कारगिल दिवस पर राष्ट्रपति अउर प्रधानमंत्री शहीदन के श्रद्धांजलि दिहलें

by | Jul 26, 2018 | 0 comments


नयी दिल्ली, 26 जुलाई (वार्ता). आजु बियफे का दिने राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद अउर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कारगिल विजय दिवस पर शहीदन के श्रद्धांजलि दिहलें.
राष्ट्रपति कोविंद अपना ट्वीट में कहलन कि ‘का‍रगिल विजय दिवस पर, हर भारतीय अपना सशस्त्र सेना के प्रयास अउर पराक्रम के सराहत बा आ कारगिल के शहीदन के परम बलिदान के नमन करत बा. हमनी का ओह लोग के परिवार के हमेशा कर्जदार रहब.’
पीएम मोदी अपना ट्वीट में लिखलन कि ‘कारगिल विजय दिवस पर राष्ट्र ओह लोगन के श्रद्धांजलि देत बा, जो लोग ऑपरेशन विजय का दौरान देश के सेवा कइल. हमनी के बहादुर सैनिक ई त. करा दिहलें कि भारत सुरक्षित रहे अउर शांति के माहौल बिगाड़े वालन के सही जबाब दिहलें.’
अपना दोसरा ट्वीट में पीएम लिखलन कि ‘ऑपरेशन विजय का दौरान अटल जी के उत्कृष्ट राजनीतिक नेतृत्व के भारत हमेशा गर्व का साथे याद राथी. उहाँ के हमनी के सशस्त्र बलन के समर्थन कइनी आ विश्व स्तर पर भारत के रूख रेघरियवनी.’

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up