कांवड़ यात्रा के मनाही आ बकरीद पर सगरी छूट के दोगलापंथी

by | Jul 18, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अँजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी)

हिन्दू विरोधी गिरोहन के जीत देत वाकओवर दे दिहलसि काँवरिया संघ. सरकार के अपील मानत कांवड़िया संघ कह दिहलें कि एह साल काँवड़ यात्रा ना निकालल जाई. जान जाईं कि यूपी के काँवड़ यात्रा का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट के एगो न्यायमूर्ति सवाल उठवले रहलें. हिन्दू त्योहारन पर हमेशा कवनो ना कवनो बहाने बवाल खड़ा करे में न्यायपालिका, मीडिया, आ विपक्षी हमेशा एकजुट हो के सवाल उठावेलें. बाकिर इहे लोग तब गुम्मी साध लेला जब मामिला मुसलमानन के होखे. केरल में बकरीद का मौका पर कोरोना प्रतिबंधन के तीन दिन खातिर हटा लिहला का खिलाफ ना त न्यायमूर्ति बोलिहें, ना मीडिया, ना विपक्ष. साथही एह लोग के हमेशा कोशिश रहेला कि कवनो ना कवनो बहाने हिन्दुवन के बाँट के राखल जाव. हिन्दू समर्थक मानल जाए वाली भाजपो एह में आपन बेंवत ना देखावे. पीएम मोदी बेर बेर कोरोना के तिसरका लहर से बचे-बचावे के गोहार लगावत बाड़न. उत्तराखंड सरकार पहिलहीं अपना राज्य में काँवड़ यात्रा ना होखे देबे के फैसला कर चुकल बिया. आ ओह पर से सुप्रीम कोर्टो एह मामिला में सुओमोटो दखल देत कहले रहुवे कि यूपी काँवड़ यात्रा रोकल जाव. अब एह लोग में से केहू केरल सरकार के फैसला का खिलाफ बोले के जरुरत नइखे समुझत काहें कि बकरीद के बात बा.

तीन बरीस जेल के सजा काट चुकल बिहार के एगो आईएएस अधिकारी आ बिहार कर्मचारी चयन आयोग के चेयरमैन रहल सुधीर कुमार के पर साल अक्टूबर में सुप्रीम कोर्य से जमानत मिल गइल रहुवे. अब अगिला साल ऊ रिटायर होखे वाला बाड़न. एह बीच ऊ आपन शिकायत ले के अनुसूचित जाति जनजाति थाना में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ मनु महाराज समेत कई अउरी लोगन का खिलाफ एफआईआर दर्ज करावे ला घंटन बइठले बाकिर एफआईआर दर्ज ना हो सकल. उनुका के उनुका शिकायत के पावती जरुर मिल गइल. अब एह बाति पर राजनीतिक सवाल उठावत विधानसभा में नेता विपक्ष तेजस्वी यादव कहत बाड़न कि जब एगो आईएएस अधिकारी के शिकायत नइखे सुनल जात बिहार में त आम आदमी के कवन बिसात.

काल्हु राकांपा नेता शरद पवार आ पीएम मोदी के एक घंटा ले चलल मुलाकात महाराष्ट्र के राजनीति में उबाल ले आइल बा. बाकिर राकांपा आ कांग्रेस के गोड़धरिया क के महाअघाडी सरकार चलावत शिवसेना एहमें कवनो लोचा नइखे देखय. शिवसेना के नॉटी प्रवक्ता संजय राउत के कहना वा कि पवार आ मोदी के पुरान दोस्ती ह आ मोदी हमेशा पवार से सहज निकटला राखेलें. एह मुलाकात में कवनो राजनीतिक मकसद देखला के जरुरत नइखे. पवारो साफ कइले कि मुलाकात सहकारी बैंकन से जुड़ल रहुवे. सहकारी बैंकन के मसला राज्य सरकार का कार्यक्षेत्र में आवेला आ एह बैंकन के कामकाज में केन्द्र सरकार के दखल ना होखे के चाहीं. असल में जब से केन्द्र में नया सहकारिता मंत्रालय बनावल गइल बा तब से सहकारी बैंकन पर काबू राखे वाला शरद पवार परेशान बाड़न. ऊ एकरा के अपना एकक्षत्र राज पर आवे वाला संकट देखत बाड़व.

संसद के मानसूल सत्र का मौका पर सत्र शुरु होखे से पहिले कांग्रेस के अंतरिम अध्यक्षा सोनिया गाँधी आजु अपना सांसदन से वीडिया कांफ्रेसिंग करीहें आ सत्र मे सरकार का खिलाफ असरदार विरोध जतावे के रणनीति बनवइहें. ओने कांग्रेस के गिनल-चुनल सरकारन में पंजाब सरकार पर आइल गरहन से निकलल आसान नइखे लागत. असरदार आ अवसादारन सरदारन का लड़ाई में के भारी पड़ी से कहल मुश्किल बा. मोहन के टंगड़ी आ सोहन के टंगड़ी के लड़ाई में गुरुजी के दुनु टंगड़ी टूटे के अनेसा से इंकार नइखे कइल जा सकत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up