अइला के डर ना, परिकला के डर बा

by | Aug 21, 2019 | 0 comments

यूपीए 1 आ 2 का दौरान भइल आ कइल घोटालन का चलते सत्ता से बहराइल कांग्रेस जानत बिया कि चिदम्बरम वाला केस उनुके ले नइखे रहि जाए वाला. एक तरह से ई मोदी सरकार के टेस्ट बैलून हवे. सरकार देखल चाहत बिया कि पीचि के गिरफ्तारी का बाद कांग्रेस आ ओकरा समर्थकन के रवैया कइसन रहत बा. पीचि कांग्रेस के बड़का नेता हउवन आ अगर उनुका के बचावल ना जा सकल त अगिला चोट महतारी बेटा पर होखे वाला बा. हो सकेला कि ओकरा पहिले दामाद पर चोट कइल जाव.
उपर से नीचे ले कांग्रेस के करीब हर बड़का नेता कवनो ना कवनो बड़ घोटाला में शामिल रहल बा भा कवनो दोसरा अपराध में. अपना पहिला सरकार का दौरान मोदी सरकार सावधानी बरतलसि आ एह लोग के अपना निशाना पर ना लिहलसि. बाकिर अपार बहुमत का बाद बनल दोसरको सरकार का दौरान अगर ई कांग्रेसी घोटालाबाज धरइलें ना, आ जेहल में डलइलें ना त मोदी के भगतन के निराशा के सीमा ना रही.
मोदी सरकार कवनो हड़बड़ी में नइखे. ओकरा लगे पूरा समय बा आ ओकरा इहो मालूम बा कि दुश्मन पर तबले वार ना करे के चाहीं जबले ओकरा बच निकले के अनेसा रहो. जवना दिने ओकरा लाग जाई कि महतारी-बेटा-दामाद के घेरल अब पक्का हो गइल बा तहिया एह लोग के बचे के कवनो उमेद ना रहि जाई.
संगही संगे पीचि वाला मामिला में लुटियन जोन के खान मार्केट गिरोह आ अदालतो क परख हो जाए वाला बा. अबहीं ले एह तिकड़ी के जाला साफ नइखे हो पवले. जज बहाली के मामिला कांग्रेसी सरकार का दौरान अइसन बना दिहल गइल बा कि ओकरा पर सरकार के कवनो कंट्रोल नइखे रहि गइल. इन्दिरा गाँधी के जमाना से प्रतिबद्ध न्यायपालिका के रणनीति देशहित पर भारी पड़त आइल बा. अगर पीचि मामिला में अदातल भरोसा जोग काम करत लउकी त सरकार आगे बढ़े के सोची ना त देश के जनता के सोचे के पड़ी कि एह तिकड़ी के जाला साफ करे ला कवन तरीका निकालल जाव.
लुटियन मीडिया के काट सोशल मीडिया का रुप में निकल गइल बाकिर न्यायपालिका के मौजूदा रुख के काट न्यायपालिका का बीचे से निकाले के बा. एह से पीचि वाला मामिला गौर से देखला के जरुरत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up