गीध के सराप से डाँगर ना मरअ सँ.

by | Mar 25, 2020 | 0 comments

linegraph of corona spread in India

जहाँ सगरी दुनिया एह उहापोह में फँसल बा कि धंधा डुबाईं कि परिवार ओहि दुनिया में मोदी सरकार परिवार बचावे खातिर धंधा के लात मार दिहलन. आ एकर असरो लउकत बा.

भारत में 11 मार्च का दिन ले कोरोना के 56 केस मिल चुकल रहुवे. मरीजन के ई गिनिती ओकरा बाद हर दिने बढ़त चलि गइल. 12 मार्च के 62, 13 मार्च के 73, 14 मार्च के 82, 15 मार्च के 102, 16 मार्च के 113, 17 मार्च के 119, 18 मार्च के 142, 19 मार्च के 156, 20 मार्च के 194, आ 21 मार्च के ई गिनिती 244 ले चहुँप गइल.

ओकरा बाद पीएम मोदी एह बिपति से लड़े ला ऊ राहि चुनलन जवना पर चलला के सोचिए के बाकि देशन के पसीना छूटत रहुवे आ आजुवो ले छूटत बा. शनिचर का राति में पीएम मोदी देश के जनता से निहोरा कइलन कि अतवार काद दिने सभे 24 घंटा ला अपना अपना घरे में रहि के एह बिपति से लड़े के तइयारी करे.

अतवार का दिने कोरोना मरीजन के गिनिती 330 हो गइल. पिछला 24 घंटा में ई बढ़त सैकड़े 35 के आंकड़ा पारि करि लिहले रहुवे. देश के विपक्षी दल एहके मजाक में उड़ावे के सोचलन बाकिर जनता अपना नायक के साथ दिहलसि आ करीब करीब सौ फिसदी सफल बनवलसि ओह जनता कर्फ्यू के. हालांकि सफलता का उछाह में कुछएक जगहा लोग जुलूस ले निकाल दिहलसि. ओह लोग के लागल कि कवनो वर्ल्ड कप जीत लिहनी सँ.

हालांकि अतवार के कर्फ्यू के असर सोमारे से लउके लागल. सोमार का दिने कोराना मरीजन के गिनिती करीब 26 फीसदी बढ़ोतरी का साथे 415 हो गइल आ मंगल का दिने बढ़े के रफ्तार अउरी घटल आ करीब 20 फीसदी के बढ़त बनावत 499 हो गइल. आजु दुपहरिया ले ई गिनिती महज सैकड़े 8 ले रहि गइल आ 539 हो गइल. पिछलको अतवार का बाद बढ़त थथमल रहुवे जवन कि ग्राफ में देखल जा सकेला.

साफे लउकत बा कि कोरोना के पसार मद्धिम भइल बा. आ अब 21 दिन के लॉक डाउन कोरोना के काबू में ले आ दी एकर भरोसा करे में कवनो हरज ना होखे के चाहीं. गीध के सराप से डाँगर ना मरअ सँ. देश के विपक्षी नेतवन के सपना पूरा नइखे होखे जात. ओकनी के मनावत बाढ़न सँ कि कोरोना महामारी बनि जाव आ जनता अपना नेता के भगतई छोड़ि देव.

बाकिर गीध के सराप से डाँगर ना मरअ सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up