आस्तीन के साँप फेरु दिल्ली दोहरवलें

by | Apr 14, 2020 | 0 comments

आजु भोरे दस बजे देशवासियन के संबोधित करत पीएम मोदी लॉकडाउन 3 मई ले बढ़ावे के एलान करत कहलें कि राज्य सरकारन से आ विशेषज्ञन से बाति करि के सरकार इहे सही समुझलसि कि ल़ॉकडाउन 3 मई ले बढ़ा दीहल जाव.

पीएम मोदी इहो कहलन कि समय के माँग बा कि सगरी देशवासी एह लॉकडाउन के पूरा से सफल करावसु. भरोसा दिहलन कि 14 अप्रेल से 20 अप्रेल का बीच बढ़िया से ताड़ल जाई आ जवना इलाका में लॉकडाउन सफल रही आ कोरोना के नया केस पनपे ना दी ओह इलाका में लॉकडाउन में कुछ छूट दीहल जाई जेहसे कि जान का साथे जहानो के चिन्ता कइल जा सको. कहलन कि खेती बाड़ी के सीजन मे खेतिहरन ला छूट देबे पर विचार कइल जा सकेला आ काल्हु बुध ले एह बारे में अधिका जानकारी दीहल जा सकी.

लॉकडाउन बढ़ल करीब करीब पहिले से तय हो गइल रहुवे आ पूरा देश मान लिहले रहुवे कि 30 अप्रेल ले त लॉकडाउन रहबे करी बाकिर देशद्रोहियन के साजिश उपरि बेरा ले आपन खेल खेलिए गउवे. पहिलका बेर लॉकडाउन के एलान का दिने दिल्ली में साजिशन हल्ला उड़ावल गइल कि यूपी बिहार खातिर बस दिल्ली का सीमा पर खड़ा बाड़ी सँ. दिल्ली के आआपा सरकार एह काम में भीड़ बढ़ावे का मकसद से बाकायदा डीटीसी बसन के जगहे जगह से चलववलसि. एह चलते दिल्ली में भयंकर माहौल बन गइल रहुवे. ऊ त गनीमत रहल कि यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हजारन बस लगवा के एह भीड़ के हटावे के काम कइलन. बाद में तबलीगी जमात के मरकज वाला साजिशो खुलल आ इहो कहल गइल कि दिल्ली के प्रवासी मजदूर त एह साजिश के मोहरा भर रहलन कि कोरोना पसारे जमात बाकिर नाम बदनाम होखो प्रवासी मजदूरन के. कुछ अइसनो अनेसा जतावल गइल कि एह साजिश में कोशिश रहुवे कि बिहार यूपी के मजदूरन के भगवा के ओह लोग वाला रोजगार पर बांगलादेशी आ रोहिंग्यन घुसपैठियन के लगवावल जा सके.

आजु दुसरका लॉकडाउन का दिने अइसने साजिश मुम्बई के बांद्रा टीसन का लगे कइल गइल. ओहिजे एगो बडहन मस्जिदो बा जवना के लाउडस्पीकर से एह भीड़ के हटावे के काम कइल जा सकत रहुवे. बाकिर अइसन कुछ ना भइल आ देखते देखत चालीस हजार से बेसी दिहाड़ी मजदूर ओहिजा जुट गइलें. ओह लोग के बतावल गइल रहुवे कि लॉकडाउन बढ़ला का बावजूद बांद्रा से ट्रेन खुलीहें सँ आ मजदूर अपना गाँवे जा सकीहें. बाद में कई घंटा के मशक्कत का बाद एह भीड़ के हटावल गइल. पुलिस के लाठी भँजला का बाद भीड़ भाग चलल. अब एह मामिला पर राजनीतिक दोल्हापाती के खेल शुरु हो गइल बा. शिवसेना के कहना बा कि केन्द्र सरकार का चलते अइसन हालात पैदा भउवे. भाजपा के कहना बा कि उद्धव नाकाबिल साबित हो गइलें.

एह राजनीतिक बयानबाजी में एह साजिश के मामिला पर लीपा पोती आसान हो जाई. जइसे कि दिल्ली के मरकज वाला मामिला पर लीपापोती हो रहल बा. देश में कोरोना के कहर पसारे में मरकज के बड़हन हाथ बा. बाकिर दिल्ली के आआपा सरकार मरकज के नाम लीहल बन्द क दिहले बिया जबकी कोरोना के मरीजन में दू तिहाई से बेसी मरीज मरकज वाला बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up