उगिलत आन्हर घोंटत कोढ़ी

by | Jul 9, 2020 | 0 comments

कानपुर में आठ गो पुलिसवालन के खून करे वाला अपराधी विकास दूबे के आजु भोरे मध्यप्रदेश के उज्जैन में महाकाल मंदिर से गिरफ्तार कर लीहल गइल. बतावल जात बा कि विकास अपनहीं चिल्ला चिल्ला के आपन परिचय बतवलसि कि ऊ कानपुर वाला विकास दूबे ह. इहो कहल जात बा कि महाकाल मन्दिर में ओकर गिरफ्तारी एगो सोचल बूझल चाल हो सकेला. काहे कि पुलिस जब ओकरा के गिरफ्तार करे चहुँपल त साथही मीडिया वाले मय कैमरो रहलें. ओकरा बाद करीब करीब हर टीवी चैनल इहे दावा करत लउकल कि विकास दूबे के गिरफ्तारी के खबर सबले पहिले ओही चैनल पर दीहल गइल. जहाँ के मीडिया एह तरह के झूठ सरेआम बोलत होखे ओकरा पर कतना भरोसा कइल जा सकेला !
मीडिया य मीडिया राजनीतिक गिरोहनो का तरफ से एह गिरफ्तारी पर तरह तरह के सवाल उठावल जा रहल बा आ आपन भरोसा मेटा चुकल लुटियन मीडिया एह बयानबाजी के उछालहूं में कवनो उरेज नइखे करत. मामिला चुंकि भाजपा शासित राज्यन के ह देश के विरोधी गोलन के कहना बा कि विकास दूबे के गिरफ्तार नइखे कइल गइल, ओकरा के बचावे खातिर एगो जाल बुनाइल बा आ विकास दूबे के गिरफ्तारी देखावल जात बा. अगर ओकरा भाजपा के संरक्षण ना रहीत त ओकर इनकाउन्टर हो गइल रहीत
मगर इहो तय बा कि अगर खुदा न खास्ता ओकर इनकाउन्टर हो गइल रहीत त इहे गोल तब हल्ला करीतन कि विकास के एह ले मार दीहल गइल कि ऊ ओह लोग के राज मत खोल देव जे ओकरा के बचावत रहुवे.
एह पर उहे कहावत सही बइठत बा कि भई गति साँप छुछुन्दर के री, उगिलत आन्हर घोंटत कोढ़ी.
हालांकि महाकाल मन्दिर पर तैनात सुरक्षा कर्मियन के कहना बा कि विकास सरेन्डर के इरादा से ना आइल रहुवे बाकिर पकड़ा गइला का बाद ऊ आपन डान बचावे खातिर हल्ला कर के आपन नाम बतावे लागल कि कहीं ओकरा के केहू गोली मत मार देव. मन्दिर में आइल विकास फराजी पहचान पत्र जमा कइले रहुवे आ पुलिस के सन्देह भइल त खुलासा भइल कि ई अपराधी विकास दूबे हवे.
ओने मारल गइल पुलिस अधिकारियन आ सिपाहियन के हित नात के कहना बा कि विकास के बचावे ला ओकरा के गिरफ्तार करे के नौटंकी कइल गइल बा.
बाकिर हमरा पूरा भरोसा बा कि यूपी पुलिस एह मामिला में बढ़िया से पूछताछ करी आ असल बात के खुलासा देश का सोझा राखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up