चार हाथ के दूरी आ मास्क बा जरुरी

by | Jun 24, 2021 | 0 comments

कोरोना प्रोटोकॉल के पालन करत देश के नेतागण

केन्द्र सरकार साफ कह दिहलसि कि जम्मू कश्मीर के राज्य के दरजो दीहल जाई आ ओहिजा मतदानो करावल जाई बाकिर ओकरा पहिले परिसीमन के काम पूरा करावे के बा. मतदान तब करावल जाई जब ओहिजा के लोग तैयार हो जाई आ माहौल ओकरा लायक बन जाई.
जम्मू कश्मीर के भावी का बारे में बतियावे खातिर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के बोलावल बइठक में अनुच्छेद 370 आ 35 ए का बारे में कवनो बाते ना भइल. साढ़े तीन घंटा चलल एब बइठक का बाद बइठक में शामिल लोग के तरह तरह के बयान सामने आइल बा. अब्दुल्ला बाप बेटा के कहना बा कि परिसीमन के जरुरत का बा. ओह लोग के लागत बा कि परिसीमन का बाद जम्मू इलाका के लोगन से बेइमानी कइल आसान ना रहि जाई. पिछला बेर त कम आबादी वाला कश्मीर के अतना विधायक रहत रहलें कि जम्मू प्रभाग के बहुमत बनल सपना रहत रहुवे.
महबूबा कहली कि कश्मीर का बारे में पाकिस्तानो एगो फरीक बा आ ओकरो से बात शुरू होखे के चाहीं.
कांग्रेसी नेता आ जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री रह चुकल गुलाम नबी आजाद कहलन कि ऊ पाँच गो माँग कइले. जवना में पूर्ण राज्य के दर्जा, विधानसभा चुनाव, कश्मीरी पंडितन के पुनर्वास, राजनीतिक बंदियन के रिहाई, अउर प्रवासन नियमन में बदलाव शामिल बा.
बइठक में गुलाम नबी आजाद, फारूख अब्दुल्ला, उमर फारूख, महबूबा मुफ्ती, रवीन्द्र रैना, निर्मल सिंह, चमनलाल, केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्य मंत्री डा जितेन्द्र सिंह, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल, आ प्रदेश के उप राज्यपाल मनोज सिन्हा शामिल भइलें.
कश्मीरी पंडित नाराज बाड़ें कि ओह लोग के कवनो प्रतिनिधि के ना बोलावल गइल रहुवे. जम्मू प्रभाग के लोग के अनेसा बा कि कश्मीरी मोह में फेरु ओकरा साथे अन्याय मत हो जाय.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up