आईं, हरामखोर भारत बनावल जाय

by | May 17, 2020 | 0 comments

देश में एह घरी पिछला छह बरीस से मोदी के सरकार चलत बा. मुनव्वर राणा के बतावल सौ करोड़ जानवरन का चलते ओही मुनव्वर के कहला मुताबिक 35 करोड़ आदमियन के ई संकट झेले के पड़त बा.

पिछला सैकड़न बरीस के गुलामी का बादो देश के ई सौ करोड़ जानवर माने के तइयार नइखन कि देर सबेर एह जानवरन के आदमियन के गुलाम बनहीं के पड़ी. एह काम में देश के सगरी पिरोधी गिरोह आपन पूरा ताकत से लागल बाड़ें. कवनो ना कवनो तरीका से अइसन हालात बना देवे के बा मोदी के सपना पूरा मत हो जाव. अमेरिका के दवाई भेजलसि त ऊ हिन्दुस्तान के वेंटिलेटर देबे के बात करत बा. कहत बा वैक्सिन बन जाई त उहो हिन्दुस्तान के दीहल जाई. इहे सब सोच के हमनी का पूरा विरोध कइले रहीं जा जब हिन्दुस्तान से दवाई भेजे के फैसला कइले रहलसि ई मोदी सरकार.

देश में कोरोना पसारे के सगरी कोशिश एह नामुराद का चलते बढ़िया से ना हो सकल. हमनी का भीड़ जुटवनी सँ, फेर ओह भीड़ में कोरोना पसरवला का बाद देश के अलग अलग इलाकन में भेजनी जा. ऊ लोग भरपूर कोशिश कइलसि कि देश कोरोना के लपेटा में अइसन आ जाव कि मोदी त मोदी, मोदी के बापो हालात ना सम्हार सके. बाकिर हो ना सकल.

हमनी का कई बेर मजदूरन के भीड़ एकट्ठा करवनी जा आ ओहनी के अपना अपना सरकार वाला राज्यन में अतना बसहारा करा दिहनी जा कि भूख आ बेरोजगारी के मार झोलत ई लोग अपना जान के जोखिम में डालत निकल पड़े. अपना सरकारन से एह लोग के खयाल राखे के कबो ना कहनी जा बाकिर जहाँ जहाँ मोदी के गोल वाला सरकार बा ओहिजा से माँग कइनी जा कि एह मजदूरन के खयाल राखल जाव.

एह सौ करोड़ जानवरन के अलग अलग प्रजातियन में बाँटत हमेशा अपने में लड़ावत रहनी जा बाकिर पता ना कइसे एह जानवरन में अब एका आवे लागल बा.

मोदी सरकार देश के आत्म निर्भर बनावे का दिसाईं काम करे के कोशिश करत बिया त हमनी का एकरा खिलाफ बानी जा. हमनी के पूरा कोशिश बा कि देश के मजदूर आ किसानन के कर्मठ ना बने दीहल जाव आ एहनी के हरामखोरी के आदत डलवा दीहल जाव. अबहीं त कहत बानी जा कि एह लोग के करजा ना दे के सीधे खैरात बाँटल जाव. बाकिर अगर मोदी सरकार ना मनलसि त जबे कबो हमनी के मौका मिली हमनी का कर्जमाफी क के देश के माली हालत बिगाड़े के कोशिश हमेशा का तरह करबे करब.

रउओ सोची कि अगर देशे बनावे के मकसद रहीत त अजना राजनेला अरबों खरबों के मालिक कइसे बन पवतें.

आईं रउरो सभे एह काम में लागीं आ हिन्दुस्तान के हरामखोरन के देश बनावे में सहजोग करीं. तय मानीं रउऱा सभे के सहजोग से हमहनो के हराम के कमाई में बड़हन ईजाफा होखी पैंतीस करोड़ आदमियन के खरचा बरचा चलावे ला ई सौ करोड़ जानवर बड़ले बाड़ें.

एह पैंतीस करोड़ ला हमनी का कम काम नइखीं कइले जा. कुछ गिना दीहल जरुरी लागत बा –

  • मजहब का आधार पर बँटवारा होखला का बावजूद इण्डिया के हिन्दुस्तान ना बने दिहनी सँ.
  • हिन्दू धरम का पसार आ पढ़ाई पर कानूनन रोक लगा के रखनी जाँ आ ओहिजे गैर हिन्दुवन के भरपूर छूट दिहनी सँ.
  • मन्दिरन पर सरकारी कब्जा क के ओहिजा मिलल दान के इस्तेमाल हिन्दू हित में ना करा के दोसरा दोसरा कामन में लगवनी जा. अबहियो कोशिश जारी बा कि एह मन्दिरन के संपति लूट के बाकी लोगन में बाँट दीहल जाव. -हमनी का अइसन जाल बनवले बानी जा कि छह बरीस से सरकार चलवला का बादो मोदी के कवनो मंत्री एह जाल के काट करे के नइखन सोचल, उलुटे उहो सभकर साथ लेबे ला बेचैन बाड़ें आ हिन्दू मंदिरन के सरकारी लूट से बचावे का बदले उहो एह लूट में शामिल बाड़ें.
  • देश में सेकूलरिज्म का वायरस अइसन पसार दिहले बानी जा कि एकर मरीज हिन्दुवन के छोड़ दोसर कवनो रिलीजन वालन में ना देखल जा सके.

उमेद करत बानी सँ कि रउरा सभे एह काम के देखत हमहन के सरकार देश में जरुरे बनवाएब. कोरोना एगो मौका दिहले बा. अगर अबकी चूक गइनी जा त फेर एह गोल के सरकार से हटावल मुश्किल हो जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up