किसानन का नाम पर धोखाधड़ी करत मिललें साढ़े सात लाख लोग

by | Jun 30, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी)

पिछला सात महीना से अधिका समय से किसानन का नाम पर आढ़तियन आ दलालन के आन्दोलन चलिए रहल बा. अब उत्तर प्रदेश में साढ़े सात लाख से अधिका अपात्र प्रधानमंत्री किसान निधि के सम्मान राशि अपना खाता में मँगवावत मिलल बाड़न. अब एह लोग से वसूली होखी आ ओह अधिकारियन का खिलाफ कार्रवाई जिनका मिलीभगत से एह लोग के नाम लघु आ सीमांत किसान सूची में शामिल भइल. ई गड़बड़ी तब धराइल जब सम्मान निधि भेजल जाए वाला खातन के आयकर आ आधार से मिलान कइल गइल. कई जने आयकरदाता बाड़ें, कुछ लोग मर चुकल बा बाकिर फर्जी आधार का सहारे निधि से बेइमानी हो रहल बा.

उत्तर प्रदेश के जिला पंचायत अध्यक्षन के चुनाव में मतदान से पहिलहीं काल्हु चार गो अउर जिलन में भाजपा उमीदवार निर्विरोध चुना गइलें. एह लोग का खिलाफ खड़ा उमीदवार काल्हु आपन आपन नाम वापिस ले लिहलें जवना का बाद एह लोग के निर्विरोध निर्वाचित घोषित क दीहल गइल. एहसे पहिले 26 जून के भाजपा के 17 गो जिला पंचायत अध्यक्षन के निर्विरोध निर्वाचन तय हो गइल रहुवे. एकरा अलावे ईटावा से अखिलेश यादव के चचेरा भाईओ निर्विरोध चुनाइल बाड़ें. अब बाकी बाचल 53 जिलन में 3 जुलाई के मतदान होखी आ ओही दिने मतगणना क के परिणाम घोषित क दीहल जाई.
काल्हु भाजपा पीलीभीत, शाहजहांपुर, बहराइच, आ सहारनपुर के सीट जितलसि. पीलीभीत से सपा भाजपा से आइल एगो दलबदलू स्वामी प्रवक्ता नंद के टिकट दिहले रहुवे. ऊ काल्हु आपन परचा वापिस ले लिहलन. शाहजहांपुर से समाजवादी गोल के उमीदवार काल्हु सबेरे भाजपा में शामिल हो गइली आ आपन दाखिल परचा वापस से लिहली. बहराइच के सपा उमीदवारो आपन परचा वापिस ले लिहली. सहारनपुर के चुनाव में बसपा समर्थित उमीदवार आपन नाम वापिस ले लिहलन. एह बीच खबर आइल बा कि आजमगढ़ में जिला पंचायत अध्यक्ष भाजपा प्रत्याशी संजय निषाद के गाड़ी पर पथराव आ फायरिंग के खबर बा.

टेंटिहा ट्वीटर के मुसीबत रोजे बढ़ल जा रहल बा. ओकरा पर अब जगहे जगह आपराधिक मुकदमा दर्ज होखे लागल बा. दिल्लिओ में राष्ट्रीय बाल अधिकार संरक्षण आयोग से मिलल शिकायत पर पुलिस ट्वीटर का खिलाफ चाइल्ड पोर्नोग्राफ़िक सामग्री प्रकाशित कइला के मुकदमा दर्ज कइले बिया.

नैतिकता से दूरी बना के रहे वाली ममता बनर्जी 2016 में कांग्रेसी विधायक के दल बदलवा के लोक लेखा समिति के अध्यक्ष बनवले रही. अब एहू साल भाजपा विधायक मुकुल रॉय से दल बदलवा के उनुका के लोक लेखा समिति के अध्यक्ष बनावे वाला बाड़ी. भाजपा एकरा खिलाफ कानूनी लड़ाई लड़े में लागल बिया. विधानसभा अध्यक्ष से एकर शिकायत क दीहल गइल बा कि मुकुल के विधायकी दल बदलू होखला का चलते खतम कइल जाव. एकरा बाद अदालतो के शरण ली भाजपा.

उच्चतम न्यायालय सगरी राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के निर्देश दिहले बिया कि 31 जुलाई ले ऊ लोग ‘वन नेशन, वन राशन कार्ड’ योजना लागू क लेव. अधिकतर राज्य एकरा के पहिलहीं लागू कर चुकल बाड़ें बाकिर दिल्ली, पश्चिम बंगाल, आ कुछ अउरी जगहा ई अबहीं लागू नइखे भइल.

जम्मू-कश्मीर पुलिस आ केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल काल्हु चेकिंग का दौरान परिमपोरा नाका पर एगो कार के तलाशी में लश्कर के माथ कमांडर नदीम अबरार के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा लगे एगो पिस्तौल आ हथगोला मिलल बा. पूछताछ में अबरार बतवलसि कि ओकर एके-47 राइफल मलूरा में एगो घर में राखल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up