खेत खाए गदहा मार खाए जोलहा

by | Apr 2, 2020 | 0 comments

आरएसएस से जुड़ल भारतीय मजदूर संघ के ईकाई दिल्ली परिवहन मजदूर संघ डीटीसी बसन के ड्राइवर आ कंडक्टरन पर एफआईआर दर्ज कइला के विरोध कइले बावे. दिपमसंघ के कहना बा कि एहसे कर्मचारियन के मनबल टूटी. एहसे ड्राइवर आ कंडक्टरन का खिलाफ दर्ज मुकदमा रद्द कइल जाव.
जाने जोग बा कि साजिशन अफवाह फैला के लॉकडाउन का दौरान प्रवासी मजदूरन का बीच दिल्ली से भागे के अफरातफरी फैलावल गइल. सरकार में शामिल गोल हल्ला उड़वलसि कि मजदूरन के उनुका गाँ ले चहुँपावे खातिर दिल्ली सीवान पर बस खड़ा बाड़ी सँ आ एह लोग के ओहिजा ले चहुँपावे खातिर डीटीबस खड़ा बाड़ी सँ. केकरा आदेश से एह बसन के लगावल गइल से अबहीं ले साफ नइखे भइल. बाकिर खेत खोए गदहा मार खोए जोलहा वाला कहाउत साँच करत 44 गो डीटीसी आ क्लस्टर बस के ड्राइवरन आ कंडक्टरन का खिलाफ शकरपुर पुलिस स्टेशन में एफआईआर दर्ज करावल गइल बा.
भारतीय मजदूर संघ से संबद्ध संगठन डीपीएमएस के महामंत्री कैलाश चंद्र बियफे का दिन कहलन कि डीटीसी के ड्राइवर आ कंडक्टर कोरोना महामारी के एह बिपति का बीच सरकार के हर आदेश के पालन निष्ठा से करत बाड़ें. आ एही लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करा के एह लोग के मनबल तूड़ल जा रहल बा.
कहलन कि कर्मचारी अपना मन से कुछ ना करसु. विभागीय अधिकारी जवन आ जइसन आदेश देलें तवने आ तइसने करेलें, एहसे पहिले ई पता लगावल जाय कि के आदेश दीहल एह बसन के चलावे के आ ओकरे पर मुकदमा कइल जाव.
सरकारी आदेश पालन करेवाला एह मजबूर कर्मचारियन का खिलाफ कवनो कार्रवाई ना होखे के चाहीं.
जाने जोग इहो बा कि कुछ देशद्रोहियन के मनसा हो सकेला कि प्रवासी मजदूरन के भगवा के ओह लोग का बदले घुसपैठियन रोहिंग्यन के काम पर लगवा दीहल जाय.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up