कर्नाटक जीतके दक्षिण जीते के राह खोली भाजपा : अमित शाह

by | Mar 31, 2018 | 0 comments


मैसुरु 31 मार्च. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि दक्खिन में घुसल भाजपा के असल मनसा बा आ एकरा खातिर कर्नाटक विधानसभा चुनाव में भाजपा के जीत मील के पत्थर साबित होखी.
अमित शाह आजु पत्रकारन से बतियावत में कहलन कि भाजपा 21 राज्यन में सत्ता में आ गइल बिया बाकिर कर्नाटक के जीत ओकरा ला खास बा कोहे कि एकरा से दक्खिन में घुसे के राह खुल जाई.
कहलन कि कर्नाटक चुनाव में हार भा जीत के जवने परिणाम होखी ओकर असर 2019 के संसदीय चुनावो पर पड़ी. हालांकि उनुका पूरा विश्वास बा कि सही विकल्प भाजपे ही हो सकेले काहे कि कांग्रेस सरकार के राज में ई राज्य भ्रष्टाचार के गढ़ बन चुकल बा.
शाह दावा कइलन कि – 2014 के चुनाव का बाद हमनी का 11 राज्यन से कांग्रेस के बेदखल कइले बानी जा. कर्नाटको में सिद्दारमैया सरकार से कवनो मुकाबला नइखे लउकत. राज्य के लोग भ्रष्ट शासन हटावे के मन बना लिहले बा.
भाजपा अध्यक्ष के कहना रहल कि – सिद्दारमैया के नेतृत्व वाली कांग्रेस सरकार ‘भ्रष्टाचार के चक्रवात’ बनि के राज्य के लोगन पर असर डलले बिया आ अगर कहीं ई दुबारा जीत गइल त ई ‘सुनामी’ में बदल जाई.
जान जाई. कि कर्नाटक जीतल कांग्रेस ला जीवन-मरण के सवाल बनि गइल बा आ ऊ कर्नाटक जीतहीं ला हिन्दुवन के कमजोर करे आ बाँटे में लागल बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up