इस्लामिक कानून के जानकार मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकी धरइलें

by | Dec 27, 2018 | 0 comments

काल्हु बुध का दिने एनआईए यूपी आ दिल्ली में 17 जगहा छापा मार के देश के बम धमाकन से दहलावे के साजिश में लागल मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से बहुते सारा विस्फोटक सामान, असलहा वगैरह बरामद भइल बा.

ई मुसलमान गिरोह अंतर्राष्ट्रिय इस्लामी आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट से सीख लेत हरकत उल हर्ब ए इस्लाम नाम के संगठन बनवले बाड़ें स.

मीडिया के एह बात के जानकारी देत एनआईए के इन्सपेक्टर आलोक मित्तल बतवलें कि ई गिरोह लगातार बम धमाका करे का कगार ले चहुँप गइल रहलें स बाकिर सही समय पर भनक लाग गइल आ एहनी के गिरफ्तारी हो गइल ना त जानमाल के पता ना कतना नुकसान चहुँपवले रहते सँ ई आतंकी गिरोह.

बतवलन कि मुफ्ती सुहेल यूपी के अमरोहा के रहे वाला ह. एह गिरोह का लगे से साढ़े सात लाख रुपिया, करीब एक सौ मोबाइल फोन, 135 गो सिम कार्ड, लैपटॉप वगैरह बरामद कइल गइल बा. 25 किलो विस्फोटक आ एगो रॉकेट लॉन्चरो मिलल एहनी का लगे से.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up