कुकुरन के चिन्हवा दिहलसि चन्द्रयान-2

by | Sep 7, 2019 | 0 comments

भारत के अन्तरिक्ष अनुसंधान संगठन इसरो के मिशन चन्द्रयान-2 अपना अधिकतर मकसद में सफल साबित होखला का बावजूद अपना उपलब्धि के चित्रांकित करे में असफल हो गइल. काहे कि आखिरी मौका पर ओकर लिंक फेल कर गइल आ ऊ विक्रमलैन्डर से ओकरा उतरला के आंकड़ा हासिल ना कर पवलसि.

चन्द्रयान-2 के प्रक्षेपण से लगाइत विक्रमलैन्डर के चन्द्रमा का दक्षिणी इलाका में उतारें में सफल रहल जहाँ आजु ले दुनिया के कवनो देश अपना उपकरण के नइखे उतार पवले. पूरा देश ओह क्षण के बेसब्री से इन्तजार करत रहुवे आ टकटकी बन्हले अपना टीवी पर आँखि गड़वले रहुवे. पीएम मौदी खुद इसरो का सम्पर्क केन्द्र पर हाजिर रहलन. चन्द्रयान-2 अबहीं एक महीना ले चन्द्रमा के लगातार परिक्रमा करत आंकड़ा जुटावे के काम करे में लागल रही.

चन्द्रमा का सतह पर उतरे वाला दुनिया के चउथका देश होखला का बावजूद आखिरी मौका पर लिंक फेल भइला से उपजल निराशा समुझे जोग बा. बाकिर कुछ कुकुर एह असफलता पर आपन खुशी नइखन लुका पावत. एह तरह से सोंची त चन्द्रयान-2 के सबले बड़हन सफलता इहे बा कि ऊ एह तरह के कुकुरन के चिन्हवावे में सफल रहल. एगो कहाउत ह – दमड़ी के चाम गइल, बाकिर कुकुर के जाति चिन्हा गइल.

कुछ कुकुरन के खुशी मनवला का बावजूद पूरा देश आ दुनिया इसरो के सफलता पर गर्वित बा. 100 में 99 नम्बर पावे वाला के कबो फेल ना माने के चाहीं. ओकरा से बस इहे गलती हो गइल कि उत्तर पुस्तिका पर आपन रोल नम्बर ना लिख सकलसि.

पीएम नरेन्द्र मोदी एह पर वैज्ञानिकन के बधाई देत कहलन कि विज्ञान में असफलता ना होखे, बस प्रयोग आ कोशिश होखेला. अबकी ना अगिला बेर सफलता मिलिए के रहे वाला बा. अब अउरी कर्मठता आ जोश से फेरु एह मिशन पर लाग जाए के बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up