कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी पड़ल

by | Jun 8, 2021 | 0 comments

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी

कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी फेरत केन्द्र सरकार एलान कर दिहलसि कि अब देश के 18 बरीस से उपर के सगरी नागरिकन के केन्द्र का खरचा पर कोरोना वैक्सिन लगावल जाई. कोरोना वैक्सिन बनावे वाली कंपनियन के 75 प्रतिशत उत्पाद केन्द्र सरकार खरीद ली आ राज्य सरकारन के फोकट में मुहैया कराई. ओहू राज्य सरकारन के वैक्सिन फोकट में मिली जवनन का लगे मस्जिद के इमामन के खैरात बाँटे खातिर त रुपिया बा बाकिर आम जनता के सुविधा देबै खातिर भिखमंगन का तरह हाथ पसरले रहेलें. अब ना त बयानबाजी होखी, ना टीका सर्टिफिकेट पर फोटो छपाई, ना वैक्सिन के कालाबाजारी होधी, ना विदेशी वैक्सीन के आयात के कमीशन भेंटाई. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु अपना एलान में इहो कहलें कि देश के 80 करोड़ गरीबन के मिलत मुफ्त राशन अब दीपावली तक दीहल जाई.

मन्नारकोयल के राजागोपाला मंदिर के एगो अर्चक का योचिका पर फैसला सुनावत मद्रास हाई कोर्ट कहलसि कि अरमचकन आ मंदिर कर्मचारियन के वेतन भुगतान सराकारी कर्मचारियन का तर्ज पर न्युनतम मजदूरी देबे के पड़ी. ई जानकारी अधिवक्ता एस श्रीधरन @sri0904 अपना ट्वीट में दिहले बाड़न. जान जाईं कि सरकार मंदिर के आमदनी हथिया लिहले बाड़ी स आ मंदिर के पंडा पुजारी, अर्चक, कर्मचारियन के वेतन भुगतान बहुते कम करेली सँ. जबकि ई भुगतान सरकारी खजाना से ना हो के मंदिरे का आमदनी से कइल जाला. दोसरा तरफ मस्जिदन के इमामन के खैरात बाँटे में कवनो कमी ना राखेली सं इहे सरकार. हिन्दुवन के चाहीं कि मंदिर में कवनो दान-चढ़ावा मंदिर के दान-पेटी में ना डास के सीधे पंडा-पुजारी-अर्चकडकर्मचारियन के हाथ में देसु. दानपेटी में डालल मुद्रा से हिन्दू विरोधी काम के पोषण करेली सँ सरकार. पता ना ई कइसन सेकूलरिज्म ह जवना में सगरी रोक हिन्दूवने पर लागेला आ सगरी आजादी गैर हिन्दूवन के मिलेला. सात बरीस का बादो मोदी सरकार हिन्दू विरोधी कानूनन के नइखे बदल पवले. शायद ओकरा भरोसा नइखे कि देश के न्यायपालिका ओकरा के अइसन करे दीहें. गँवे-गँवे संविधान में बदलाव कर पावे जोग बहुमत जुटे लागल बा त उमेद जागत बा कि शायद 24 का चुनाव से पहिले ई सब काम हो जाई.

राजस्थान के अजमेर में मोइनुद्दीन हसन चिश्ती के दरगाह में चढ़े वाला चढ़ावा के बाँट बखरा के झगड़ा पुलिस का दुआरी आ गइल बा. दरगाह कमेटी पुलिस से दखल देबे के कहले बिया. दरगाह कमेटी के दावा बा कि चढ़ावा पर ओकरे अधिकार होला. जबकि दरगाह के खादिमन के कहना बा कि चढ़ावा ओकर होला.

पंजाब विधानसभा चुनाव के पहिले पाला कूदे के शुरुआत हो गइल बा. भाजपा एलान कइले बिया कि अगर ओकरा बहुमत मिलल त पंजाब के मुख्यमंत्री कवनो दलित के बनावल जाई. एह एलान का बाद से दोसरा गोलन के दलित नेता अब भाजपा में आवे लागल बाड़ें. एह क्रम में माझा से शिरोमणि अकाली दल युवा प्रकोष्ठ के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष गगनदीप सिंह सोमार का दिने भाजपा में शामिल हो गइलें.

भोजपुर के आरा मगर इलाका में मँझौवा के एगो नवही छात्र के काल्हु पुरनका पुलिस लाइन का नियरा गोली मार के हत्या क दीहल गइल बा. पुलिस अपराधियन के पता लगावे में लागल बिया.

सीवान जिला के मैरवा इलाका के आदर्श नगर मोहल्ला के एगो स्वर्ण व्यवसायी के ओकरा दोकाने पर छूरा घोंप के जान ले लिहले सँ बदमाश.

बलिया के हल्दी इलाका में अतवार का दिने हासनगर गाँव में मोबाईल फोन का झगड़ा में एगो नवही के हत्या करे के आरोपी के पुलिस काल्हु सोमार के गिरफ्तार कर लिहलसि.

बक्सर जिला में दक्षिण बिहार ग्रामीण बैंक के आशा पड़री शाखा के प्रबंधक पर गबन करे के आरोप पुलिसे लगवले बिया. ऊ गाहकन के खाता से रुपिया निकाल के अपना रिश्तेदारन का खाता में भेज देत रहुवे आ बाद में जब गाहक शिकायत ले के चँहुपत रहलें तब ओह दिन लिंक फेल रहे के बात कहि के लवटा देत रहुवे आ कुछ दिन बाद ओकरा खाता में रुपिया वापस कर देत रहुवे.

जौनपुर के गौराबादशाहपुर इलाका के बंजारेपुर गांव में अतवार का रात एही साल बिआह के आइल एगो नवहिन फाँसी लगा लिहलसि.

बलिया के बांसडीह इलाका में जमीन के झगड़ में एगो आदमी के जान ले लीहल गइल. ओकरा बेटो के घवाहिल क दिहल गइल बा.

देश के शेयर बाजार काल्हु फेरु ऐतिहासिक ऊँचाई छू लिहलसि, सेंसेक्स 52329 पर आ निफ्टी 15752 पर बंद भइल. पहिला बेर निफ्टी 15700 के निशान पार कइले रहुवे आ डर भय गँवा चुकल निवेशक लिवाली में लागल रहलें. अमेरिकी बाजार से गिरावट के संकेत मिलला का बावजूद सिंगापुर निफ्टी आजु भोरे बढ़ के खुलल बा आ देशो के बाजार में आजु एगो नया तेजी देखे के अनुमान लगावल जा सकेला. बाकिर एगो करेक्शनो आवे के इंतजार कई दिन से हो रहल बा. देखल जाव कि बाजार का करत बा आजु,

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up