अब रामजी तय करसु कि ऊ हनुमान के का करीहें

by | Jun 27, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी)

अपना बाबूजी रामविलास पासवान के बनावल लोक जनता पार्टी पर चाचा के कब्जा होखत देखि परेशान चिराग पासवान कहले बाड़न कि अब ई भाजपा के सोचे के बा कि ऊ केकर सहजोग करी. अबहीं ले त ऊ हर मुद्दा पर भाजपा के समर्थन करत आइल बाड़न जबकि कईएक मुद्दन पर नीतीश कुमार मोदी का खिलाफ खड़ा होखत आइल बाड़न. कहलन कि उनुकर गठबन्हन भाजपा से बा राजग से ना, उऩुकर लोजपा आजुओ भाजपा का साथे बा. पिछला विधानसभा चुनावो में ऊ भाजपा का खिलाफ ना लड़ल रहुवे. छह गो जगहा से लड़ल त भाजपा के जता के. कहलन कि ऊ त हनुमान का तरह हमेशा राम के साथ दिहलन अब भाजपा के तय करे के बा कि ऊ केकर साथ दी, चिराग के कि नीतीश के.
कहलन कि ऊ अबहीं केहू से कुछ नइखन मांगत. जब आपने परिवार पीठ में छूरा घोंप दिहलसि त दोसरा से कवन शिकायत. इहो कहलन कि जब बिहार में चुनाव के बेरा आई तब तय करीहें कि केकरा से गठबन्हन करे के बा. जानेजोग बा कि लालू प्रसाद के गोल राजद का तरफ से उनुका के खुला स्वागत करे के एलान कइल गइल बा.

कोवि़ड टीकाकरण खातीर केंद्र सरकार के नयका नीति 21 जून लागी भइला का बाद टीका करण के काम धुँआधार चल रहल बा. एह बीचे रोजाना औसतन सत्तर लाख लोग के टीका लगावल गइल बा. देश के हर राज्य में टीका तेजी से बो रहल बा. बाकिर विज्ञापनी मुख्यमंत्रियन में नम्बर वन केजरीवाल के दिल्ली छठवां नंबर पर बा.
कोरोना वायरस के डेल्टा प्लस वेरिएंट के पचास से अधिका मरीजन का मिलला से चिंतित केन्द्र सरकार तमिलनाडु, गुजरात, आन्ध्रप्रदेश, राजस्थान, कर्नाटक, पंजाब, जम्मू-कश्मीर, अउऱ हरियाणा सरकारन से डेल्टा प्लस वेरिएंट के रोकथाम ला उचित उपाय करे के कहले बिया.

पिछला लोक सभा चुनाव में गाजीपुर के जनता मनोज सिन्हा के ना चुन के एगो माफिया के चुने के गलती कइले रहलें. पता ना ओह लोग के एकर पछतावा होखत बा कि ना. बाकिर जम्मू-कश्मीर के उप राज्यपाल बनवला का बाद डवना तरह मनोज सिन्हा ओहिजा के राजनीतिक माहौल सुधारे के कोशिश कइले बाड़न ऊ सराहो जोग बा. उनुकरे कोशिश का चलते बियफे का दिने पीएम मोदी का साथे कश्मीरी नेता लोग के बइठक बढ़िया से हो पावल. एह बिठक में सभका के आपन बात कहो के आजादी रहुवे आ बइठक सफल मानल जा रहल बा. अपना कार्यकाल में मनोज सिन्हा सभका से सहज भाव से मिलल बतियावत बाड़ें आ कवनो अइसन बयान नइखन देसु जवना से माहौल खराब होखे. एही चलते विरोधी नेतो उनुका खिलाफ बयानबाजी नइखन करत आ कड़वाहट कन हो रहल बा.

भाजपा काल्हु शनीचर का दिने आपन असम आ मणिपुर के प्रदेश अध्यक्ष बदल दिहलसि. असम में भबेश कालिया के आ मणिपुर में शारदा देवी के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल बा.

सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति रमना केन्द्रीय सूचना मंत्री रविशंकर प्रसाद के चिट्ठी भेज के कहले बाड़न कि देश के ग्रामीण आ जनजाति इलाकन में संचार सुविधा में जरुरी सुधार करसु. एह इलाकन के नेटवर्क मजबूत कइला के जरुरत बा. लिखले बाड़न कि एहसे न्यायायिक अदालतन के काम तेजी से हो पाई.

बांगला देश में कोवि़ड के बढ़त पसार देखत काल्हु सोमार से सात दिन के कड़ा लॉकडाउन करे के एलान कइल गइल बा.

इँडोनेशिया में चीन के बनल कोविड टीका लगवला का बाद से बहुते डाक्टरन के मौत हो गइल बा आ कोविड के पसार तेज हो गइल बा. बियफे का दिने ओहिजा 20 हजार नया कोरोना मरीज मिलल बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up