कोरोना से एकदिन में छह हजार से अधिका मौत

by | Jun 11, 2021 | 0 comments

(शुक, जेठ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी)

एने कुछ दिन से कोरोना के कहर में कमी देखत कई एक राज्यन में लॉकडाउन में ढील देबे के शुरुआत हो गइल रहुवे. एही बीच बियफे का दिन के कोरोना के आंकड़ा जान साँसत में डाल देबे वाला आइल बा. बियफे का दिने अब तक ले के सबले बेसी मौत के खबर आइल बा. 6148 मरीजन के मौत आजु ले देश में ना भइल रहुवे. नया मरीज मिले के गिनितिओ कम होखला का बावजूद पिछला तीन दिन में सबले अधिका रहल. ठीक होखे वाला मरीजन के गिनितिओ पिछला बावन दिन में सबले कम आइल बा. ई सब चिन्ता के बात बा आ सबका सावधानी राखल जरुरी बा.
एही बीच बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बियफे का दिने खुदे बाहर निकल के देखलें कि लोग कोरोना निर्देशन के कवना तरह पालन कर रहल बा. उनुको निराशा हाथ लागल ई देखि के कि लोग हवा में मँड़रात मौत से बेपरवाह लउकल. ना त दूरी मानल जात बा ना मुँहजाबिए लगावत बा ढेरे लोग.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी दुनिया के सात गो बड़का अर्थव्यवस्था वाला देशन के समूह जी-7 के 47वां शिखर सम्मेलन में ऑनलाइन शामिल होखिहें. विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता अरिंदम बागची बतवले बाड़न कि 12 आ 13 जून के ब्रिटेन के अध्यक्षता में होखे वाला एह सम्मेलन में शामिल होखे ला ब्रिटिश प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन पीएम मोदी के नेवलते रहलन बाकिर देश में कोविड महामारी के मौजूदा हालात के देखत पीएम एह सम्मेलन में वीडियो लिंक से शामिल होखिहें. जाने जोग बा कि पीएम मोदी दुसरका बेर जी-7 के शिखर सम्मेलन में शामिल होखिहें.

दिल्ली में प्रधानमंत्री मोदी आ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे के कुछ मिनट अकेला में भइल गुफ्तगू पर शायद ओतना ध्यान ना गइल रहीत अगर हरामखोर नॉटी के बात करे खातिर बदनाम हो चुकल संजय राउत मोदी के बड़ाई ना कइले रहतन. शिवसेना नेता संजय राउत आपन बोली बदलत कह दिहले कि प्रधानमंत्री मोदी आजु देश आ भाजपा के माथ नेता बाड़न. राउत के बयान का बाद महाराष्ट्र के राजनीति में हलचल बढ़ गइल बा. एह हलचल के सम्हारे ला राकांपा अध्यक्ष शरद पवार के बयान आइल बा कि उनुका पूरा भरोसा बा कि शिवसेना महाविकास आघाड़ी के अपना साथियन के साथ ना छोड़ी आ अगिलो चुनाव तीनो गोल मिल के लड़ी. अब पवार जइसन नेता अगर भुला गइल बाड़न कि शिवसेना कवना बेशर्मी से भाजपा का साथे मिल के चुनाव लड़ला का बादो मुख्यमंत्री के कुरसी पावे खातिर भाजपा के साथ छोड़ दिहले रहुवे.
प्रधानमंत्री मोदी से मुलाकात का बाद मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे से जब एह बारे में पूछल गइल त ऊ कहलन कि कवनो नवाज शरीफ से मिले ना गइल रहलन. देश के प्रधानमंत्री मोदी से मिललन त एहमें गलत का बा. कहलन कि साथे ना रहला का बावजूद हमनी के व्यक्तिगत संबंधो ऩइखे खतम हो गइल.

दू दिन के गिरावट का बाद बियफे का दिने देश के शेयर बाजारन में तेजी लवटि आइल. सेंसेक्स 359 अंक चढ़ के आ निफ्टी 102 अंक चढ़ि के बंद भइल. मानल जात बा कि तेजड़िया फेरु भारी साबित हो गइलें आ बाजार फेरु तेजी के राहे बढ़ चली.

मिर्जापुर के विन्ध्याचल इलाका में अमावस्या नहान का दौरान गंगा में एगो औऱत आ एगो लइकी के मौत डूबला से हो गइल.

बक्सर के मुरार इलाका के मनपा नहर का लगे एगो नवही के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल बा. दोसर खबर बा कि एगो निजी फाइनेंस कंपनी में काम करे वाली एगो औरत के लाश तियरा गाँव का लगे से बरामद भइल बा.

कुशीनगर के कप्तानगंज इलाका के मथौली बाजार में बुध देर रात भइल सड़क हादसा में एगो ट्रक का धक्का से बाइक सवार दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ तिसरको के अब तब के हालत बा. पुलिस ट्रक के कब्जा में ले लिहले बिया.

सोनभद्र के दुद्धी कोतवाली इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में बाइक आ साइकिल के टक्कर में दुनु के सवारन के मौत हो गइल.

बनारस के मंडुवाडीह से नई दिल्ली का बीच अब दैनिक विशेष रेल गाड़ी 14 जून से आ वापसी में 15 जून से चलल करी. एह गाड़ियन (05127 आ 05128) में सगरी कोच आरक्षित श्रेणी के होखी आ कोविड-19 निर्देशन के पालन करे के पड़ी. वाराणसी आ मुंबई का बीच चले वाली साप्ताहिक रेल गाड़िओ चलत रही. वाराणसी आ मुजफ्फरपुर का बीचे हफ्ता में दू दिन चले वाली विशेष गाड़ी के शुरुआत 14 जून से हो जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up