कवन ससुरा कहत बा कि हम नीमन आदमी हईं

by | Sep 19, 2020 | 0 comments

विरोध जब खाली विरोध का नाम पर होखे लागे, बिना सोचले विचरले होखे लागे त उहे होला जवन आजु खेती से जुड़ल बिल पर हो रहल बा. विपक्ष के त बस विरोध करे के बा. हँ सरकार में शामिल शिरोमणि अकाली दल के अकेला मंत्री हरसिमरत कौर बादल के एह मुद्दा के बहाना बना के मंत्री पद से दीहल इस्तीफा एगो अलग मुद्दा बा. कांग्रेसी आ पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिन्दर सिंह एकरा के नौटंकी बतवले बाड़न.

कांग्रेस के निलंबित नेता आ एक समय ओकर प्रखर बोलतुआ रहल संजय झा कांग्रेस के इयाद करवले बाड़न कि ई सगरी बात करे के वादा बरीस 2019 में खुद कांग्रेस अपना घोषणापत्र में कइले रहुवे आ आजु जब मोदी सरकार ओह वादा के पूरा करे जा रहल बिया त कांग्रेस के एह विधेयकन के समर्थन करे के चाहीं.

सोशल मीडियो पर एगो वीडियो वायरल हो रहल बा जवना में राहुल का मौजूदगी में अजय माकन कहत सुनात बाड़न कि देश के एगारह गो कांग्रेसी मुख्यमंत्रियन के सलाह मानत फल आ सब्जियन के एपीएमसी एक्ट से बाहर क दीहल जाई. एहसे किसानन के फायदा होखी आ बिचौलियन के भठियरपन से राहत मिलला का चलते आम आदमी के सस्ता में सामान मिले लागी. ओह वीडियो के नीचे देखल जा सकेला.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदिओ कांद्रेस के नाम लिहले बिना शुक का दिने कहलन कि चुनाव का बेरा किसानन के लुभावे खातिर जे लोग बड़हन बड़हन वादा करत रहुवे, बोलन्ते में ना लिखन्तो में करत रहुवे ऊ लोग चुनाव हरला का बाद आपने कहल भुला गइल बा.

असल में एह कानूनी बदलाव से किसान आपन सामान कतहीं बेच सकीहें आ उनुका बिचौलियन के बन्धन से मुक्ति मिल जाई. बाकिर बरीसन से कृषि बाजार पर काबिज बिचौलिया दलानन के लूट खतम करावे वाला एह विधेयकन से दलानन के दलाल बनल विपक्ष एकर बिरोध करत बा. जनता सब देखत-बूझत बिया.

रहल अकाली दल के हरसिमरत के इस्तीफा के बाति त ऊ अकाली दल के राजनीतिक पैंतराबाजी छोड़ के अउर कुछ ना ह. भाजपा के सबले पुरान संघतिया होखला का बावजूद अधिका हिस्सा लेबे का फेर में अकाली बीच बीच में पैंतराबाजी करत रहेलें. महाराष्ट्रो में शिवसेना इहे करत रहुवे. देर सबेर हर गठबन्हन टूट जाला काहे कि अगर वैचारिक समानता बा त विलय होखे के चाहीं. गठबन्हन में हमेशा गाँठ खुले के अनेसा त रहबे करेला. वइसे सोशल मीडिया पर सुनात बा कि अकाली दल के विरोध महाराष्ट्र में चल कहल नारकोटिक्स विभाग के कार्रवाई का चलते बा. नशा के कारोबार में पंजाबी ड्रग माफिया एह जाँच के घेरा में आ रहल बाडें आ ओहनिए के बचावे का फेर में अकाली भाजपा के विरोध करत बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up