एके दिन में पचासी लाख – वेल डन इंडिया !

by | Jun 22, 2021 | 0 comments

पूरा विश्व जब योग दिवस मनावत रहुवे तब भारत योग का साथही एगो अउर महाअभियान चला के एके दिन में नाहियो त पचासी लाख लोग के कोरोना वायरस के टीका लगा दिहलसि.
दुनिया खातिर ई एगो रिकार्ड बन गइल जब एके दिन में अतना लोग के टीका लगा दीहल गइल. जान जाईं कि स्वास्थ्य के मसला मुख्य रुप से राज्य सरकारन के काम होखे ला. बाकिर देश में मोदी विरोधी सरकार एकर चिन्ता छोड़ कवनो वा कवनो बहाने मोदी पर दोष लगावे में जुटल रहेलें. पहिले त हवा बनावे के कोशिश कइल गइल कि अगर टीका के काम राज्य सरकार पर छोड़ दीहल जाव त अधिका लोग के टीका लगावल जा सकी. जब जिम्मेदारी दे दीहल गइल तब टीका खरीदे ला धन के मांग होखे लागल. हिन्दूवन का पइसा पर इमामन आ मौलवियन के तलखाह बाटे ला एह सरकारन के कबो पइसा के कमी ना रहे बाकिर आम जनता के भलाई का काम में पइसा के रोना हमेशा रहेला.खैर.
आखिरकार केन्द्र फेरु एह अभियान के जिम्मेदारी पूरा तरह से अपना पर ले लिहलसि आ काल्हु 21 जून से देश भर में कोरोना टीकाकरण के महाभियान चला दिहलसि.
18 बरीस से उपर के कवनो नागरिक अब आपन पहचान पत्र लेके कवनो टीका केन्द्र पर जा के मुफ्त में टीका लगवा सकेला. महाअभियान के पहिलके दिने एगो रिकार्ड संख्या में करीब 85 लाख लोग के टीका लगा दीहल गइल.
वइसे कोरोना के कहर बहुते थथम गइल बा आ विश्व स्वास्थ्य संगठन के कहना बा कि अब भारत के कोरोना पाबंदियन से मुक्त कइल जा सकेला. बाकिर भारत अबहीं ई जोखिम नइखे लीहल चाहत. कोरोना के कहर थथमल बा, खतम नइखे भइल. पिछलको बेर पहिला दौर के खतम होखत देखि लोग अइसन उछाह में आइल कि दुसरका दौर के कहर जानलेवा बनि के आ गइल. एहसे सरकार कवनो ढिलाई नइखे देत आ पूरा ताकत से कोरोना का खिलाफ लागल बिया.
काल्हु देश में कोरोना के 78 हजार 190 नया मरीज मिललें. पुरनकन मरीजन के ठीक भइला का चलते देश में काल्हु 7 लाख 2 हजार 887 मरीज रह गइल बाड़ें जिनकर इलाज चलत बा. हालांकि अबले कोरोना से देश में 3 लाख 88 हजार 135 लोग के मौत हो चुकल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up