउर 20-20 हजार रुपिया के अर्थदंड लगावल गइल बा. दू गो आरोपी तब से फरारे बाड़न स जवना चलते ओकनी के बाद में सजा सुनावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up